खबर भोजपुरी में (बियफे, 4 दिसंबर 2014)

(बुध 3 दिसंबर के खबर)
JitanRamManjhi-garlanding-picture-of-DrRajendraPrasad

  • अयोध्या मामिला से अपना के अलग कर लेबे के हाशिम अंसारी के बयान का बाद मुस्लिम जमात उनुका के मनावे में लाग गइल बा. सेकूलर जमात के ठकुआ मार दिहले बा कि आखिर हाशिम अइसे कइसे कह दिहलें. हाशिम अंसारी के कहना बा कि अब ऊ बाबरी मस्जिद मुकदमा के पैरवी ना करीहें काहें कि एकरा के राजनीति के अखाड़ा बना दिहल गइल बा. यूपी के मंत्री आजम खान से कहलन कि अब उहे एकर पैरवी करसु. कहलन कि अब ई ना चली कि रामलला त तिरपाल में रहसु आ इलायची दाना खासु जबकि बाकी लोग महल में रह के लड्डू. रामलला के आजाद करावल जरूरी हो गइल.
  • देशरत्न डॉ़ राजेन्द्र प्रसाद के 130वीं जयंती के मौका पर बुध का दिने अनेके जगहा समारोहन के आयोजन भइल. पटना में मुख्यमंत्री जीतन राममाँझी राजेन्द्र चौक पर राजेन्द्र बाबू के मूर्ति पर माला चढ़ा के नमन कइले. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदीओ राजेंद्र प्रसाद के आपन श्रद्धांजलि दिहलें. सिवान जिला के पंजवारो में एह मौका पर कार्यक्रम भइल जवना में देश भर के भोजपुरियन के जुटान भइल.
  • मंत्री निरंजन ज्योति का मुँह से निकलल हरामाजादा शब्द पर राज्यसभा में बुध का दिन बवाल होखत रहल आ राज्यसभा के स्थगित कर देबे के पड़ल. विपक्ष के कहना बा कि निरंजन ज्योति के मंत्रीमंडल से निकाल दिहल जाव. एह पर सरकार का तरफ से कहल दिहल गइल कि इस्तीफा भा हटावे के सवाले नइखे उठत. गलती से कहली त माफी माँग लिहली. अब एह पर बवाल ना होखे के चाहीं.
  • केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि नक्सलवाद से निपटे खातिर केंद्र प्रतिबद्ध बावे आ नक्सल विरोधी अभियान चलत रही.
  • देवधर ट्रॉफी का फाइनल मैच में पिछला तीन साल से लगातार जीतत आवत पश्चिम क्षेत्र के 24 रन से हरा के पूर्व क्षेत्र देवधर ट्राफी जीत लिहलसि.
  • केन्द्रीय खेल मंत्री सर्वानंद सोनोवाल अंतर्राष्ट्रीय मुक्केबाजी संघ के अध्यक्ष चिंग कूओ वू से कहलन कि भारत के महिला मुक्केबाज सरिता देवी पर लगावल रोक के हटा लिहल जाव.
  • फुटबाल के सुपर लीग के पुणे में भइल मैच में एफसी पुणे सिटी दू गोल से मुंबई सिटी एफसी के हरा दिहलसि. मुंबई के टीम कवनो गोल ना कर पावल.
  • अंतर्राष्ट्रीय संस्था ट्रांसपेरेंसी इंटरनेशनल के भ्रष्टाचार धारणा सूचकांक – 2014 में भारत के 175 देशन का सूची में 85वां जगहा पर राखल गइल बा. संस्था के कहना बा कि देश में भ्रष्टाचार में कमी आइल बा.
  • भारत के महिला स्क्वॉश टीम मंगल का दिने आपन दुसरको मैच हार गइल. फ्रांस के महिला टीम भारत के 3-0 से हरा दिहलसि.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव के कहना बा कि करोड़ो के नाजायज संपति बनावे वाला नोएडा अथारिटी के सरकारी चीफ इंजीनियर यादव सिंह का खिलाफ कवनो कार्रवाई तब ले ना होखी जबले आयकर विभाग के जांच रिपोर्ट ना मिल जाई.
  • बुध का दिने आपन तनखाह बढ़वावे ला सरकारी बैंक कर्मचारी एकदिन के हड़ताल पर रहलें जवना चलते आम आदमी के ढेरहन परेशानी उठावे के पड़ल. कई जगहा एटीएमो काम कइल बंद कर दिहली सँ काहे कि ओहनी में राखल रुपिया खतम हो गइल रहे. लगन का सीजन में एह तरह के बेवहार बैँक कर्मचारियन के स्वार्थीपना देखा दिहलसि.