web analytics

संघ लोकसेवा आयोग के परीक्षा लेबे के तरीका का खिलाफ धरना प्रदर्शन खतम

ManojTiwari-offering-juiceसंघ लोकसेवा आयोग के सिविल सेवा परीक्षा से सी सेट हटावे ला जारी धरना प्रदर्शन बुध का दिने सरकार के भरोसा दिअवला का बाद खतम हो गइल. सरकार भरोसा दिहलसि कि एह बारे में सोचविचार क के जल्दिए कवनो फैसला लिहल जाई.

लागऽता कि 24 अगस्त से होखे वाला संघ लोक सेवा आयोग के सिविल सेवा परीक्षा अब कुछ दिन ला टार दिहल जाई.

आमरण अनशन पर बइठल लड़िकन के जूस पिया के अनशन तूड़वइलन मनोज तिवारी. कहलन कि भाषा से पक्षपात ना होखे दिहल जाई.

संघ लोक सेवा आयोग के इम्तिहानन में हिन्दी से होखत भेदभाव से नाराज छात्रन के आमरण अनशन के बुध का दिने भाजपा सांसद मनोज तिवारी जूस पियवा के खतम करवलन.

संघ लोक सेवा आयोग के इम्तिहानन में हिंदी भाषा के महत्त्व कम करे का खिलाफ लोकसभा में मंगल का दिने सवाल उठावल गइल. बाद मेश सशसद परिसर में पत्रकारन से बतियावत केन्द्र सरकार के कार्मिक, लोक शिकायत अउर प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्यमंत्री जितेंद्र सिंह कहलन कि एह मामिला पर विचार करे ला पिछला सरकार के बनावल समिति से कहल गइल बा कि आपन रिपोर्ट जल्दी से पेश करे आ यूपीएससी से तब ले परीक्षा टारे के अनुरोध कइल गइल बा.

 174 total views,  2 views today

%d bloggers like this: