भारत फालोआन खेले से माफ कर दिहलसि इगलैण्ड

इंगलैण्ड का साथे होखत तिसरका टेस्ट मैच के चउथका दिने भारत के पारी 330 रन पर खतम हो गइल. तिसरका दिने खेल खतम होखे का बेर ले भारत 8 विकेट गँवा के 313 रब बनवले रहुवे जवन आज महज सतरह रन जोड़ के खतम हो गइल. पहिला पारी में इंगलैण्ड के 569 रन रहुवे. अगर इगलैण्ड चाहीत त भारत के फालोआन खेलेला मजबूर क सकत रहुवे बाकिर पता ना का सोच के इंगलैण्ड आपन दुसरका पारी खेले के फैसला ले लिहलसि.