टटका खबर : 16 अक्टूबर 2014, बियफे

काग्रेस के चिंता बा कि पता ना विपक्ष में बइठला का बादो नेता विपक्ष के पद भेटाई कि ना.
काग्रेस के चिंता बा कि पता ना विपक्ष में बइठला का बादो नेता विपक्ष के पद भेटाई कि ना.
  • दिवाली आ छठ के भीड़ देखत रेलवे हावडा से नौतनवां का चलावत जात विशेष जनसाधारण साप्ताहिक गाड़ी के फेरा पाँच ट्रिप के कर दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश के चीनी मिल मालिक प्रदेश सरकार का खिलाफ इलाहाबाद उच्च न्यायायलय में गोहार लगवले बाड़न कि गन्ना के दाम तय होखे से पहिले मिल मालिकन के पेराई के काम शुरू करे ला मजबूर मत कइल जाव.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अखिल भारतीय प्रचार प्रमुख मनमोहन वैद्य बियफे का दिने लखनऊ में कहलन कि देश के हर नागरिक हिन्दू ह आ एहिजा केहू अल्पसंख्यक नइखे. कहलन कि जिनका के अल्पसंख्यक कहल जाला उहो लोग संघ के शाखा में आवल करेला आ देशसेवा के व्रत लेला.
  • उत्तर प्रदेश के करीब आठ हजार सब-इंस्पेक्टरन के राज्य सरकार का तरफ से सीयूजी मोबाइल दिहल जाई. एह मोबाइल से ई लोग हमेशा अपना बड़का अधिकारियन से संपर्क मे रहल करी.
  • बक्सर आ बलिया के किसानन का बीच के जमीन के झगड़ा निपटावे ला आजु बक्सर में बलिया आ बक्सर के जिलाधिकारियन के बइठक भइल. बक्सर के किसानन के दावा बा कि ओहन लोग के चार हजार एकड़ जमीन बलिया वाले दबा के बइठल बाड़े. अब तय भइल कि 12 नवंबर से कागज का आधार पर सीमांकन के काम शुरू होखी.
  • जदयू आ राजद के कुछ बड़का नेता का लोग का बीच के बयानबाजी बतावत बा कि गठबन्हन में सब कुछ ठीकठाक नइखे चलत. राजद नेता रघुवंश प्रसाद सिंह बिहार के स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह का खिलाफ बोललन त रामधनिओ सिंह भर ढाका परोस दिहलन. अब जदयू के बिहार अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के कहना बा कि स्वास्थ्य मंत्री के सम्हर के बोलल चाहत रहे.
  • गायब भइल बचवन का बारे में सर्वोच्च न्यायालय के बात पर अमल ना करे वाला राज्यन में शामिल बिहार आ झारखंड के मुख्य सचिवन आ पुलिस महानिदेशकन के अदालत में बोलावल गइल बा सफाई देबे ला.
  • वाराणसी के सारनाथ इलाका में नजायज संबंध राखे का शक में एगो आदमी अपना मेहरारू के छूरा घोंप घोंप के मुआ दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश के गोंडा जिला में कर्नलगंज कोतवाली इलाका में बस से कचरा के एगो लड़िका के मौत हो गइल.
  • बिहार के रोहतास जिला में धान का खेत में बकरी घुसला से भइल झगड़ा अतना बढ़ गइल कि एगो महादलित परिवार के 15 साल के बच्वचा के जिन्दे जरा दिहल लोग.
  • भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह बियफे का दिने लखनऊ अइहें आ राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के केंद्रीय मार्गदर्शक मंडल के बैठक में शामिल होखीहें.