web analytics

टटका खबर : 23 अक्टूबर 2014, बियफे

22 अक्टूबर का दिने इटावा के लायन सफारी देखत यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यदव
22 अक्टूबर का दिने इटावा के लायन सफारी देखत यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यदव
  • छपरा, समस्तीपुर, आ पूर्णिया में नया मेडिकल काॅलेज खोले खातिर बिहार सरकार केन्द्र का संगे समझौता पर दस्तखत करी. एह मेडिकल काॅलेजन खातिर तीन चौथाई धन केन्द्र दी आ बाकी एक चौथाई राज्य सरकार.
  • छठ पूजा का दौरान कवनो तरह के हादसा से निपटे ला केन्द्र से राष्ट्रीय आपदा राहत फोर्स के नौ गो टुकड़ी बिहार भेजल जाई जवना के सारण, वैशाली, नवगछिया आ भागलपुर में लगावल जाई.
  • आजमगढ के रानी के सराय इलाका में मोटरसाइकिल से आइल तीन गो बदमाश गोली मार के एगो आदमी के जान ले लिहले.
  • लखनऊ आ दिल्ली के आनंद विहार टर्मिनस का बीच डबल डेकर ट्रेन चलावे का पहिले भइल परीक्षण सफल भइला का बाद अब उमेद बा कि जल्दिए एह रूट पर डबल डेकर ट्रेन चलल शुरू हो जाई. धनबाद हावड़ा का बीच डबल डेकर ट्रेन जमाना से चलत बा.
  • बलिया के ददरी पशु मेला में आपन मवेशी बेचे आइल तीन लोग के नशा खिआ के ओह लोग का लगे से 80 हजार रुपिया लूट लिहले स बदमाश.
  • सारण जिला के अवतार नगर थाना के रामपुर गांव में आजु भोर में जमीन के झगड़ा का चलत भ‎इल मारपीट में एक आदमी के मौत हो गइल.
  • देवरिया जिला में एगो नशेड़ी बाप नशा करे से रोके वाला अपना बेटा के गर्दन दाँत से काट दिहलसि जवना से बेटा के मौत हो गइल. ओकरा बाद बाप फरार हो गइल बा.
  • गोण्डा के शहर कोतवाली इलाका में एगो बेकाबू ट्रक से कचरा के दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: