web analytics

खबर भोजपुरी में (बुध, 24 दिसंबर 2014)

(मंगल, 23 दिसंबर के खबर)
RamNaik-paying-tributes-toCharanSingh

  • प्रधानमंत्री रहल स्व॰ चौधरी चरण सिंह के जयंती मंगल का दिने उत्तर प्रदेश में किसान सम्मान दिवस के रूप में मनावल गइल. लखनऊ में विधानसभा परिसर में राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री अखिलेष यादव उनुका के श्रद्धांजलि दिहले.
  • झारखंड विधानसभा चुनाव में भाजपा आ ओकर सहयोगी दल ऑल झारखंड स्‍टुडेंट्स यूनियन 42 गो सीट जीत के 81 सदस्य वाली विधानसभा में पूरा बहुमत पा लिहले बाड़न. 19 सीट जीत के झामुमो दुसरका जगहा आ 8 सीट जीत के झारखंड विकास मोर्चा प्रजातांत्रिक तिसरा जगहा पर बा. कांग्रेस के महज 5 गो सीट मिलल बा जबकि ऊ राजद आ जदयू संगे गठबन्हन बना के लड़ल रहुवे. लालू के राजद आ नीतीश के जदयू के एको सीट नइखे मिलल. निर्दलीय आ दोसरा गोलन के 7 सीट मिलल बा.
  • जम्‍मू कश्‍मीर विधानसभा चुनाव में 44 सीट जीते के लक्ष्य ले के चलल भाजपा के महज 25 सीट मिल पावल. हालांकि पिछला बेर ओकर महज 11 विधायक रहले. भाजपा के जम्मू-कश्मीर में सबले अधिका वोट मिलल बाकिर सीट का मामला में 28 सीट जीत के पीपुल्‍स डेमोक्रेटिक पार्टी सबले बड़का गोल बन के उभरल बिया. ओकरो अनुमान से कमे सीट मिलल बा. सरकार चलावे वाला नेशनल कांफ्रेंस के 15 सीट आ कांग्रेस के 12 सीट मिलल बा. दोसरा गोलन का खाता में 7 गो सीट गइल बा.
  • झारखंड में भाजपा गठबन्हन के सरकार बनल तय बा बाकिर जम्मू-कश्मीर के मामिला लटक गइल बा. ओहिजा तरह तरह के जोड़तोड़ के बात होखत बा जवना में सबले टिकाऊ होखी पीडीपी आ भाजपा के मिलजुल के बनल सरकार. जम्मू में भाजपा आ कश्मीर में पीडीपी के मिलल बड़हन जीत एह तरह दुनू इलाकन के प्रतिनिधित्व दे दी. पीडीपी का तरफ से संकेत मिलल बा बाकिर भाजपा अबहीं एह बारे में नइखे सोचत. भाजपा अध्यक्ष अमित शाह कहले बाड़न कि भाजपा का लगे सगरी विकल्प खुलल बा आ संसदीय बोर्ड में आगे के फैसला होखी.
  • संसद के दुनू सदन के बइठक मंगल का दिने स्थगित क दिहल गइल. विपक्ष के अड़ियल रवैया का चलते कई गो जरूरी विधेयक पास ना हो पावल काहे कि राज्यसभा में विपक्ष का लगे बहुमत बा आ ऊ करीब एक हफ्ता ले कवनो काम ना होखे दिहलसि. हालांकि लोकसभा एह सत्र में 18 गो विधेयक पास कइलसि.
  • असम में उग्रवादी आ प्रतिबंधित नेशनल डेमोक्रेटिक फ्रंट ऑफ बोडोलैण्‍ड के संगविजीत गुट का हमला में चार जगहा कुल मिला के नाहियो त 17 लोग के गोली मार के हत्या क दिहल गइल.
  • विधानसभा चुनावन के परिणाम देखत बंबई शेयर बाजार में तीन दिन से चलत आवत तेजी आजु थथम गइल आ सेंसेक्स 195 अंक गिर के बंद भइल.
  • वाराणसी के हरिश्चन्द्र घाट पर बुध का दिन से विद्युत शवदाह गृह काम करे लागी. एकरा के चलावे के जिम्मा अबकी गंगा मिशन वेलफेयर सोसाइटी के दिहल गइल बा. एह शवदाह गृह में दाह संस्कार करावे खातिर पांच सौ रूपिया लिहल जाई हर शव ला.
  • सारण जिला के इसुआपुर में मारल गइल थाना प्रभारी संजय तिवारी के पत्नी के सरकारी नौकरी देबे के फैसला कइले बिया बिहार सरकार. पटना में एह बात के एलान कइलन मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी. साथही दस लाख रुपिया के मुआविजो दिहल जाई.
  • रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा बुध का सबेरे हाजीपुर-बछवारा विद्युतीकृृत रेलखंड के लोकार्पण करीहें. अब पूरब से आवे वाली रेलगाड़ी बिना इंजन बदलले मुजफ्फरपुर छपरा होखत भटनी ले जा सकीहे सँ.
  • ग्रामीण बैंकन में निजी भागीदारी के व्यवस्था लागू कइला के विरोध करत देश भर के ग्रामीण बैंक कर्मचारी 19 जनवरी से चार दिन के हड़ताल करीहें. एह लोग के कहना बा कि एह संशोधन का बाद किसान आ गरीबन के ग्रामीण बैंकन से करजा ना मिल पाई.
  • समूचा उत्‍तर भारत पाला का गिरफ्त में आ गइल बा. नाहियो त 11 लोग के मरे के खबर बा अबले. कुहा का चलते रेलगाड़ी बहुते देर क के चलत बाड़ी सँ. हवाई सेवो पर असर पड़ल बा. मंगल का दिने लखनऊ में 3.7॰ न्यूनतम तापमान दर्ज भइल. पटना के न्यूनतम तापमान 6.5॰ सेल्सियस रिकार्ड भइल. बिहार के सगरी स्कूलन में कक्षा पाँच तक के विद्यार्थियन के छूट्टी दे दिहल गइल बा. उपर के कक्षा सबेरे नौ बजे का बाद से शुरु होखल करी.

 156 total views,  2 views today

%d bloggers like this: