web analytics

बलिया के महावीरी झंडा जुलूस के तइयारी आखिरी दौर में

हर साल राखी दिने बलिया में निकले वाला महाबीरी झंडा के जुलूस ला एक तरफ अखाड़ा अपना तइयारी में लागल बाड़े त दोसरा ओर पुलिस आ प्रशासन आ हालात काबू में राखे के आपन योजना बनावे में लागल बिया. पूरा किलाबंदी बिशुनीपुर मस्जिद का चारो तरफ करे के पड़ेला काहे कि अखाड़न के दबाव रहेला … Read more

 699 total views

देवरिया में घाघरा आ गोर्रा नदी उफान पर

देवरिया में घाघरा आ गोर्रा नदियन के उफान थमे के नाम नइखे लेत/ बियफे का दिने घाघरा के पानी पाॅच से॰मी॰ उपर चढ़ल पानी का दबाव से परसिया के पुल भस गइल. ओने गोर्रा नदी नारायणपुर गाँव लीले ला बेयाकुल लूकत बिया. कछार इलाका से गुजरे वाला गोर्रा नदी हर बाढ़ में कहर बरपावेले बाकिर … Read more

 346 total views

साल 2013 में दंंगा का मामिला में उत्तर प्रदेश सबले उपर रहल

साल 2013 में देश भर में सबले अधिका दंगा उत्तर प्रदेशे में रहुवे. एहिजा कुल 247 गो दंगा के घटना दर्ज भइल रहे. साल 2014 में राज्य एह मामिला में आपन मौजूदगी ओही तरह बनवले बा. पिछला साल देश भर में 823 गो दंगा भइल रहुवे जवना में 133 लोग मराइल रहे. अकेले यूपी में … Read more

 338 total views

मायावती यूपी में राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइली

उत्तरप्रदेश के कानून व्यवस्था के हालात में दिन पर दिन आवत गिरावट देखत बसपा सुप्रीमो आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती एक बेर फेरू राज्य में राष्ट्रपति शासन लगावे के माॅग कइले बाड़ी. उनकर कहना बा कि राज्य के कानून व्यवस्था रोजे बिगड़ल जात बा आ भाजपो के लोग सपा से मिल जुल के हालात … Read more

 359 total views

बिहार के कवनो पुलिस अधिकारी के सरकार जाबांज नइखे मानत

हर साल स्वतंत्रता दिवस का मौका पर देश के जाबांज पुलिस अधिकारियन के सम्मानित कइल जाले. बाकिर अबकी बिहार सरकार का तरफ से एह सम्मान ला कवनो पुलिस अधिकारी के नाम नइखे पठावल गइल.  365 total views

 365 total views

गया बम विस्फोट का बाद लागल पांच किलो के सिलेंडर पर रोक हटल

गैस कंपनियन के गोहार पर आ विद्यार्थियन आ छोट परिवारन के दिक्कत धेयान में राखत बिहार सरकार पाॅच किलो वाला गैस सिलेंडर पर लगावल रोक हटा दिहलसि. पिछला साल जुलाई मे बोधगया विस्फोट में अइसने सिलिंडर के इस्तेमाल भइल रहुवे.  250 total views

 250 total views

बरेजा के ठाकुरबाड़ी में नवही के लाश मिलल

सारण जिला के दाउदपुर थाना के बरेजा गांव के ठाकुरबाड़ी में बुध का सबेरे एगो नवही के लाश पड़ल मिलल जवना के देखे ला बहुते लोग जुटल. बाद में ओकरा पाकिट से मिलल वोटर आई डी कार्ड से पता चलल कि ऊ माँझी थाना के घोरघाट गाँव के मोतीलाल यादव के बेटा ब्रजेश ह. हत्या … Read more

 389 total views,  2 views today

चावल मिल मालिक बेहोश मिलले

करीब एक हफ्ता पहिले किडनैप भइल नोखा के श्रीखिडा निवासी चावल मिल मालिक मुकेश सिंह पिछला मंगल का रात में सासाराम टीसन पर डाउन धनबाद-लुधियाना ट्रेन के एगो बोगी से उतारल गइले. बेहोशी का हाल में मिलल मुकेश के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल बा. पुलिस किडनैप भइला का बादे से तफतीश में … Read more

 312 total views

गंगा आ घाघरा के पानी बढ़ाव पर

बलिया जिला में घाघरा आ गंगा के पानी तेजी से बढ़ल जात बा. बुध का दिने बिल्थरारोड में घाघरा नदी के पानी खतरा का निशान से महज 22 से॰मी॰ नीचे रहि गिल बा. तुर्तीपार-हाहा नाला बंधा ले चहुँपल पानी से सैकड़ो एकड़ जमीन डूब चुकल बा. गंगो नदी के पानी हर घंटा तीन से॰मी॰ के … Read more

 324 total views

डाक्टरन के कमी देखत बिहार सरकार गॅवई डाक्टर के सिखावे पढ़ावे के योजना बनवलसि

बिहार सरकार अब गाँव देहातन में अपना अधकचरा जानकारी का सहारे लोग के ईलाज करत नीम हकीमन के एक साल के ट्रेनिंग दिआवे के योजना बनवले बिया जवना का बाद एह लोग के सेवा राष्ट्रीय स्वास्थ्य योजना खातिर लिहल जा सकी. एह एक साल के ट्रेनिंग लेबे वालन के करीब साढ़े पाॅच हजार रुपिया फीस … Read more

