Go to ...
RSS Feed

खबर भोजपुरी में (मंगल, 4 नवंबर 2014)


BabaRamdev-with-PM-NaMo

  • उत्तर प्रदेश से राज्यसभा चुनाव खातिर आपन एगो उम्मीदवार भाजपा अब ले नइखे चुनले आ संकेत मिलत बा कि कवनो बाहरी आदमी के टिकट दिहल जाई. सपा का तरफ से छह जने आपन परचा दाखिल क चुकल बाड़े. कांग्रेस एगो सीट पर पी एल पुनिया के उमीदवार बनवले बिया जिनका के सपा आपन फालतू वोट दे दी. बेनी बाबू के टिकट ना दिहलसि कांग्रेस.
  • महिला पोल वॉल्ट स्पर्धा में रेलवे के वी. एस. सुरेखा स्वर्ण पदक जीतली. रेलवे के स्टीपलचेज धाविका सुधा सिंह 3000 मीटर स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीतली.
  • फुटबाल के सुपर लीग में एटलेटिको डी कोलकाता टीम आ चेन्नईन एफसी टीम के मैच 1-1 गोल के बरोबरी पर छुटल.
  • हमेशा से मोदी विरोधी रहल टीवी प्रस्तोता राजदीप सरदेसाई अपना नया किताब में लिखले बाड़न कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व शैली इंदिरा गांधी जइसन बा आ उनुका से उनकर मंत्रिमंडलीय सहयोगी डेराइल रहेलें.
  • आस्ट्रेलिया दौरा पर चार मैच के सीरीज खेले गइल भारत के हॉकी टीम मंगल का दिने आपन पहिलका मैच चार गोल से हार गइल आ कवनो गोल ना कर पवलसि.
  • इंडियन प्रीमियर लीग के अगिला संस्करण साल 2015 में 8 अप्रैल से 24 मई के बीच खेलल जाई.
  • श्रीलंका में भारत के उच्चायुक्त यश सिन्हा कोलंबो के वेलिकाडा जेल में कैद आ मृत्युदंड के सामना करत पांच गो भारतीय मछुआरन से मिलले आ ओह लोग के तोस दिहलन कि भारत सरकार ओह लोग के रिहाई आ स्वदेश वापसी खातिर हरसंभव कोशिश करी.
  • ओडिशा के चिटफंड घोटाला में बीजद सांसद रामचंद्र हंसदा आ दू गो विधायक रहल नेतवन के सीबीआई आजु मंगल का दिने गिरफ्तार क लिहलसि.
  • योग गुरु बाबा रामदेव आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से उनका सरकारी आवास पर भेंट कइलन.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला के दाउदनगर में एगो धार्मिक स्थल पर तोड़फोड़ कइला का बाद से तनाव पसरल. पुलिस लाठी भाँज के काबू पवलसि बवालियन पर.
  • जम्मू कश्मीर के बड़गाम जिला के चत्तरगाम में काल्हु सेना का गोली से मराइल दू गो नवहियन के खबर से नाराज लोग आजु श्रीनगर में प्रदर्शन कइल आ पुलिस से भिड़ गइल. सेना ओह गोलीबारी के जाँच के आदेश दे दिहले बिया जवना में दुनू नवहियन के मौत भइल.
  • 16 नवंबर का दिने राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी वृंदावन में 213 मीटर ऊंच एगो कृष्ण मंदिर के शिलान्यास करीहन.
  • आजु मंगल का दिने केंद्रीय मंत्रिमंडल अपना बइठका में दिल्ली विधानसभा भंग करे के उपराज्यपाल नजीब जंग के सिफारिश मंजूर क लिहलसि.
  • बेतिया में एगो बानर के शादी बनरिया से करावल गइल आ एह शादी में नाहियो त तीन सौ लोग के भोज पर बोलावल गइल रहे. बिआह सोमार का दिने भइल.
  • उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला में मंगल का सबेर में मुहर्रम के मौका पर ताजिया जुलूस निकाले का मसला पर दू गो समुदाय के लोग का बीच मारपीट हो गइला का बाद हालात बिगड़े लागल बाकिर पुलिस काबू पा लिहलसि.

Tags: ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: