web analytics

टटका खबर : 9 सितंबर 2014

टटका बिहार सिवान जिला के बड़हरिया में अतवार का दिने निकलल महाबीरी जुलूस के कुछ लोग चैन छपरा गाँव के मस्जिद का लगे से ना निकले दिहल जवना का बाद इलाका में तनाव पसर गइल बा. भारी पुलिस बंदोबस्त लगावल गइल बा कि हालात बिगड़े मत. इलाका में सोमारो का दिने कुछेक जगहा आगजनी, पथराव … Read more

 363 total views

टटका खबर : 8 सितंबर 2014

टटका यूपी बलिया में सवा लाख रुपिया के जाली नोट का साथे सहतवार के बिनहा गाँव के रविन्द्र सिंह के गिरफ्तार क लिहल गइल बा. गाजीपुर का औड़ीहार कला में बसपा नेता के अविनाश राम के गरदन काट के हत्या क दिहल बा. घटना शनिचर के रात के ह जब उ गाँवे के एगो दुकान … Read more

 356 total views

टटका खबर : 7 सितंबर 2014

टटका बिहार मुख्य मंत्री जीतन राम माँझी शनिचर का दिने बेतिया में बोलावल तिरहुत प्रमंडल के अधिकारियन का साथे बाढ़ के समीक्षा कइलन आ कहलन कि बाढ़ पीड़ित लोगन के चिकित्सा आ राहत सुविधा मुहैया करावल जाए. कैंसर विशेषज्ञ डा॰जीतेन्द्र सिंह पटना के महावी कैंसर संस्थान के निदेशक पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. उनकर … Read more

 293 total views

पू्णमासी राम से पाँच करोड़ रंगदारी में माँगल गइल

बिहार के गोपालगंज से सांसद रहल कांग्रेसी नेता पूर्णमासी राम से कवनो आदमी फोन क के पाँच करोड़ रुपिया के रंगदारी मँगले बा. कहलसि कि ना दिहला पर उनुकर घर आ बगहा में उनकर मार्केटिंग काम्प्लेक्स के बम से उड़ा दिहल जाई, पूर्णमासी राम एह बाबत पटखौली थाना में आपन शिकायत दर्ज करा दिहले बाड़न. … Read more

 267 total views

बिहार के मुख्यमंत्री व्यापारियन के कालाबाजारी करत रहे के कहले

बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी व्यापारियन के एगो सभा में कहलन कि उनुका मालूम बा कि छोटका व्यापारी आपन घर चलावे आ बाल बच्चा के बढ़िया स्कूल में पढ़ावे खातिर कालबाजारी करेलें. से कहले कि टरला के कवनो जरूरत नइखे. राज्य सरकार ओह लोग ला मुलायम रही. जबले लोग जीतन माँझी के बयान से … Read more

 236 total views

बिहार के सहकारिता मंत्री के बेटा कोमा से बाहर

रैगिंग का चलते कोमा में पहुंचल बिहार के सहकारिता मंत्री जय कुमार सिंह के बेटा आदर्श अब कोमा से बाहर आ गील बा बाकिर अबहियों ओकरा बोले में दिक्कत बा. बस थोड़ बहुत आख घुमा लेत बा आ हाथ हिला पावत बा. वेटिलेटर से आदर्श के हटा लिहल गइल बा आ इलाज के सफल होखे … Read more

 220 total views

बिहार जइसन खिचड़ी झारखंड में पकावल आसान नइखे

बतावल जात बा कि कांग्रेस चाहत बिया कि बिहारे जइसन कवनो खिचडी झारखंडो में पका लिहल जाव बाकिर ओकर दाल गलत लउकत नइखे. लालू आ नीतीश का पता रहे कि बिना मिलले बाचल संभव ना हो पाई बाकिर झारखंड मुक्ति मोर्चा का लगे अइसन कवनो मजबूरी नइखे. उ अकेले चुनाव लड़ी. जीतल तबो ठीक हारल … Read more

 275 total views