टटका एबीसीडी : 14 सितंबर 2014


टटका आरा


डेहरी आन सोन में बिजली के नया कनेक्शन देबे खातिर 18 तारीख से शिविर लगावल जाई.

बिक्रमगंज थाना के धारुपुर में एगो ढोंगी धन दुगना करे का नाम पर पांच लाख रुपिया नगद आ लाखों के गहना ले के भाग गइल बा. अब ओकरा खिलाफ थाना में केस लिखवावल गइल बा.

सासाराम में पुरनका जीटी रोड पर मंडल कारा का सोझा शुक का दुपहरिया यात्री शेड में एगो ट्रक घुस गइला से दू जने के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.

सिलेंडर में रिसाव से बक्सर के नया बाजार के एगो घर में आग लाग गइल. गनीमत अतने रहल कि दमकल समय पर चहुँप गइल आ अधिका नुकसान ना होखे पावल.


टटका बलिया


श्री मुरली मनोहर टाउन स्नातकोत्तर महाविद्यालय में शिक्षक आ शिक्षणेत्तर संघ के आंदोलन शनिचर का दिने छठवों दिने जारी रहल.

बलिया के चावल मिलन पर सरकार के पांच करोड़ रुपिया बकाया चलत बा. एकरा वसूली ला अब आरसी जारी क दिहल बा.

दुल्लहपुर के बहलोलपुर में शनिचर साँझ एगो मोटर साइकिल दू गो सवार समेत ट्रैक्टर-ट्राली के नीचे घुस गइले. एगो के त ठाँवे प मौत हो गइल दोसर जने बाँच गइले. हादसा का बाद ट्रैक्टर चलावे वाला भाग निकलल.

गाजीपुर में शनिचर के भइल बरखा से लोग के बहुते राहत मिलल बा.

कई मामला में खोजात आरोपी वीरेंद्र यादव के भुड़कुड़ा पुलिस शनिचर के सबेरे घटारों गांव का लगे से गिरफ्तार क लिहलसि बाकिर ओकर साथी चकमा दे के भाग निकलल.

गाजीपुर के रजदेपुर में एगो खराद वर्कशाप में शुक का रात लागल आग से लाखो रुपिया के सामान जर गइल/ पुल नदी का, बनाया जा रहा नाले पर

मऊ के चिश्तीपुर में नदी प बने वाला पुल नाला प बना के पाँच करोड़ रुपिया ठिकाने लगा दिहल गइल बा/

शुक का दिने भइल बरखा का दौरान ठनका गिरला से मऊ के सरायलखंसी थाना के हाजीपुर गांव के एगो औरत मर गइल.


टटका छपरा


बच्चा चोर का सन्देह में शुक का दिने छपरा के दरियापुर में एगो औरत के लोग पुलिस के हवाले क दिहल.

छपरा के बसाढ़ी गांव में पिछला दिने एगो युवती के हत्या के मामला आनर किलिंग के निकलल. पुलिस ओकरा भाई आ बाप के गिरफ्तार क लिहले बिया.

छपरा नगरपालिका चौक पर एसएफआई कार्यकर्ता जेपी विश्वविद्यालय के कुलपति के पुतला फूंकले.

शुक का दिने छपरा शहर के नगरपालिका चौक से लेके भिखारी ठाकुर चौक ले अतिक्रमण हटावल गइल.

रिविलगंज का इनई गांव में बियफे का रात एगो औरत के बच्चा चोर समुझ के लोग जम के पिटाई क दिहल. बाद में पता चलल कि ऊ पगली हिय.

पूजा सीजन में भीड़ निपटावे ला कटिहार से फिरोजपुर जंक्शन आ गुवाहाटी से गोरखपुर का बीच पूजा स्पेशल साप्ताहिक चलावल जाई जवन छपरा, सिवान, थावे, कप्तानगंज के रूट से चली.

बिजली के कमी का चलते मैरवा के लोग मैरवाधाम मोड़ पर जाम लगा दिहल जवना के छह घंटा बाद कसहूं समझा बुझा के हटावल गइल.

बिहार के लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण मंत्री डा.महाचंद्र प्रसाद सिंह शुक का दिने मंडल कारा जा के जेल में बन्द राजद नेता मो.शहाबुद्दीन से भेंट कइलन. कहलन कि शहाबुद्दीन बड़का नेता हउवन आ उनकर राय लिहल जरूरी बा.

बाढ़ राहत वितरण का बेरा बिना कवनो सूचना के गायब रहे वाला गोपालगंज के अंचल पदाधिकारी अयोध्या नाथ शुक्ल के निलंबित क दिहल गइल बा.

गोपालगंज के महम्मदपुर थाना के दीपउ पकड़ी गांव में सांप के डंसला से एगो औरत के मौत हो गइल.


टटका देवरिया


ब्रह्मालीन महंत अवेद्यनाथ के अंतिम दर्शन खातिर देर रात ले लोग गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर में जमावड़ा लवगले रहल. सभकर आँख रोआइन रहुवे. दिन भर गोरखनाथ मंदिर का ओर गाड़ियन के ना जाए दिहल गइल जे से कि भीड़ के कवनो दिक्कत मत आवे. अंतिम संस्कार आजु अतवार का दिने होई जब उनुका के समाधि दे दिहल जाई.

