web analytics

सीसैट का खिलाफ मंगल का दिने गोरखपुर बंद

लोकसेवा आयोग के परीक्षा से सीसैट सिस्टम हटावे के माँग करत कुछ राजनीतिक गोल आ संगञन काल्हु गोरखपुर बंद के गोहार कइले रहले. एहमे आम आदमी पार्टी, भाकपा माले, जनता दल युनाइटेड, पूर्वाचल सेना, अंबेडकरवादी छात्रसभा, जन संस्कृति मंच वगैरह शामिल रहले. एह लोग के इहो माँग रहल कि 24 अगस्त के होखे वाला परीक्षा टार दिहल जाव. बशद के कवनो खास असर देखे के ना मिलल.

 130 total views,  10 views today

%d bloggers like this: