गवंदरी में अपना भउजाई के गड़ासी से काट दिहलसि देवर
August 21, 2014
थावे इलाका के गवंदरी गांव में बुध का सँझिया मे एगो आदमी अपना भउजाई के गड़ासी से काट के मुआ दिहलसि. हत्या कइला का बाद हत्यारा देवर भाग निकलल. मरे वाली ओरत के नाम बेबी खातून बतावल जात बा.
एगो दोसर घटना मे कटेया इलाका के तिवारी छपरा गाँवो मे एगो देवर अपना भउजाई के पीट पीट के मुआ दिहलसि.