
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि अगिला विधानसभा में जदयू के नेता उहे रहीहे आ अगर गठबन्हन के लोग उनका के नेता चुन ली त मुख्यमंत्रिओ उहे बनीहें. साथही कहल ना भुलइलन कि जदयू के सर्वमान्य नेता नीतीश कुमार हउवें.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आजु कहलनकि लइकियन के शादी के उमिर बढ़ा के पचीस साल क देबे के चाहीं. एहसे लइकियन के स्वास्थ्य में सुधार होखी आ कुपोषण के समस्या दूर होई.
- पश्चिम चंपारण के गौलहा प्रखंड के पैक्स चुनाव टार दिहल गइल बा काहे कि पचास फीसदी से कमे सदस्यन के नामांकन भइल बा प्रबंध कार्यकारिणी समिति में.
- बक्सर जिला के चौसा गंगापंप नहर परियोजना के खराबी दूर करे के माँग करत भाजपा नेता स्वामीनाथ तिवारी आ परशुराम चतुर्वेदी आजु से अनशन शुरू कइले.
- सिवान जिला के रघुनाथपुर प्रखंड के रकौली घाट पर नहाए गइल दू गो लड़िका डूब गइले.
- रोहतास जिला के करहगर गांव का नियरा एगो असली पुलिस एगो नकली पुलिस के गिरफ्तार क लिहलसि.
- भोजपुर जिला में महादलित मेहरारूवन संगे बलात्कार का खिलाफ आजु माले भोजपुर बन्द के गोहार लगवलसि जवना के थोड़ बहुत असर देखे के मिलल सड़कन पर.
- मुलायम सिंह यादव के संसदीय क्षेत्र आजमगढ में यूपी सरकार एगो नया चीनी मिल लगावे के योजना बनवले बिया. जबकि राज्य के चीनी मिलन के आर्थिक हाल खस्ता होखत जात बा.
- वाराणसी के फूलपुर इलाका में अतवार के देर रात भइल एगो सडक हादसा में एके परिवार के तीन जने के मौत हो गइल आ एक जने गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइले.
- दू साल पहिले दुर्घटना से खराब भइल आ नई दिल्ली के इन्दिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डे पर पड़ल आपन हवाई जहाज बेचे के फैसला कइलसि यूपी सरकार.
- बिहार के औरंगाबाद जिला के जनसंपर्क अधिकारी (डीपीआरओ) आ 45 साल उमिर के भूपेन्द्र नारायण सिंह के लाश उनुका किराया वाला डेरा से बरामद कइल गइल.
- मऊ जिला के घोसी इलाका में नाजायज शराब के बिक्री रोके में नाकाम साबित अमिला पुलिस चौकी के सगरी पुलिस कर्मचारियन के लाइन हाजिर करा दिहल गइल.
- हुदहुद का चलते बिहार आ पूर्वांचल में रुक रुक के होखत बरखा बुध ले चलत रहे के उमेद बा.
टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..
159 total views, 2 views today