Go to ...
RSS Feed

Archives for August 2014

किराना दुकानदार के हत्या

मंगल के देर रात बलिया जिला के नगरा इलाका मे बिहराहरपुर चट्टी पर किराना दुकान चलावे वाला दुकानदार के हत्या क दिहले स चोर. बतावल जात बा कि बगल के सर्राफा दुकान मे चोरी के कोशिश करत चोरन के टोकलन त उ इनके के ध ले गइलन स आ कुछ दूर ले जा के इनकर

टूटल सड़क का खिलाफ गाँव वालन के अन्दोलन

गाजीपुर जिला के ताड़ीघाट-बारा रोड ठूटला का चलते ओह पर चलल मुश्किल हो गइल बा. रोड बनवावे के माॅग करत गाँव वालन कि समुझावे चहुँपल जमानिया एसडीएम चुपचाप लवट गइलन. पिछला तीन दिन से लोग तिलवां चट्टी पर धरना दिहले बा.

दादी के दाहसंस्कार में गइल लड़िका डूबल

अपना दादी के दाह संस्कार मे गाजीपुर के पोस्ताघाट पर आइल लड़िका दाह का बाद नहात घरी डूब गइल. देर ले ओकर लाश खोजे के कोशिश का बादो रात ले लाश ना मिल पावल. लड़िका सोहिलापुर (भुतहियाताड़) गाँव के रहुवे.

गाजीपुर पीजी काॅलेज मे दुसरको दिने धरना जारी रहल

गाजीपुर पीजी कालेज के अनुसूचित छात्रन के धरना बुधो के जारी रहल. छात्रन के कहना बा कि प्रशासन ओह लोग के डेरवावत बा. कहऽता लोग कि हमनी के अनुसूचित जाति के होखला का चलते हमनी के जायजो माँग दबावे के कोशिश होखत बा.

बलिया मे फोटो पत्रकारन के सम्मानित कइल गइल

मंगल के रात बलिया के अशोका होटल मे आयोजित एगो समारोह मे बलिया के फोटो पत्रकारन के जगत स्मृति सम्मान से सम्मानित कइल गइल. आयोजन बलिया विज्ञान क्लब आ माँ सुरसती सेवा संस्थान का तरह से विश्व फोटोग्राफी दिवस पर बोलावल गइल रहुवे. पिछला साल से शुरू भइल एह कार्यक्रम के बलिया के लोकप्रिय फोटो

वाराणसी मे मिनी पीएमओ

आजु बुध का दिने वाराणसी के रविन्द्रपुर कालोनी भेलूपुर मे भाजपा अध्यक्ष आमित शाह एहिजा के सांसद आ देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के संसदीय कार्यालय के उद्घाटन करीहे. एकरा के लोग मिनी पीएमओ कहे लागल बा. बतावल जात बा कि एह कार्यालय से भाजपा पूरा पूर्वांचल आ बिहारो पर नजर राखी आ अगिला चुनाव

बिहार विधानसभा के उपचुनाव प सभकर नजर

बिहार के दस गो विधानसभा सीट खातिर होखे जात उपचुनाव प सभकर नजर टिकल बा. भाजपा नेता लोग के कहना बा कि परिणाम चउँकावे वाला होखी आ दसो सीट राजग का पाले आई. जबकि विरोधी जदयु-राजद-कांग्रेस वालन के दावा बा कि दसो सीट उहे जीतिहें. भाजपा नीतीश-लालू गठबंधन के ठगबंधन बतावत बिया. कुछ दिन पहिले

बरौली नगर पंचायत अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष के हटावल गइल

गोपालगंज जिला के बरौली नगर पंचायत अध्यक्ष राजेन्द्र साह आ उपाध्यक्ष अजमेरी खातून का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव भारी बहुमत से पास हो गइल. एह लोग का खिलाफ सतरह वोट आ एह लोग का पक्ष मे साते गो वोट पड़ल.

बाढ़ में डूबल आदमी का बारे मे जानकारी लेबे आइल विधायक के हाथ टूटल

गोपालगंज के सिधवलिया मे डुमरिया गाँव का लगे पानी मे डूबला से एगो आदमी के मौत हो गइल. खबर सुन के पुछारी मे चहुँपल विधायक मंजीत कुमार सिंह बाढ़ का पानी मे बिछला के गिर पड़लन जवना चलते उनुकर हाथ टूट गइल.

सिवान पुलिस लंगड़ा के गिफ्तार कइलसि

सिवान पुलिस मंगल का दिने कचहरी रोड दुर्गा मंदिर का नियरा से एगो बदमाश लंगड़ा के असलहा समेत गिरफ्तार क लिहलसि. लंगड़ा बंधुहाता गाँव के इकबाल मियां हवे. ओकरा लगे से मिलल असलहा मे पुलिसिया पिस्तौलो बावे जवना का बारे मे पुलिस लंगड़ा से पूछताछ करत बिया कि ओकरा हाथे ई पिस्तौल कइसे लागल.

घर भसला से वार्ड सदस्य के महतारी के मौत

चकिया के मानसी छपरा गांव में एगो मकान भसला से पैंसठ साल के एगो बूढिया के मौत हो गइल. घर भुवन छपरा पंचायत के वार्ड सदस्य सुदिष्ट राम के रहल आ मरेवाली उनुकर महतारी रहली.

परीक्षा फार्म ना जमा होखला से नाराज लड़िका हाइवे जाम कइले

भोजपुर जिला के पीरो बीएसएस डिग्री कालेज के विद्यार्थी हाईवे जाम क दिहले. एह लोग के शिकायत रहुवे कि कालेज प्रशासन एह लोग के स्नातक पार्ट 2 आ पार्ट 3 के परीक्षा फार्म जमा नइखे लेत. करीब दूं घंटाले ई लोग हाईवे जाम क के कालेज प्रशासन का खिलाफ नारेबाजी कइल.

पकवाइनार का लगे एगो अधबूढ कचराइल

रसूलपुर चैनपुर सड़क प पकवाइनार का लगे सराँव गाँव के पचपन साल के परदेसी साह सबेर मे दिसा मैदान ला निकलल रहुवन जब एगो मोटरसाइकिल उनुका के कचारत भाग गइल. ओह मोटर साइकिल पर तीनलोग सवार बतावल जात बा.

गंडक का बाढ़ से परसा परेशानी मे

पिछला दू दिन से गंडक के पानी लगातार बढ़ल जात बा. अह चलते प्रखशड के दर्जनो गाँव बाढ़ का चपेटा मे आ गइल बाडी स. दियारा के मुराही, बलिगांव, बहलोलपुर, मनकीमाल, परसादी दियारा, बांखे, तलरहियां, बभनगांवा दियारा वगैरह गाँवन मे सैकड़ो एकड़ भूमि में धान, करैला, बैगन, कुंदरी, मक्का के फसल बरबाद होखे लागल बा.

सारण के पाँच गो चावल मिल पर मुकदमा दर्ज

राज्य खाद्य निगम से धान लेके करोड़ो रुपिया के चाउर पचा जाए वाला पाँच गो चावल मिल मालिकन पर निगम का तरफ से मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. ई लोग निगम से धान त लिहल बाकिर ओकर चावल निकाल के ना दिहल. अब एह लोग का खिलाफ निगम नीलामी के दावा ठोकले बिया.

रोहतास जिला के सुसाड़ी मे धान असमय फरे लागल

रोहतास जिला के संझौली प्रखंड के सुसाड़ी गाॅव के दू दर्जन किसान कपारे हाथ धइले बाड़े. ई लोग अपना खेत मे एग्रीगोल्ड मसूरी धान लगवले रहल जवना मे समय से बहुते पहिले बाली निकले लागल बा जबकि एकरा के रोपल अबही मुश्किल से तीन हफ्ता भइल बा.

मऊ मे घाघरा अफनाइल

मऊ के चिउंटीडांड़ रिंगबांध घाघरा के बाढ़ मे टूटे का कगार प आग गइल बा. हर घंटा एक से॰मी॰ का रफ्तार से बढ़त घाघरा नदी अवराडांड़ में नदी मे खतरा का निशान से बहुते उपर बहत बिया. पानी का टक्कर से किनार प नीचही नीचे खोह बने के अनेसा होखत बा जवब कबहियो कटान मे

जीप के धक्का से विद्यार्थी के मौत

जौनपुर जिला के मड़ियाहूं इलाका के सेऊर गांव का नियरा साइकिल से विद्यालय जात एगो छात्र ले एगो जीप वाला धक्का मार दिहलसि. एह हादसा मे घवाहिल ओह लड़िका के इलाज का दौरान अस्पताल मे मौत हो गइल.

लड़िकी संगे धराइल हित के जम के धुनाई

देवरिया जिला के एकौना इलाका के एगो गाँव मे अपना भाई के ससुराइल हित के सोमार का रात कुछ लोग एगो लड़िकी संगे देख के ध लिहल आ जम के धुनाई क दिहल. मंगल का दिने दुनू ओर से बीछ बचाव ला पर पंचतई का बाद सुलह समझौता हो गइल. लड़िका गोरखपुर जिला के गगहा

Older Posts›› ‹‹Newer Posts