सलेमपुर में तीन गो एक्सप्रेस रोकवावे आ दक्खिनी ढाला खोलवावे के माँग ले के शनिचर के दिन कृषक एक्सप्रेस के घंटन रोक के राखल लोग.

भटनी के रायपुरा घांटी में ग्राम पंचायत के जमीन पर बनत एगो बाउन्डरी के लोग गिरा दिहल. बवाल का बाद पुलिस चहुँपल जे शिकायत पर कुछ ना करत रहे.

फुलवरिया गांव के ट्रांसफार्मर बदलवावे खातिर एक सप्ताह से लागल लोग शनिचर का दिने उग्र हो गइले तब जा के जेई ट्रांसफार्मर लेके अइले.

लार के पिंडी में परमहंस बबुआजी पीजी कालेज के बीएड छात्र फीस के नाम पर नाजायज वसूली का खिलाफ हंगामा कइले. एसडीएम जांच क के जरूरी कार्रवाई करे के भरोसा दिहलन.

तरकुलवा विकास खंड के परास खाड़ में डायरिया पसरला से गाँव के लोग हदस गइल बा.

गोरखपुर में एम्स बनावे के मांग ले के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्र शुक का रात मोमबत्ती जुलूस निकलले.

दोसर बिआह करे के आरोप लगावर कांग्रेसी नेता डा. संजय के मेहरारू उनुका पर केस लिखववली.

तनखाह के झगड़ा ले के इस्लामिया काॅलेज बन्द चलत बा आ कुछ दिन अउरी बन्द रही.

छत से फेंक के मार दिहला का खिलाफ लाश ले के लोग भरत मिलाप चौराहा शुक का दिने जाम लगावल. लोग के कहना बा कि लोकल सपा नेता के बहकवले का चलते भाई भउजाई ओकरा के छत से फेंक दिहल.

गोरखपुर कचहरी ले आटो चलवासे के मांग लेके महाराणा प्रताप इंटर कालेज, दिग्विजय नाथ डिग्री कालेज आ सिविल लाइंस के निजी शिक्षण संस्थानन के छात्र शुक का दिने जम के हंगामा कइले.

गोरखपुर के झगहा थाना के पुरनहा गांव में शुक का दिने ठनका गिरला से सोलह साल के एगो लड़िका के मौत हो गइल.


टटका चंपारण


बैंक से तीन लाख रुपिया के कर्जा ले के गबन क देबे का आरोप में पीपराकोठी के एगो सहयोग समिति के अध्यक्ष के गिरफ्तार क लिहल गइल.

मोतिहारी के कोटवा इलाका के बरकुरवा गांव में एगो औरत के डायन बता के पीट के घवाहिल करे के मुकदमा पीड़िता लिखववले बिया.

गलत तरीका से गैस रिफिलिशग के धंधा करे में लागल मोतिहारी शहर के गायत्री मुहल्ला के एगो दुकान से आठ गो सिलिंदर आ गैस भरे के सामान जब्त क के पुलिस दुकानदार पर केस दर्ज क लिहलसि.

मोतिहारी के टिकुलिया गांव में मकई आ जनेरा के फसल चरावे के विरोध कइला पर महतारी बेटा के मार के घाहिल क दिहल लोग. थाना में नामजद मुकदमा लिखाइल बा.


टटका बनारस


महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ में जेके महिला छात्रावास के विस्तारीकरण आ ज्ञान विज्ञान उद्यान के लोकार्पण करे 14 सितंबर के राज्यपाल आ कुलाधिपति राम नाईक अइहें.

शनिचर का दिने रोहनियाँ विधानसभा सीट के उपचुनाव में पैरी मिलिट्री का निगहबानी में करीब 54 फीसदी वोट पड़ल.

रेलवे में नौकरी दिआवे का नाम पर ठगी करे वाला एगो गिरोह के भंडाफोड़ दिल्ली से आइल क्राइमब्रांच वाराणसी में कइलसि आ सरगना के ध ले गइल.

पाँचसितारा क्रूज से पटना से बनारस आइल विदेशी पर्यटक शुक का भोर में बनारस दर्शन करे निकल पड़ले.

सारनाथ इलाका में नया राशन कार्ड बनावे भा सुधरवावे का नाम पर वसूली से आजिज लोग जगहे जगह हंगामा कइल.

भदोही के गोपीगंज में बिजली कटौती से आजिज लोग शनिचर का दिने मुख्य चौराहा पर मुख्यमंत्री के पुतला फूंकल. भदोही के हनुमान बाग मंदिरो का सोझा पुतला फूंकाइल.

भदोही के पूरे दिवान का लगे टूटल मुख्य नहर के बान्हे मेश शनिचर का दिने पूरा महकमा जुट गइल.

चंदौली के अलीनगर पुलिस शनिचर का दिने मोबाइल टावर लगावे का नाम पर ठगी करे वाला गिरोह में शामिल कर्नाटक के दू गो जालसाजन के ध लिहलसि.

चंदौली के कमालपुर में लेहरा-मनिहरा ड्रेन पर बनल जर्जर पुलिया के मरम्मत खातिर शनिचर से बेमियादी धरना शुरू हो गइल.

चंदौली के अलीनगर इलाका में एकौनी गांव के एगो बिआहल औरत फांसी लगाके मर गइल.

शनिचर का दिने भइल बरखा से चंदौली के नरवन इलाका के किसान राहत के साँस लिहले.