आर्मी ट्रेनिंग कैंप से लापता बा हरपुर के नवही
August 17, 2014
सारण जिला के एकमा थाना के हरपुर गांव के एगो नवही चार महीना पहिले आर्मी मे चुना गइल त घर वालन के खुशी के पार ना रहे. फेर ट्रेनिग ला नवही घर से गइल बाकिर पिछला महीना कैम्प से फोन आइल कि राउर लड़िका कैम्प से लापता हो गइल बा. तब से बेहाल घरवाला ओकर पता ठिकाना लगावे मे बेजार बाड़े बाकिर कवनो ताह नइखे लागत.