ट्रेन चढ़त मे गिर के नवही कटाइल

रोहतास जिला के डेहरी-आन-सोन टीसन प बुध का दिने कालका मेल पर चढ़त एगो नवही नीचे गिर गइल आ ओकर मौत कटा के हो गइल. मरे वाला नवही औरंगाबाद जिला के नवीनगर के रहे. भीड़ का चलते जेनरल डिब्बा मे चढ़ ना पावल आ लटके का फेर मे नीचे गिर गइल.