खबर भोजपुरी में (बुध, 3 दिसंबर 2014)

अनिल कुमार सिन्हा के नयका सीबीआई डायरेक्टर चुनल गइल.
अनिल कुमार सिन्हा के नयका सीबीआई डायरेक्टर चुनल गइल.
(मंगल 2 दिसंबर के खबर)

  • पीएम मोदी का आवास पर भइल चयन समिति के बइठक में बिहार कैडर के अनिल कुमार सिन्हा के नयका सीबीआई डायरेक्टर चुनल गइल. एह बइठक में पीएम मोदी के अलावा सु्प्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश एच एल दत्तू आ लोकसभा में सबले बड़का विपक्षी दल कांग्रेस के नेता मलिकार्जुन खड़गे शामिल रहलन. अनिल कुमार सिन्हा बुध का दिने आपन काम सम्हरीहे. अनिल कुमार एहसे पहिले केन्द्रीय सतर्कता आयोग के अतिरिक्त सचिव रह चुकल बाड़न.
  • छपरा बलिया का बीच बकुलहा टीसन का लगे बनल डायवर्सन पर गेंहू लदाइल मालगाड़ी पटरी से उतर गइल जवना चलते घंटनो एह रूट पर रेल गाड़ी ना चल पवली स. एह रुट में एके गो रेल लाइन रहला का चलते दुनू ओर के रेल गाड़ी ना चल पावल. कुछेक के दोसरा रूट से चलावल गइल जवना का बाद बलिया में इंतजार करत यात्री तिकवते रह गइल. कुछ लोग के टिकट त वापिस हो गइल बाकिर तत्काल आ इंटरनेट से टिकट लेबे वालन के बहुते फजीहत झेले के पड़ल.
  • पश्चिम चंपारण के सिकरपुर पुलिस नरकटियागंज तेंपू स्टैंड का लगे से तीन गो तस्करन के बीस लाख रुपिया के चरस संगे गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • मंगल का दिने सिवान जिला के जीरादेई टीसन का लगे एगो मेहरारू ट्रेन से कटा के मर गइल.
  • आपन कर्जा चुकावे आ सहाराश्री सुब्रत राय के जमानत करवावे खातिर सु्परीम कोर्ट सहारा ग्रुप के आपन चार गो संपति बेचे के इजाजत दे दिहलसि. सहारा समूह गुड़गांव, जोधपुर, वाशी आ पुणे के आपन जमीन बेचे सकेले.
  • फुटबाल के सुपर लीग का मैच में मंगल का दिने दिल्ली डायनामोज आ एटलेटिको डी कोलकाता के बीच कवनो टीम गोल ना कर पवलसि आ मैच बरोबरी पर छूटल.
  • मंगल का दिने दुसरका दौर के चुनाव ला जम्मू कश्मीर में 71 फीसदी आ झारखंड में 65 फीसदी मतदान होखे के खबर बा.
  • मंगल का दिने घोसित रिजर्व बैंक के नयको मौद्रिक नीति में ब्याज दर घटावे के बात ना कहल गइल. संकेत दिहल गइल बा कि अगिला साल फरवरी में ब्याज दर घटावे पर सोचल जाई. एहसे निराश हो के मंंगल का दिने एक बेर फेरू बाजार टूटल आ सेंसेक्स 116 अंक नीचे गिर के 28,444 पर आ निफ्टी 31 अंक गिर के 8,524 पर बंद भइल. मंगल का दिने सोना के दाम में जोरदार तेजी देखे के मिलल आ हर दस ग्राम सोना के दाम 840 रुपिया बढ़ गइल.
  • पेट्रोल, डीजल के लगातार गिरत दाम का बीच में केन्द्र सरकार मंगल का दिने पेट्रोल आ डीजल पर उत्पाद शुल्क, पेट्रोल पर प्रति लीटर 2.25 रुपिया आ डीजल पर प्रति लीटर एक रुपिया, बढ़ा दिहलसि. एह बढ़ोतरी के आम आदमी पर कवनो असर ना पड़ी आ तेल कंपनी एह बढ़ोतरी के अपने उठा लिहें.
  • विपक्ष के हरामजादा कहे वाला अपना बयान पर हंगामा होखला का बाद केन्द्रीय मंत्री साध्वी निरंजन ज्योति लोकसभा आ राज्यसभा दुनू जगहा माफी मँगली. लोकसभा में त ओकरा बाद काम काज सुचारु हो गइल बाकिर राज्यसभा में आपन बड़हन गिनिती के फायदा उठावत विपक्ष राज्यसभा ना चले दिहलसि. ई उहे राज्यसभा आ मीडिया ह जवन ओवैसी के पन्द्रह मिनट में सगरी हिन्दुवन के मार डाले वाला बयान पर चुप्पी साध लेले रहुवे. इगाली गलौज के ई कवनो पहिला नमूना ना रहल बाकिर सभे जुट गइल बा साध्वी निरंजन ज्योति के घेरे ला.
  • बॉलीवुड गायक कुमार सानू मंगल का दिने दिल्ली में एगो कार्यक्रम में भाजपा में शामिल हो गइलन. सानू कहलन कि ऊ राजनीति में गरीबन ला काम करीहें.
  • मंगल का दिने परमाणु हथियार ले जा सके वाला आ 4,000 किलोमीटर तक सतह से सतह पर मार कर सके वाला मिसाइल अग्नि-4 के ओडिशा में रक्षा तट से परीक्षण सफल हो गइल.
  • कनाडा के नियाग्रा फॉल्स में होखत विश्व महिला स्क्वाश प्रतियोगिता में भारत की महिला स्क्वॉश टीम सोमार का दिने अपना ग्रुप मुकाबला में हांगकांग से हार गइल.