web analytics

बरेजा के ठाकुरबाड़ी में नवही के लाश मिलल

सारण जिला के दाउदपुर थाना के बरेजा गांव के ठाकुरबाड़ी में बुध का सबेरे एगो नवही के लाश पड़ल मिलल जवना के देखे ला बहुते लोग जुटल. बाद में ओकरा पाकिट से मिलल वोटर आई डी कार्ड से पता चलल कि ऊ माँझी थाना के घोरघाट गाँव के मोतीलाल यादव के बेटा ब्रजेश ह.
हत्या कब भइल, काहे भइल एह सब के पता लगावे में पुलिस लागल बिया.

 267 total views,  5 views today

%d bloggers like this: