- देश के प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी आ कांग्रेस के अध्यक्ष रहल महामना मदन मोहन मालवीय के देश के माथ सम्मान, भारत रत्न, से सम्मानित करे के फैसला कइले बिया भारत सरकार. एह लोग के ई सम्मान बहुत पहिलही मिल जाए चाहत रहुवे बाकिर कांग्रेस एह लोग के नाम पर कबो ना सोचलसि. जवाहर लाल नेहरू आ इन्दिरा गाँधी खुद अपने के भारत रत्न दिहले रहुवन. अटल बिहारी बाजपेयी आ महामना मदन मोहन मालवीय के आज जनम-दिन ह आ काल्हु एकरा पूर्व संध्या पर राष्ट्रपति भवन से भइल एह एलान के सभे स्वागत कइले बा. बाजपेयी तीन बेर भारत के प्रधानमंत्री बनलन. पहिला बेर 13 दिन ला, दुसरका बेर 13 महीना ला आ तिसरका बेर पाँच साल. पाँच साल ले प्रधानमंत्री के कार्यकाल पूरा करे वाला ऊ पहिला गैर कांग्रेसी रहलन.
- महामना मदन मोहन मालवीय बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के स्थापना कइले रहलन आ शायद एही चलते कांग्रेस इनका के एह जोग ना मनलस कि इनका के भारत रत्न दिहल जाव. जबकि मालवीयजी दू बेर, 1909 आ 1918 में, कांग्रेस के अध्यक्षो पद पर रहलन. मालवीय जी के ई सम्मान उनका मरला का बाद दिहल गइल बा.
- असम में बोडो उग्रवादियन के हमला में मरे वालन के गिनिती 70 पार क गइल बा. शोणितपुर में 43 लोग, कोकराझार में 25 लोग, आ चिरांग 3 लोग के हत्या भइल बा. उदालगुड़ी जिला आ चिरांग अउर बक्सा जिलन के कुछ हिस्सा में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा. कोकराझार जिला आ धुबरी जिला के कुछ इलाका में रात के कर्फ्यू लागल बा. असम सरकार का ओर से मारल गइल लोग के परिवारन के पाँच-पाँच लाख रुपिया के मुआवजा देबे के एलान भइल बा.
- केंद्रीय मंत्रिमंडल बुध का दिने बीमा संशोधन विधेयक खातिर अध्यादेश ले आवे के मंजूरी दे दिहलसि. कोयला खदान अध्यादेशो के फेर से लागू कइल जाई. राज्य सभा में विपक्ष के गैर जिम्मेदार रुख का चलते एह विधेयकन पर चरचा ना हो पावल. संसद के सत्र के तुरते बाद एह तरह से अध्यादेश ले आवे के विपक्ष विरोध कइले बा.
- जम्मू-कश्मीर में केकर सरकार बने एह पर मथकुच्चन जारी बा. नेकां आ पीडीपी मिल के सरकार बनावे भा पीडीपी आ भाजपा दुनू हालत में उगलत आन्हर निगलत कोढ़ी वाली दुविधा बा. जम्मू-कश्मीर विधानसभा में भाजपा के छह गो अउरी विधायकन के समर्थन का बाद 31 विधायकन के ताकत मिल गइल बा आ ऊ सबले बड़का पार्टी होखे का नाते मुख्यमंत्री पद पर आपन अधिकार जतावत बिया.
- जापान के संसद बुध का दिने शिंजो आबे के दुबारा भारी बहुमत से देश के प्रधानमंत्री चुन लिहलस. मध्यावधि चुनाव में उनका पार्टी के जबरदस्त जीत मिलल रहुवे. संसद में आबे के 328 वोट मिलल जबकि उनका प्रतिद्वदी विपक्षी नेता कात्सुया ओकादा के महज 73 वोट.
- बंबई शेयर बाजार में बुधो का दिने बड़हन गिरावट दर्ज भइल. सेंसेक्स 298 अंक गिरल त निफ्टी 93 अंक. हाल के विधानसभा चुनाव के नतीजा से निवेशक खुश नइखन लागत.
- इसुआपुर थानाध्यक्ष संजय तिवारी के हत्या का मामिला में तीन जने के सारण पुलिस गिरफ्तार क लिहलस. मोटरसाइकिल आ मोबाइलो बरामद हो गइल बा. एह हत्या में अउरिओ लोग शामिल रहे आ ओह लोग के तलाश जारी बा. गिरफ्तार हत्यारन में इसुआपुर के गंगोई गांव के रिकेश कुमार आ कुश कुमार अउर आतानगर के कल्लू शामिल बाड़े सँ. अबहीं ले थानाध्यक्ष के लूटल रिवाल्वर नइखे मिलल.
- छपरा जंक्शन पर टिकट चेकिंग अभियान चला के चार सौ बेटिकट लोगन के पकड़ल गइल. एह लोग से किराया आ जुर्माना के रूप में करीब सवा लाख रुपिया वसूलल गइल.
- बलिया में पूर रजवाहा डैमेज भइला का चलते सैकड़न एकड़ में लागल फसल बरबाद हो गइल बा. एह रजवाहा में मंगल का दिने पानी छोड़ल गइल रहे. रात में जगदरा गांव का नियरा रजवाहा टूट गइल आ एकर पानी खेतन में पसर गइल. बाद में गाँव के लोग जुट के केहू तरह एकरा के बान्हल.
- कड़ाका का जाड़ा का चलते बलिया में तीन जने के मौत होखे के खबर बा. दीवानी कोर्ट में मुकदमा के पैरवी में आइल सहतवार के शीतल सिंह, सिकंदरपुर इलाका के जमालपुर गांव के अवधेश कुमार आ बैरिया इलाका के रामपुर टोला के पंकज शर्मा के मौत ठंड से भइल बा.
- प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बियफे का दिने वाराणसी अइहें आ एहिजा कुछ कार्यक्रमन में शामिल भइला का बाद साॅझ के दिल्ली वापस हो जइहें.
- बिहार विधान परिषद में सर्वसम्मति से डा॰ राम मनोहर लोहिया, जननायक कर्पूरी ठाकुर आ बिहार के पहिला मुख्यमंत्री श्रीकृष्ण सिंह के भारत रत्न दिहल जाए के प्रस्ताव
पारित कइल गइल. - बिहार विधानसभा में भाजपा के हंगामा का चलते दू बेर सदन के स्थगित करे के पड़ल. जवना चलते प्रश्नकाल आ शून्यकाल बाधित हो गइल.
- हाजीपुर में हाजीपुर-बछवाड़ा विद्युतीकृृत रेल खंड के लोकापर्ण कइला का बाद रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि अगिला साल दिसंबर ले गंगा नदी पर बनल दीघा सोनपुर रेल-सह-सड़क पुल के निर्माण पूरा कर लिहल जाई. कहलन कि पँहुच पथ बनावे में बिहार सरकार देरी करत बिया जवना चलते काम नइखे हो पावत.
- पश्चिम चंपारण के बगहा में गंडक नदी में एगो नाव पलट गइला का बाद ओह पर सवार 25 लोग के थाह लिहल जात बा. ई लोग नारायणपुर, कैलाशनगर के रहे वाला ह आ दियारा से खेती क के वापस लवटत रहे.
- रोहतास जिला के सासाराम में ताराचंडी धाम का लगे एगो ट्रक से धक्का लगला का बाद मोटरसाइकिल सवार एगो नवही के ठाँवे पर मौत हो गइल.
204 total views, 2 views today