web analytics

यूपी में नया राज्यपाल नियुक्ति के चुनौती देबे वाली याचिका खारिज

लखनऊ हाई कोर्ट में आजु उत्तर प्रदेश खातिर नया राज्यपाल राम नाइक के नियुक्ति के चुनौती देबे वाली याचिका के खारिज क दिहल गइल. कोर्ट के कहना बा कि ई याचिका विचार जोग नइखे. याची वकील अशोक पांडेय के कहना रहे कि राम नाइक के राज्यपाल नियुक्त करे से पहिले प्रदेश के मुख्यमंत्री से राय … Read more

 200 total views

मदनपुर पुलिस फायरिंग का खिलाफ विधानसभा में जम के बवाल

सोमार का दिने बिहार विधानसभा में औरंगाबाद जिला के मदनपुर में पिछला दिने भइल पुलिस फायरिंग का खिलाफ भाजपा आ राजग विधायक जम के विरोध जतवले. भाजपा एह मामिला के न्यायायिक जाँच करावे आ मरे वालन के परिवार के दस दस लाख रुपिया मुआविजा देबे के माँग कइले बाड़े.  346 total views

 346 total views

गंडक नहाए गइल दू गो लड़िका डूब गइले

पूर्वी चंपारण के बड़नामा घाट पर सोमार का सबेरे नहाए गइल दू गो लड़िका नदी में डूब गइले. पुलिस के कहना बा कि नहात घरी गोड़ बिछलइला से उ गहिरा पानी में चल गइले सँ जेहसे ओहनी के डूबला से मौत हो गइल. दुनू लड़िकन के लाश नदी से निकाल लिहल गइल बा. एगो दोसरा … Read more

 369 total views

रोहतास में विस्फोटक के जखीरा बरामद

रोहतास के चाँदनी चौक गाँव में छापा मार के पुलिस बड़हन मात्रा में विस्फोटकन के जखीरा बरामद कइले बिया. खुफिया जानकारी मिलला का बाद एह लुकावल विस्फोटक के बरामदी त हो गइल बाकिर कवनो अपराधी पुलिस के पकड़ में ना आ पवलें. सब भाग गइलन स. अब पुलिस ओहनी के पकड़े ला जेने तेने छापामारी … Read more

 280 total views

नीतीश कहलन कि जदयू अपने जइसन विचारवाली पार्टिियन का संगे मिल के चली

बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव ला एक तरफ भाजपा नीत राजग आ दोसरा तरफ जदयू, राजद, कांग्रेस, वाम दल वगैरह पार्टियन के घेराबन्दी शुरु हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि राजग के सगरी दल एह उपचुनाव ला पूरा से तइयार बाड़े. ओने जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री … Read more

 333 total views

बिहार में दस गो खाली विधानसभा सीट के उप-चुनाव

चुनाव आयोग शनिचर का दिने बिहार के दस गो खाली विधानसभा सीट पर उप-चुनाव करावे के एलान क दिहलसि. नरकटियागंज, राजनगर सुरक्षित, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीन नगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका आ मोहनिया सीट पर अगिला 21 अगस्त के वोट करावल जाई. एह ला अधिसूचना 27 जुलाई के जारी होखी आ 2 अगस्त ले परचा दाखिल … Read more

 371 total views

बनारस खातिर महायोजना

यूपी सरकार वाराणसी शहर के चउतरफा विकास ला एगो महायोजना के मंजूरी दे दिहलसि. एह योजना मे शहर में चार गो मेट्रो रेल रूट, छह गो बस अड्डा, पन्दह गो रेल ओवरब्रिज आ तीन गो नदीपुल बनावे के बात कहल गइल बा. ओने आजु दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी के विधायक आ नेता लोग … Read more

 220 total views

औरंगाबाद में पुलिस फायरिंग से दू जने के मौत

बिहार के औरंगाबाद में शनिचर का दिने मदनपुर में जुलूस निकाल के विरोध जतावत लोग के काबू करेला पुलिस गोली चलवलसि जवना में एगो औरत आ एगो आदमी के मौत हो गइल. गाँव वाले एहला विरोध करत रहलन कि आए दिन सर्च अभियान का नाम पर पुलिस तंग करेले. पुलिस के कहना बा कि जुलूस … Read more

 359 total views

दिल्ली बजट के निमना दिन के शुरुआत बतवलन मनोज तिवारी

काल्हु लोकसभा में पेश भइल दिल्ली के बजट के दिल्ली के लोगन खातिर निमना दिन के शुरुआत बतवलन उत्तर पूर्व दिल्ली संसदीय क्षेत्र से सांसद आ भाजपा नेता मनोज तिवारी. एह बजट ला केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के धन्यवाद देत मनोज तिवारी कहलन कि एह बजट से विरोधी हताश हो गइल बाड़े. बतवलन कि … Read more

 267 total views

बाबू से मात खा गइलन सीएमओ

चालीस लाख दे के पूर्वांचल में एगो जिला के सीएमओ बनल डाक्टर के एतनो बेंवत नइखे कि उ एगो बाबू से अपना हिसाब से काम करवा सकसु. बाबू के चहुँप बड़का दरबार ले बा आ ओकरा बारे में इहे कहल जाला कि उ सीएम बनवावे आ हटवावे दुनू के बेंवत राखेला. सुने में आवत बा … Read more

 216 total views

भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन के जन्मदिन आजु

हर साल का तरह एहू साल परिवारे संग मनइहें आपन जन्मदिन रविकिशन. एह साल रवि किशन 42 बरीस के हो जइहन बाकिर अबहियों फिट एंड फाइन लउकेलें. अनेके लड़िकी उनका प लट्टू रहेली स. हाल ही में भोजपुरी फिलिम ‘बाज़ीगर’ आ ‘रत्न भूमि’ के शूटिंग पूरा करा के रविकिशन आपन हिंदी फिलिम ‘ग्लोबल बाबा’ के … Read more

 98 total views

स्कूल के चापाकल में जहर से चार गो लड़िका बेमार

साल भर पहिले सारण के मशरख में धरमासती गंडामन नवसृजित प्राथमिक विद्यालय में भइल मिड डे मील हादसा के साल भर बाद बरखी का दिने बुध के बनियापुर के राजकीय कन्या मध्य विद्यालय के चापाकल में कवनो जहर डाल दिहलसि. एह पानी के पियला से चार गो विद्यार्थी बेमार पड़ गइले. एहनी के प्रशासन तुरते … Read more

 346 total views

बक्सर में सताईस जने गिरफ्तार

मंगल का दिने बक्सर जिला के इटाढ़ी में अंचलाधिकारी पर आआपा समर्थकन के बर्बर हमला का बाद बुध का दिने पुलिस चार गो औरतन समेत सताईस गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहलसि.  282 total views

 282 total views

संघ लोकसेवा आयोग के परीक्षा लेबे के तरीका का खिलाफ धरना प्रदर्शन खतम

संघ लोकसेवा आयोग के सिविल सेवा परीक्षा से सी सेट हटावे ला जारी धरना प्रदर्शन बुध का दिने सरकार के भरोसा दिअवला का बाद खतम हो गइल. सरकार भरोसा दिहलसि कि एह बारे में सोचविचार क के जल्दिए कवनो फैसला लिहल जाई. लागऽता कि 24 अगस्त से होखे वाला संघ लोक सेवा आयोग के सिविल … Read more

 136 total views

सिवान में व्यापारी से आठ लाख के लूट

सिवान के आंदर गुमटी का लगे बुध का दिने एगो व्यापारी से आठ लाख रुपिया लूट लिहल गइल. व्यापारी बैंक से रुपिया निकाल के अपना दुकान पर जात रहुवे जब पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी असलहा देखा के ओकरा के लूट लिहले स. पुलिस कवनो अपराधी के गिरफ्तार नइखे कर पवले. व्यवसायी वेस्टर्न … Read more

 300 total views

अदाकारा सोनाक्षी सिन्हा कबड्डी लीग टीम खरीदली

हिंदी सिनेमा के अदाकारा सोनाक्षी सिन्हा बुध का दिने विश्व कबड्डी लीग से जुड़ गइली. एह खातिर उ इंगलैंड के हेयरे ग्रुप के साझीदारी में एगो कबड्डी टीम ‘युनाइटेड सिंघ्स’ खरीद लिहली.  275 total views

 275 total views

मधुकर सिंह के गंगालाभ

भोजपुर निवासी चर्चित साहित्यकार मधुकर सिंह के लमहर बीमारी का बाद मंगल का दिने उनुका गाँवे, आरा जिला के धरहरा में, गंगालाभ हो गइल. मधुकर सिंह समानान्तर कथा आंदोलन के प्रमुख रहनी. मधुकर सिंह दू दर्जन उपन्यास आ सौ गोे ले बेसी कहानी लिखले बानी. मधुकर सिंह के गंगालाभ पर शोक जतावे वालन में अनेके … Read more

 238 total views

आरा के धनौती हाल्ट का लगे हादसा

मंगल 15 जुलाई के आरा-सासाराम रेलखंड पर धनौती हाल्ट का लगे रेलवे क्रासिंग पर एगो स्कूल वाहन रेल इंजन से टकरा गइल. एह हादसा में स्कूली वाहन के कचूमर निकल गइल आ हादसा में दू गो विद्यार्थियन के मौत हो गइल आ करीब एक दर्जन विद्यार्थी घाहिल हो गइलन.  295 total views

 295 total views

मोबाइल का चलते रेप बढ़ल बा : विनय बिहारी

भोजपुरी गीतकार आ बिहार के कला, संस्कृति मंत्री विनय बिहारी के कहना बा कि स्कूलन में मोबाइल के बेजा इस्तेमाल से यौन अपराधन में बढ़ोतरी भइल बा. गार्जियन लोग बिना दूर के सोचले अपना बेटा बेटियन के मोबाइल थमा देत बा आ ओकरा से होखत नुकसान के नइखे सोचत. विनय बिहारी एह बारे में भ्रूण … Read more

 311 total views