Archives for September 2014
बिहार आ यूपी के खबर – आरा के तरारी थाना प्रभारी विजय प्रसाद राय ठीक से काम ना करे का आरोप में पुलिस अधीक्षक राजेश कुमार का आदेश से तुरत प्रभाव से निलंबित क दिहल गइले. भोजपुर जिला के नारायणपुर थाना के अहिले गांव का नहर से सोमार का दिने पुलिस तीस बरीस के एगो
बिहार आ यूपी के खबर – बलिया के रसडा में शनिचर के रात एगो पेट्रोल टैंकर पलटला का बाद ओहमें आग लाग गइल आ ओहसे झँउस के छह लोग के जान चल गइल आ बीसन लोग घवाहिल हो गइल बा. सारण जिला के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी का अदालत परिसर में पिछला हप्ता भइल बमबाजी का
बिहार आ यूपी के खबर – छात्रवृति खातिर खोलाइल बैंक खाता में न्यूनतम राशि राखे के प्रतिबंध हटावल गइल. गोपालगंज के माझा इलाका के छवही पंचायत के मुखिया अजहर हुसैन के इलाज का दौरान भइल मौत का बाद खिसियाइल लोग जम के हंगामा कइल. आजम खान के कहना बा कि जबले जीहें तबले जौहर विश्वविद्यालय
बिहार आ यूपी के खबर – चंदौली के सदर कोतवाली इलाका में आजु शुक का दिने ट्रेन से कटा के एगो बूढ़ के मौत हो गइल. उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग से चुनाइल 2001 एमबीबीएस डाक्टरन से आपन पसंदीदा जिला बतावे के कहल गइल बा. सूची विभागीय वेबसाइट पर मौजूद बा. सारण जिला के तरैया
बिहार आ यूपी के खबर – कुशीनगर जिला के हाता इलाका में भइल एगो कांस्टेबल के मौत का बाद ओकर परिजन गोरखपुर के गुलहरिआ इलाका में जाम लगवलन. उत्तर प्रदेश कांग्रेस के कुछ बड़का नेता 28 सितम्बर के होखे वाला पार्टी के चिन्तन शिविर में शामिल ना होखे के फैसला कइले. सिवान जिला के भगवानपुर
बिहार आ यूपी के खबर – दिवंगत गोरक्षपीठाधीश्वर महंत अवैद्यनाथ के श्रद्धांजलि सभा गोरखपुर में भइल जवना में साधु सन्त, हिन्दू संगठन के पदाधिकारी आ भाजपा नेता शामिल भइले. एह सभा में कहल गइल कि राम मंदिर बनवावे के महंत जी के संकल्प हर हाल में पूरा कइल जाई. बिहार का मुजफफरपुर जिला के गायघाट
बिहार आ यूपी के खबर – यूपी के राज्यपाल नाम नाईक कुलपतियन के समय सीमा का भितरे परीक्षा करावे, परिणाम घोषित करे आ नया सत्र शुरू करावे के निर्देश दिहले. इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश दिहले बावे कि कंपनीबाग में कवनो तरह के व्यावसायिक भा सामाजिक समारोह ना कइल जा सके. बिहार के जल संसाधन मंत्री
टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर) आरा रमना मैदान के सांस्कृतिक भवन में होखत एगो समारोह का दौरान कुछ लोग एगो आदमी के चोर बता के जमा के धुनाई क दिहल. आधा घंटा ले पिटाई चलत रहल बाकिर पुलिस के कहीं पता ना रहे. बहोरनपुर
टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर) तरारी थाना क्षेत्र के हरदिया गाव में दहेज खातिर बियहुता के हत्या करे आ सुबुत मेटावे के मामिला सामने आइल बा. मरे वाली के भाई ओकरा पति समेत आठ जने प मुकदमा लिखववले बाड़न. शुक का दिने पीरो, ईमादपुर, अगिआव
टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर) गजराजगंज चौकी के मसाढ़ गांव में बियफे रात पड़ल छापा में भूसा में लुका के राखल डेढ़ क्विंटल गांजा बरामद भइल बाकिर अपराधी भाग निकलल. नवादा थाना के बाइपास बस पड़ाव पर बियफे का दिने छापा मार के छह गो
टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर) अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद बक्सर के एमवी कालेज में मंगल का दिने छात्र सम्मेलन सह कालेज इकाई पुनर्गठन समारोह मनवलसि जवना के अध्यक्षता अभाविप के नगर उपाध्यक्ष डा.यशवंत कुमार कइलन. बक्सर रामलीला मैदान में मंगल का दिने विधि विधान
टटका जानकारी आजु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. आजुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें आ अहमदाबाद से यात्रा के शुरुआत करीहें. खास बात बा कि एह दौरान भारत के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी चीन के यात्रा पर बाड़ें. टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के
टटका जानकारी आजु 33 गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट गिनल जाई. ठठको में टटका खबर खातिर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर जाईं. आजु जिउतिया पर्व ह. काल्हु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. काल्हुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें. टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ
टटका जानकारी आजु जिउतिया के नहाय खाय ह. उपचुनाव के वोट काल्हु गिनल जाई. जिउतिया काल्हु मनावल जाई. टटका आरा जीत दिल्ली में आ जुलूस आरा में. जेएनयू छात्रसंघ चुनाव में नक्सली समर्थक आइसा के जीत पर आरा शहर में जुलूस निकालल गइल. तरारी प्रखंड के ईमादपुर थाना के चारूग्राम में जमीन कब्जा के विवाद
टटका आरा डेहरी आन सोन में बिजली के नया कनेक्शन देबे खातिर 18 तारीख से शिविर लगावल जाई. बिक्रमगंज थाना के धारुपुर में एगो ढोंगी धन दुगना करे का नाम पर पांच लाख रुपिया नगद आ लाखों के गहना ले के भाग गइल बा. अब ओकरा खिलाफ थाना में केस लिखवावल गइल बा. सासाराम में
टटका जानकारी आजु हिन्दी दिवस ह. आजुए जेएनयू के छात्रसंघ चुनाव के रिजल्ट आवे वाला बा. जिउतिया परसो 16 सितंबर के मनावल जाई. 13 सितंबर के पड़ल वोट 16 सितंबर के गिनल जाई. 17 सितंबर के विश्वकर्मा जयन्ती आ नरेन्द्र मोदी के जन्म दिन पड़ी. ओही दिन चीन के राष्ट्रपति भारत यात्रा पर अइहें आ
टटका भारत गोरक्षनाथ मंदिर के बड़का महंत अवेद्यनाथ जी गोलोकवासी हो गइनी. शुक का साँझ 97 साल का उमिर में गुड़गांव के मेदांता अस्पताल में उहाँ के मौत हो गइल. महंत अवेद्यनाथ योगी आदित्यनाथ के राजनीतिको गुरू रहनी. गोरखपुर से चार बेर सांसद रहल महंत अवेद्यनाथ के जनम 28 मई 1921 का दिने भइल रहे.
टटको में टटका खबर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर प्रकाशित होखल करी आ दिन भर के खबर बिटोर के बाद में एहिजा सिलसिलेवार डालल जाई. टटका भारत करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में आरोपी आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल तृणमूल कांग्रेस नेता रजत मजुमदार के 16 सितंबर तक ले सीबीआई के हिरासत
टटका बिहार पटना पुलिस कार्यालय में पेंशन प्रभारी के पद पर काम करत प्रशिक्षु अवर निरीक्षक दिनेश कुमार सिंह के बुध का दिने चार हजार रूपिया घूस लेत घरी गिरफ्तार कर लिहल गइल. मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के कहना बा कि उनुका सरकार में कैबिनेट में शमिल होखे का बारे में फैसला राजद आ कांग्रेस
टटका भारत जम्मू-कश्मीर के बाढ़ वाला इलाकन से 50 हजार से अधिका लोग के सेना आ राष्ट्रीय आपदा कार्रवाई बल बचा लिहले बिया, एह बचावल लोग में नेपाल के राजदूत आ उनका संगेे गइल 17 लोग, आ गोल्फ के सार्क टीम के 28 गो पाकिस्तानी खिलाड़ीओ शामिल बाड़े. बरखा त रूकल बा बाकिर हालात अबहियों
Older Posts››