web analytics

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 27 दिसंबर 2014)

(शुक, 26 दिसंबर के खबर)

राज्यपाल से मिललन रघुबर दास आ सरकार बनावे के दावा पेश कइलन. अतवार का दिने किरया धरावल जाई.
राज्यपाल से मिललन रघुबर दास आ सरकार बनावे के दावा पेश कइलन. अतवार का दिने किरया धरावल जाई.

  • झारखंड में भाजपा विधायक दल के नेता का रूप में पहिला बेर एगो गैर आदिवासी नेता रघुबर दास के चुनल गइल बा. रघुबर दास एहसे पहिले मंत्री आ उप मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़न. भाजपा के एह फैसला पर जाति आ मजहब के राजनीति करे में माहिर नीतीश कुमार आपत्ति जतवले बाड़न. उनकर कहना बा कि झारखंड में आदिवासिए मुख्यमंत्री होखल चाहीं.
  • मतगणना के चार दिन बादो ले जम्मू-कश्मीर में सरकार बनावे के हालात साफ नइखे हो पावत. राज्यपाल का तरफ से पीडीपी आ भाजपा दुनू गोल के शुक का दिने बोलावल गइल बा. पीडीपी के सबेरे आ भाजपा के दिन में. भाजपा के जिद्द बा कि मुख्यमंत्री ओकरा दल के होखे जबकि बाकी गोलन के जिद्द बा कि मुख्यमंत्री मुसलमान होखे के चाहीं. देश के अनेके राज्य में हिन्दू बहुमत का बावजूद मुसलमान मुख्यमंत्री बनत आइल बाड़न बाकिर कश्मीर में जिद्द बा कि मुसलमान बहुल राज्य में हिन्दू मुख्यमंत्री कइसे बन जाई!
  • सारण जिला के इसुआपुर थानाध्यक्ष के हत्या करे का आरोप में धराइल तीनो बदमाशन के कहना बा कि ओकनी के बतौर लाइनर पचास हजार रुपिया देबे के वादा का साथ कैलाश सिंह रखले रहलन. बाकिर ओह दिन पुलिस के सक्रियता का चलते पेट्रोल पंप के रुपया लूटल ना जा सकल.
  • एगो कोचिंग चलावे वाला के हत्या से नाराज विद्यार्थी आरा में जम के बवाल कटले. पुरवारा गुमटी पर अप हावड़ा अमृतसर एक्सप्रेस पर पथराव क के घंटन रोक दिहले. एह लोग के बवाल सड़को पर चलल जवना से पटना हाईवेओ जाम रहल.
  • साल 84 के सिख नरसंहार के 17 गो पीड़ित परिवारन के शुक का दिने अतिरिक्त मुआवजा के चेक गृह मंत्री राजनाथ सिंह का हाथे दिहल गइल. कांग्रेस के कहना बा कि ई चुनावी राजनीति का चलते दिहल गइल बा.
  • कोयला नीलामी आ बीमा क्षेत्र से जुड़ल दू गो विधेयक विपक्ष के मनमानी का चलते राज्यसभा से पास ना हो सकल रहे. आज ओह विधेयकन का बदले जारी अध्यादेशन पर राष्ट्रपति दस्तखत कर दिहलन.
  • शुक का दिने मुंबई शेयर बाजार में मामूली तेजी देखल गइल. सेंसेक्स 33 अंक आ 26 अंक चढ़ के बंद भइल जवन कि हाल के गिरावट का बाद बहुते मामूली कहल जाई.
  • मेलबर्न टेस्ट में आस्ट्रेलिया 5 विकेट गँवा के 259 रन बनवले बा. एहमें कप्तान स्टीवन स्मिथ (नाबाद 72), क्रिस रोजर्स (57) आ शेन वॉटसन (52) के शानदार पारी शामिल बा.
  • कोलम्बिया में एगो विमान गिरला का चलते 7 लोग के मौत हो गइल. ई विमान कोलम्बिया के उत्तरी शहर बुकारामंगा से बुध देर रात उड़ान भरला का कुछ देर बादे गिर पड़ल रहे.

 224 total views,  2 views today

%d bloggers like this: