गाजीपुर के टाउन पीजी कालेज मे दाखिला मे होखत गड़बड़ियन का खिलाफ विद्यार्थी धरना प बइठल बाड़े. जमानिया हिन्दू पीजी कालेज मे सीट बढ़ावे के माँग होखत बा. एह खातिर विद्यार्थी कार्यालय प ताला लगा के धरना देत सड़को जाम कइलन. प्राचार्य से बातचीत का बावजूद मामिला के हल ना निकल पावल.