मंगल का दिने तिवारीपुर इलाका के सूरजकुंड पोखरा से पुलिस एगो लाश बरामद कइलसि. देखला से लाश पचीस साल के कवनो युवती के लागत बा. अगल बगल के लोग बतावत कि ई पगली रहुवे. ओकरा लगे से एगो ट्यूब मिलल जवना के इस्तेमाल नजेबाज करेले. पुलिस के लागत बा कि नशा का हालत मे ई डूब गइल होखी. साथही कवनो दोसरा अपराधियो के करतूत हो सकेला. पुलिस तफतीश मे लागल बिया.