 289 total views

बाइक आ ट्रक के टक्कर में मासूम के मौत

उभांव थाना के तिरनई गांव का नियरा एगो ट्रक एगो बाइक के धक्का मार दिहलसि जवना से ओह पर के सवारी घवाहिल हो गइले आ एगो मासूम के मौत हो गइल. फरसाटार के राजू राजभर अपना भउजाई आ भतीजा भतीजी के अपना मोटर साइकिल से ले जात रहल जब ई हादसा भइल आ चार साल … Read more

 303 total views

बलिया डीपी ज्वेलर्स से पचास लाख के रंगदारी माँगल गइल

गँवे गँवे बलियो में अपराधी हावी होखे लागल बाड़े सँ. अब हाल ई बा कि शहर के एगो बड़हन आ प्रतिष्ठित गहना दुकान डीपी ज्वेलर्स के मालिक पिंटू सर्राफ से पचास लाख रुपिया रंगदारी माँगल गइल बा. अपराधियन के बार बार आवत फोन से हलकान हो के व्यापारी थाना में रपट दर्ज करवले बाड़न जहाँ … Read more

 450 total views,  1 views today

बलिया में पाँच गो नया स्टेडियम बनावल जाई

भारत सरकार के खेल मिशन अभियान का तहत बलिया जिला में पाँच गो नया स्टेडियम बनावे के तय भइल बा. हर स्टेडियम में तीन गो कोचो बहाल कइल जइहें जवना में से एगो महिला कोच होखी. एह स्टेडियमन के बनावे में आठ करोड़ रुपिया खरचा होखे के अनुमान बा.  319 total views

 319 total views

यूपी में परीक्षाफल निकले में होखत ढिलाई प कुलाधिपति कड़ेर

यूपी में उच्च शिक्षा में सुधार आ समय से परिणाम जारी करावे में विश्वविद्यालयन के ढिलाई पर राजभवन कड़ेर रुख अपना लिहले बा. राज्यपाल राम नाईक सगरी कुलपतियन के पाती पठवले बाड़न आ ओह लोग से 31 जुलाई का बादो ना निकलल परिणामन का बारे में जानकारी मँगले बाड़न. लिखले बाड़न कि परीक्षा समय से … Read more

 434 total views

आरा महाराजा कालेज में गुण्डागर्दी

बुध का दिने महाराजा कालेज में विद्यार्थियन के गुंडागर्दी देखे के मिलल जब कुछ लड़िका प्राचार्य कक्ष पर ढेला पत्थर चला के शीश तूड़ले, शेड उखड़ले, कुर्सी तूड़ दिहले आ आल्मारी तूड़े के कोशिश कइले. जगड़ा शुरू भइल जब सबेरे दाखिला खातिर फार्म जमा करावे चहुँपल विद्यार्थियन के इलाहाबाद बैंक के काउंटर पर चालान जमा … Read more

 362 total views

बनारस में बड़हन हादसा

वाराणसी के बेटावर घाट से करीब चालीस गो सवारी आ कुछ मोटरसाइकिलो लेके चुनार कोतवाली के गंगपुर घाट खातिर चलल मोटरबोट गंगा के बीच धार में डूब गइल. एह हादसा में करीब दू दर्जन लोग त पँवड़ केबाहर निकल आइल बाकिर 18 लोग डूब गइल. एहमें से एगो लाश मिल गइल बा आ बाकी लोग … Read more

 344 total views

हिंदू जनजागृति समिति के विरोध का बाद सिंघम रिटर्न्स से हिन्दू विरोधी सीन हटावल जाई

बालीवुड आ देश के मीडिया मेश फैशन हो गइल बा हिन्दुत्व विरोधी बात के आहमियत देबे के. अजय देवगन आ करीना कपूर के आवे वाली फिलिम ‘सिंघम रिटर्न्स’ मेश बहुते अइसन सीन डालल गइल बा जवन हिंदूवन के ठेस चहुँपावे वाला बा. एकरा खिलाफ हिंदू जनजागृति समिति के आ सोशल मीडिया पर विरोध देखत फिलिम … Read more

 305 total views

इंग्लैंड संगे होखे वाला बीसबीसा आ पाँच गो एकदिना मैच ला टीम तय

आजु मुंबई में भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के मुख्यालय में अखिल भारतीय सीनियर चयन समिति इगलैंड में होखेवाला पाँच गो एकदिना मैचन ला अपना टीम के एलान क दिहलसि. बीसीसीआई से जारी प्रेस रिलीज में कहल गइल बा कि टीम के खिलाड़ियन में महेंद्र सिंह धोनी (कप्तान/विकेटकीपर), विराट कोहली, शिखर धवन, रोहित शर्मा, अजिंक्य रहाणे, … Read more

 320 total views

सुरसंग्राम विजेता रहल मोहन राठौर दोसर बिआह करे का फेर में.

भोजपुरी गायक मोहन राठौर के मेहरारू प्रशासन से गोहार लगवले बाड़ी कि उनुका मरद के दोसर बिआह करे से रोकल जाव. अपना प्रार्थना पत्र में मोहन राठौर के पत्नी निर्मला लिखले बाड़ी कि कुछ दिन पहिले मोहन उनुका से दोसर बिआह करे के अनुमति माँग उनकर सुख चैन छीन लिहले बाड़न. लिखले बाड़ी कि मोहन … Read more

 297 total views

ठनका गिरला से कई लोग के मौत

बलिया जिला के सिंकदरपुर आ बैरिया इलाका में शनिचर का दिने ठनका गिरला से दू जने के मौत हो गइल. देवरियो मेश चकियावां तिराहा, रुद्रपुर के पकड़ी, बैरिया घाट चौराहा आ एकौना के सचौली पटवनियां, बरहज के टड़िया, आ पथरदेवा के लाला टोला में ठनका गिरला कई लोग के मरे आ झँउसे के खबर बा. … Read more

 361 total views