Archives for August 2014
बलिया के विजईपुर मुहल्ला में आजु सबेरे कुछ जुआड़ियन के पुलिस घेर के मारे लागल त जुआड़ी भाग निकलले सँ. बाद में एगो घवाहिल लड़िका के लाश कटहर नाला में मिलला का बाद से जनता खिसिया के जगदीशपुर चौराहा जाम क देले बिया. पुलिस प्रशासन मामिला सलटावे में लागल बावे. चौराहा पर पुलिस पूरा ताकत
बिहार विधानसभा के दस गो सीट ला भइल उपचुनाव में भाजपा लोजपा का खिलाफ राजद, जदयू आ कांग्रेस गठबन्हन के मिलत बड़हन जीत साफ बतावत बा कि बिहार के मोदी मंजूर नइखे. एहिजा बात नरेन्द्र मोदी के ना क के सुशील मोदी के होखत बा. नीतीश का सरकार में सुशील मोदी जे तरह उनकर पिछलगुआ
बिहार में दस में तीन पर भाजपा, सात लालू नीतीश राहुल गठबन्हन के कर्नाटक के तीन में एगो एनडीए दू गो कांग्रेस के पंजाब में दू में से एगो पर अकाली दल दुसरका पर कांग्रेस मध्य प्रदेश के तीन में से दू गो पर भाजपा आ एगो पर कांग्रेस कहे के मतलब कि अठारह में
भाजपा गठबन्हन राजनगगर. मोहनिया, बांका, हाजीपुर, आ नरकटियागंज से लालू गठबन्हन परबत्ता, छपरा, जाले, मोहिउद्दीननगर, आ भागलपुर से
राजद नेता लालू प्रसाद के तबियत खराब हो गइल बा आ उनुका के मुंबई के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बतावल जात बा कि आपरेशन करे के जरूरत पड़ सकेला.
बिहार के दस गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट आजु गिनात बा. अबहीं भाजपा गठबन्हन पाँच जगहा से आ लालू गठब्नहनो पाँचे सीट से आगे चलत बा. पिछला बेर भाजपा के छह गो सीट रहल आ लालू गठबन्हन के चार गो. एह हिसाब से भाजपा नुकसान में चलत बिया. परबत्ता से जदयू, मोहनियां
उपचुनाव ला भाजपा के उमीदवार तय नइखन. यूपी के विधानसभा सीटन खातिर होखे वाला उपचुनाव ला भाजपा अबही ले आपन उमीदवार नइखे तय कइले. बाकिर हर इलाका के चुनाव ला जिम्मेदारी जरूर तय क दिहले बिया कि कवना इलाका मे कवन कवन विधायक आ सांसदन पर जिम्मा रही भाजपा के जितावे के. बिजली संकट से
बिहार विधानसभा के दस गो खाली भइल सीटन पर आजु वोट डलाई, चुनाव के सही तरीका से करावे खातिर हर जगहा के प्रशासन चउकस बा, सारण जिला प्रशासन दियारा इलाका मे नावो से पेट्रोलिंग करावल तय कइले बा. बुध का दिने जगहे जगहे वाहन चेकिंग भइल. आजु सबेरे सात बजे से वोटिंग शुरू बा. छपरा
काल्हु सिवान मे महाबीरी जुलूस पूरा धूमधाम आ उमंग से निकलल. बीच मे बरखा भइला का चलते कुछ देर ले लागल कि उत्साह ठंडा पड़ जाई बाकिर बरखा रुकते फेरउ ओही उत्साह से जुलूस आगे बढ़त गइल. जय श्री राम आ जय बजरंगबली के नारा लगावत जुलूस जस जस ‘शांतिवट’ के पार करत गइल तस
उत्तर प्रदेश सरकार निर्देश दिहले बिया कि अब से एके हजार के आबादी प ग्राम पंचायत बना दिहल जाई. पहिले कम आबादी रहला पर दू गो, तीन गो गाँव मिला के पंचायत बनावल जात रहे. आबादी के आधार साल 2011 के जनगणना मानल जाई. एह बाबत अब जिला प्रशासन नया पैमाना पर ग्राम पंचायत बनावे
थावे इलाका के गवंदरी गांव में बुध का सँझिया मे एगो आदमी अपना भउजाई के गड़ासी से काट के मुआ दिहलसि. हत्या कइला का बाद हत्यारा देवर भाग निकलल. मरे वाली ओरत के नाम बेबी खातून बतावल जात बा. एगो दोसर घटना मे कटेया इलाका के तिवारी छपरा गाँवो मे एगो देवर अपना भउजाई के
बलिया जिला के रसड़ा इलाका के डेहरी गांव में बुध का भोर मे बाप से डटईला से नाराज होके बेटा फांसी लगा लिहलसि. कई दिन से स्कूल ना जाए से नाराज बाप डटलन त उ अपना कोठरी मे चल गइल आ दरवाजा बंद क के फांसी लगा लिहलसि. कुछ देर बाद लोग कोठरी खोलवावे के
मोतिहारी से कोलकता खातिर गेहूं लाद के चलल ट्रक के ओकर ड्राइवर बीचे मे कहीं से गायब क दिहले बा. ना त ट्रक के पता लागत बा ना ओकरा चालक के. मोतिहारी राधानगर के ट्रक मालिक एह मामिला मे नगर थाना मे केस लिखववले बाड़न.
लोग के अफवाह पर कान देबे से बचे के सलाह देत भोजपुर के डीएम के कहना बा कि जिला मे कतही ना त बाढ़ बा ना ओकर कवनोअनेसा बा. बतवलन कि बड़हरा मे गंगा नदी खतरा का निशान से अढ़ाई मीटर नीचे बहत बाड़ी.
आरा जिला के बहोरनपुर इलाका के उमरावगंज गांव का इनार मे गिरला से गाँवे के चौबीस बरीस के एगो नवही डूब के मर गइल. पुलिस बुध का दिने लाश कब्जा मे ले क पोस्टमार्टम करावे ले गइल. मामिला के जाॅच चलत बा कि हादसा रहे कि खुदकुशी.
सारण जिला के दाउदपुर इलाका के बरवा खुर्द गाँव के एगो नवही तीन बरीस बाद घरे चहुँपल. ओकरा गायब भइला का बाद ओकर बाप थाना मे अपहरण के केस लिखववले रहन. लढ़िका के लवटला के सूचना थाना के दिहल गइल त पुलिस आ के लड़िका के ले गइल आ कोर्ट ले जा के सेक्शन 164
सारण जिला के दाउदपुर इलाका के दुमदुमा गाँव मे एगो पागल सियार पिछला कई दिन से लोग के हलकान कइले रहुवे. उ कई लोग के काट चुकल रहे आ बुधो का दिन एगो आदमी पर हमला बोल के ओकर मुॅह नोच डललसि. एह पर लोग ओह पागल सियार के घेर के पीट पीट के मुआ
रोहतास जिला के डेहरी-आन-सोन टीसन प बुध का दिने कालका मेल पर चढ़त एगो नवही नीचे गिर गइल आ ओकर मौत कटा के हो गइल. मरे वाला नवही औरंगाबाद जिला के नवीनगर के रहे. भीड़ का चलते जेनरल डिब्बा मे चढ़ ना पावल आ लटके का फेर मे नीचे गिर गइल.
बक्सर के पुलिस अधीक्षक सगरी थानन के फरमान जारी कइले बाड़न कि पन्दरह दिन का भीतर सगरी वारंटियन के जेल का भीतर होखे के चाहीं. कवनो अपराधी के छुट्टा घूमे के मौका मत दिहल जाव. अब हर थानेदार अपना इलाका के वारंटियन के सूची बनावे मे लाग गइल बाड़े.
जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के नेवादा गांव में मंगल का रात छत का रास्ते सीढ़ी से उतर के एगो घर से पाँच लाख रुपिया के गहना चोरा लिहलन स. सबेरे घरवालन के पता लागल त थाना मे शिकायत लिखवावल लोग. पुलिस तहकीकात करत बिया.
Older Posts››