टटका खबर : 24 अक्टूबर 2014, शुक

यूपी के मुख्यमंत्री के दिवाली के बधाई देत  मुस्लिम धर्मगुरू आ नेता
यूपी के मुख्यमंत्री के दिवाली के बधाई देत मुस्लिम धर्मगुरू आ नेता
  • आजमगढ के आलापुर पुलिस एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहलसि जे अपने अपहरण के नाटक रचले रहल.
  • सासाराम नगर थाना के चवरतकिया मुहल्ला में काल्हु रात पटाखा छोड़त भाई-बहिन के पड़ोसी गोली मार दिहलसि. गोली आंख में लागल बा. दुनू के आस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सारण जिला के अमनौर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर प्रसव के दौरान जच्चा के मौत पर ओकर परिजन चिकित्सक आ कर्मचारियन साथे मारपीट कइले.
  • बिहार में डेंगू के मरीजन के गिनिती बढ़े लागल बा आ तीस से अधिका लोग एकरा गिरफ्त में आ चुकल बा. पीएमसीएच में अलगा से डेंगू वार्ड बनावल गइल बा.
  • देवरिया के लार में जमीन के झगडा ले के एगो आदमी के छूरा घोंप के मार दिहल गइल.
  • पश्चिम चंपारण के रामनगर इलाका के मठिया गाँव में बिजली के करंट लगला से एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • बस्ती जिला के कप्तानगंज इलाका के भरवलिया गाँव का नियरा कुआनो नदी में नहाए गइल दू गो लड़िकियन के डूबला से मौत हो गइल. एगो के लाश मिल गइल बा दोसरका के खोजल जात बा.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अपना बेतुका बयानबाजी का चलते खास जगहा बनवले जात बाड़न. अबकी कहले बाड़न कि महादलित शराब पीयल छोड़ देव लोग त बिहार में महादलितन बिना सरकार बनावल मुश्किल हो जाई. कहलन कि अबकी त हमरा के बनावल गइल बा बाकिर हम खुदहु बन सकीले तब मुख्यमंत्री.
  • पूर्वी चंपारण जिला के हरैया थाना इलाका में आज शुक का दिने एगो नवही के मौत का बाद खिसियाइल लोग थाना पर हमला बोल दिहल. एगो पुलिस जीप के जरा दिहल गइल आ बाकी अनेके गाड़ियन के तूड़फोड़ दिहल गइल.
  • राष्ट्रीय लोकदल के उत्तर प्रदेश अध्यक्ष मुन्ना सिंह चौहान के बाइस बरीस के बेटा आलोक काल्हु बियफे का साँझ अपना के गोली मार लिहलसि. मुन्ना सिंह ओकरा के तुरते लखनऊ ट्रॉमा सेंटर ले गइले जहाँ बाद में ओकर मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश सरकार अब रिटायर होखे वाला बीडीओ लोग के तब ले संविदा पर राखी जब ले नया बीडीओ के विधिवत बहाली नइखे हो जात.
  • मोहर्रम के तजिया निकले का दौरान लखनऊ में चाक चौबंद व्यवस्था करे में पुलिस लागल बिया, पूरा लखनऊ के पांच गो जोन आ 18 गो सेक्टर में बांटल गइल बा. शनिचर साँझ से अतवार साँझ ले हर मुहर्रम जुलूस के वीडियो रिकार्डिग केवल जाई. 70 जगहा स्थायी कैमरा लगावल गइल बा.