- वाराणसी के डीजल लोकोमोटिव वर्कशाप के विस्तार परियोजना के उद्घाटन आ एगो आधुनिक वातानुकूलित यात्री गाड़ी इंजन के लोकार्पण कइला का बाद अपना संबोधन में
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि रेलवे के निजीकरण करे का तरफ केन्द्र सरकार नइखे बढ़त. कहलन कि रेलसे के निजिकरण के बात महज गप बा आ रेल कर्मी एहला चिंतित मत होखसु. काशी हिन्दू विश्वविद्यालय में आयोजित एगो समारोह में कहलन कि कला आ संस्कृति से जुड़ल लोग कन्या भ्रूण हत्या रोके ला समाज के जगावे के काम करसु. बढ़िया शिक्षक तइयार करे के मिशन के नाम काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के संस्थापक आ भारत रत्न महामना मदन मोहन मालवीय के नाम पर राखल गइल बा. एकर मकसद बा कि दुनिया भर में भारत से शिक्षक भेजल जा सके. सुशासन दिवस का मौका पर प्रधानमंत्री मोदी पंडित मदन मोहन मालवीय अंतर विश्वविद्यालय शिक्षण प्रशिक्षण संस्थान के आधारशिला रखलन. - प्रधानमंत्री मोदी के वाराणसी अइला पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ परिवार कल्याण मंत्री अहमद हसन बाबतपुर हवाई अड्डा पर उनकर अगवानी कइलन. पी एम मोदी काशी हिन्दू विश्वविद्यालय पहुंचके पंडित मदन मोहन मालवीय के प्रतिमा पर माला चढ़वलन. बाद में स्वच्छता अभियान के जायजा लेबे अस्सी घाट गइलन. ओहिजा एगो समारोह में एह अभियान के सफलता पर खुशी जतावत नौ गो अउरी लोग के एह ला नामित कइलन. काशी हिन्दू विश्वविद्यालय वाराणसी के स्वतंत्रता भवन में अन्तर विश्वविद्यालय केन्द्र के आधारशिला रखलन. वाराणसी के जगन्नाथ मंदिर वाली गली में झाडू लगाके सफाई कार्यक्रम के आगे बढ़वलन. डी.एल. डब्लू का कार्यक्रम में बतवलन कि देश में चार गो रेलवे विश्वविद्यालय खोलल जाई आ एहिजा पढ़ल विद्यार्थियन के रेलवे में नौकरी दिहल जाई.
- प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेई के नब्बेवां जनमदिन बियफे का दिने सुशासन दिवस के रूप में मनावल गइल. एह दिन कई गो नया योजना के शुरुआतो भइल. दिल्ली में पेट्रोल पंप पर पाँच किलो वाला गैस सिलिण्डर बेचे के शुरुआत भइल. पेट्रोलियम मंत्री धर्मेन्द्र प्रधान कहलन कि पूरा देश में एह योजना के विस्तार कइल जाई जेहसे रसोई गैस सिलेंडर के कालाबाजारी पर रोक लाग सकी.
- गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि मंगल का दिने असम में 70 से अधिका लोग के नरसंहार करे वाला नेशनल डेमोक्रेटिक फ्रंट ऑफ बोडोलैंड संगबिजित गुट से कवनो बातचीत ना कइल जाई आ एहनी का खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई. एकरा के खतम करे ला भूटानो से सहयोग लिहल जाई.
- भाजपा नेता अरूण जेटली बतवलन कि जम्मू-कश्मीर में पार्टी विधायक सरकार बनावे के मुद्दा पर फैसला लेबे के जिम्मा पार्टी अध्यक्ष अमित शाह के दे दिहलन. जेटली बतवलन कि सभ विधायकन से बात क के ओह लोग के राय जनलन. कहलन कि भाजपा निर्दलीय आ छोटका गोलन के विधायकन से सम्पर्क बना के रखले बिया. ओने कांग्रेस आपन समर्थन पीडीपी के देबे के बात कहले बिया.
- झारखंड में चुना के आइल भारतीय जनता पार्टी के विधायकन से केन्द्रीय पर्यवेक्षक जे.पी.नड्डा आ भूपेन्द्र यादव विधायक दल के नेता चुने का बारे में राय जाने ला बियफे साँझ राँची चहुँपलन.
- उत्तर भारत में कड़ाका के जाड़ा पड़त बा. उत्तर प्रदेश में कम से कम नौ आदमी के मौत कुहा का चलते भइल सड़क हादसा में हो गइल. जम्मू कश्मीर आ हिमाचल प्रदेश में कई जगहा के तापमान जमावो बिन्दू से नीचे चल गइल बा.
- रोहतास जिला के इन्द्रपुरी इलाका के लेरुआ गांव का लगे एगो व्यवसायी के गरदन रेत के हत्या कर दिहल गइल बा.
179 total views, 2 views today