Go to ...
RSS Feed

Archives for July 2014

फालोआन से त जान छूटल बाकिर हारे से बाॅचो तब नू

साउथेम्‍प्‍टन में होखत भारत इंगलैण्ड का बीच तिसरका टेस्‍ट मैच में इंग्‍लैंड आपन दुसरका पारी चार विकेट गॅवा के 205 रन बना के घोषित क दिहलसि आ भारत के जीते ला एगो बड़हन निशान 445 रन के दे दिहलसि. भारत अपना पहिलका पारी में तीन सौ तीसे रन बना पवलसि बाकिर इंगलैण्ड ओकरा के फालोआन

कैमूर पहाड़ी प बसल गावन में दस्त से छह जने के मौत

बिहार के रोहतास जिला में कैमूर पहाड़ी पर बसल गाँवन में दस्त के बीमारी से नाहियो त आधा दर्जन लोग के मौत हो गइल बा. हालात प काबू पावे ला डाक्टरन के टीम एह गाँवन में भेजल गइल बा.

अमरीका के विदेश मंत्री जॉन कैरी भारत दौरा पर

भारत के नयका नेतृत्व सशगे खास खास मुद्दन पर बतियावे खातिर अमेरिका के विदेश मंत्री जाॅन कैरी बुध का दिने भारत के तीन दिन के यात्रा पर दिल्ली चहुँपले. बियफे का दिने इनकर भेंट भारत के विदेश मंत्री सुषमा स्वराज सशगे बातचीत होखी आ शुक का दिने सबेर में मोदी संगे भेंट होखे के उमेद

पुणे जिला में पहाड़ धँसला से नाहियो त चार सौ लोग दबाइल होखी

महाराष्ट्र का पुणे जिला के मालिन गाँव पहाड़ धँसला का चलते ओकरा नीचे दबा गइल बा आ एह हादसा में नाहियो त चार सौ लोग के दबा गइला के अनेसा बा. बचाव दल अबहीं ले सतरह गो लाश निकाल चुकल बा. बतावल जात बा कि करीब चालीस घर आ चार सौ के आबादी वाला ई

बिहार विधानसभा उपचुनाव

नरकटियागंज, राजनगर, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीनगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका, आ मोहनिया विधानसभा सीट पर होखे वाला चुनाव के अधिसूचना पिछला 26 जुलाई के जारी हो गइला का बाद परचा दाखिला के काम शुरु हो गइल बा. एह सीटन ला तीन गो गोलबन्दी सामने आइल बा. भाजपा आ लोजपा के गोलबन्दी, कांग्रेस राजद आ जदयू के

भारत फालोआन खेले से माफ कर दिहलसि इगलैण्ड

इंगलैण्ड का साथे होखत तिसरका टेस्ट मैच के चउथका दिने भारत के पारी 330 रन पर खतम हो गइल. तिसरका दिने खेल खतम होखे का बेर ले भारत 8 विकेट गँवा के 313 रब बनवले रहुवे जवन आज महज सतरह रन जोड़ के खतम हो गइल. पहिला पारी में इंगलैण्ड के 569 रन रहुवे. अगर

ग्लासगो राष्ट्रमंडल खेल मे पदकन के बरखा

ग्लासगो राष्ट्रमंडल खेल मे पदकन के बरखा काल्हु भारतीय पहलवान तीन गो स्वर्ण पदक आ एगो रजत पदक जीत के भारत के पदक तालिका में बढ़ोतरी जारी रखलन. आजुओ तीन गो पदक के आशा लागल बा.

सुप्रीम कोर्ट आदेश दिहलसि निवेशकन के पइसा लवटावे ला

बिल्डर सुपरटेक के आदेश देत सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि नोएडा के जुड़वाँ टावरन के, जवना के गिरा देबे के इलाहाबाद हाई कोर्ट आदेश दिहले बावे, फ्लैट मालिकन के ओह लोग के दिहल दाम लवटा दिहल जाव. कोर्ट कहलसि कि ई ओह लोग के जथापूंजी बा आ एकरा के पावे खातिर ओह लोग के कोर्ट के

पुणे में जमीन धँसला से गाँव भसल

महाराष्ट्र के पुणे जिला के अंबेगाँव इलाका में एगो पहाड़ी के जमीन धँसला का चलते नीचे बसल मलिन नाम के गाँव के नाहियो त पैतीस गो घर भस गइली स. एह में बहुते लोग के मलवा में दबइला के अनेसा बा. घटना का बाद बचाव दल का रूप में एनडीआरएफ के जवान चहुँप गइल बाड़े.

पूर्वी चंपारण से नक्सली गिरफ्तार

पूर्वी चंपारण के मधुबन इलाका के बंजरिया गाँव से पुलिस मंगल का दिने एगो नक्सली एरिया कमांडर दिनेश पंडित के हथियार आ नक्सली साहित्य का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

बिहार विधानसभा उपचुनाव में तिकोनिया लड़ाई

अगिला 21 आगस्त के बिहार विधानसभा के 2 गो सीट ला होखे वाला उपचुनाव में नीतीश कुमार के जदयू, लालू प्रसाद के राजद आ कांग्रेस तीनो मिल के लड़ीहे. राजद चार सीट प, जदयू चार सीट प आ कांग्रेस दू सीट पर लड़ी. अइसहीं वाममोर्चा के भाकपा माले पाॅच गो प, माकपा तीन गो प

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के कुलपति इस्तीफा दिहलन

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो॰ ए॰के॰ सिंह अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. मंगल का दिने विवि के कुलसचिव वीपी सिंह एह बात के पुष्ट क दिहलन.

तिसरका टेस्ट के तिसरका दिने भारत के हालत खराब

साउथम्प्टन में होखत भारत आ इंगलैण्ड का बीच तिसरका क्रिकेट टेस्ट मैच के तिसरका दिने भारत 6 विकेट गवाँ के 228 रन बना पवलसि आ अबहियो ओकरा 142 रन अउर बनावे के जरूरत बा फालोआन से बचे खातिर. इंग्लैंड अपना पहिलका पारी में सात विकेट गँवा के 569 रन बना के आपन पारी घोषित क

ग्लासगो राष्ट्रमंडल खेल में:भारत का नाँवे 28 गो पदक

ग्लास्गो में चलत 20वाँ राष्ट्रमंडल खेल के छठवा दिने निशानेबाज हरप्रीत सिंह रजत पदक जीत के भारत के मिलल पदकन के गिनिती 28 ले चहुॅपवले. जीतू राय, गुरपाल सिंह, गगन नारंग आ विकास ठाकुर समेत एह खेलन में पदक जीते वाला खिलाड़ियन के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी बधाई दिहलन.

कुकर्मियन से समझौता का बादो मुकदमा बंद ना हो सके

देश के सुप्रीम कोर्ट मंगल का दिने एगो मामिला के सुनवाई करत कहलसि कि कुकर्म आ हत्या जइसन मामिलन में कुकर्मी भा हत्यारा आ पीड़ित का बीच कवनो तरह के समझौता हो गइला का बावजूद मामिला बंद ना होखे के चाहीं. अगर मामिला हटे लागल त समाज में गलत सनेसा जाई. कहलन कि दू फरीक

लोग के पेट भरे के बा त किसान के पाकिटो भरे के इन्तजाम करे के होखी : मोदी

मंगल का दिने नई दिल्ली में मनावल गइल भारतीय कृषि अनुसंधान परिषद के 86वाँ स्थापना दिवस के मौका पर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि किसान आ खेती के बढ़ावा देबे खातिर अइसन उपाय करे के होखी कि किसान के आमदनीओ बढ़ो आ खेती के पैदावारो. कहलन कि वैज्ञानिकन के किसानन से मिल जुल के अनुसंधान

देश भर में ईद के त्योहार मनावल गइल

मंगल का दिने देश भर में ईद के त्योहर मनावल गइल. एहमें यूपी के सहारनपुर शहरो शामिल रहल जहवाॅ पिछला दिने दंगा हो गइल रहे. आजु ईद मनावे ला सहारनपुर में लागल कर्फ्यू कुछ देर ला हटा दिहल गइल.

हिमाचल प्रदेश में बस पलटला से 23 सवारियन के मौत

हिमाचल प्रदेश के शिमला जिला में नाहियो त 23 गो सवारियन के मौत हो गइल जब शिमला से सवेराखुद जात एगो कतरघाट में खाई मे गिर गइल. एह लोग का अलावे पाॅच जने घाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. मरे वालन के गिनिती अबही अउर बढ़े के अनेसा बा.

अठाइस साल बाद लार्ड्स का मैदान में टेस्ट मैच जितलसि भारत

आज सोमार का दिने इंगलैण्ड के लार्ड्स मैदान में होखत पहिला टेस्ट के पाँचवा दिने इशान्त शर्मा के शानदार गेंदबाजी का बदौलत भारत मैच जीत गइल. 74 रन देके सात विकेट लेबे वाला इशांत शर्मा के मैन ऑफ द मैच के पुरस्कार दिहल गइल.

Older Posts››