web analytics

बिहार के मुख्यमंत्री व्यापारियन के कालाबाजारी करत रहे के कहले

बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी व्यापारियन के एगो सभा में कहलन कि उनुका मालूम बा कि छोटका व्यापारी आपन घर चलावे आ बाल बच्चा के बढ़िया स्कूल में पढ़ावे खातिर कालबाजारी करेलें. से कहले कि टरला के कवनो जरूरत नइखे. राज्य सरकार ओह लोग ला मुलायम रही.

जबले लोग जीतन माँझी के बयान से उबरीत तबले बिहार के कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह कह दिहलें कि देश के हर आदमी का लगे करियका धन बा. कहलन कि हमनी किहाँ जवन लाख करोड रुपिया इन्कम टैक्स मे बिना देखावल बा अगर देखा दिहल जाव त अधिका धन टैक्से में चल जाई आ उपर से एह बात के जवाब देबे के पड़ी कि कहाँ से आइल इ रुपिया. एहसे उ केन्द्र सरकार के सलाह दिहले बाड़न कि विदेश से करिया धन जरूर ले आवल जाव बाकिर देश के करिया धन के उजर मान लिहल जाव. पूछल मत जाव कि कवना कमाई के धन ह ई आ जहिया से सामने लावल जाव ओह दिन का बादे से ओकरा पर टैक्स लागे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: