Go to ...
RSS Feed

Archives for December 2014

खबर भोजपुरी में (बियफे, 11 दिसंबर 2014)

(बुध, 10 दिसंबर के खबर) उत्‍तरप्रदेश के आगरा में साठ गो परिवार के करीब अढ़ाई सौ लोग के हिन्दू धर्म में वापसी करावे का मामला में पुलिस एगो केस दर्ज कइले बिया. कुछ लोग के कहना बा कि ऊ अबहियों मुसलमाने बाड़े आ राशन कार्ड, बीपीएल कार्ड आ मकान दिआवे का वादा पर समारोह में

खबर भोजपुरी में (बुध, 10 दिसंबर 2014)

(मंगल 9 दिसंबर के खबर) जम्‍मू कश्‍मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग मंगल का दिने शांति से पूरा हो गइल. जम्‍मू कश्‍मीर में 58 फीसदी आ झारखंड में 61 फीसदी वोटर आपन वोट करे अइलें. सरकार मोटरवाहन अधिनियम -1988 में संशोधन करे के सोचत बिया. ई बात मंगल का दिने सड़क

खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 दिसंबर 2014)

(सोमार 8 दिसंबर के खबर) बरीसन बाद श्रीनगर में भइल कवनो प्रधानमंत्री के जनसभा में पीएम नरेन्द्र मोदी जम्मू कश्मीर के लोगन के भरोसा दिहलन कि घाटी के बिसराइल आन आ शान फेरू वापिस ले अइहें. कहलन कि एहिजा के लोग हर तरह के तरीका आजमा चुकल बा आ अब विकासे के राह बाचल बा

खबर भोजपुरी में (सोमार, 8 दिसंबर 2014)

(अतवार 7 दिसंबर के खबर) योजना आयोग का जगहा बने वाला निकाय पर चरचा खातिर देश भर के मुख्यमंत्रियन संगे बइठक करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि नयका निकाय में राज्यन के खास भूमिका होखे के चाहीं. कहलन कि राज्यन का बीच के विवाद सलटावे ला एगो मंच बनवलो के जरूरत बा. एह बइठका में

खबर भोजपुरी में (अतवार, 7 दिसंबर 2014)

(शनिचर 6 दिसंबर के खबर) शनिचर 6 दिसम्बर का दिने बाबा साहब अंबेडकर के 59वाँ ‘महापरिनिर्वाण दिवस’ पर राष्ट्रपति प्रणब मुख्रर्जी, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, उप राष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी, खाद्य मंत्री राम विलास पासवान वगैरह खासमखास लोग श्रद्धांजलि दिहल. बिहार के सगरी गाँवन में एक एक गो सफाई कर्मी बहाल करी बिहार सरकार. साथही टोला

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 6 दिसंबर 2014)

(शुक, 5 दिसंबर के खबर) जम्‍मू कश्‍मीर चुनाव में जनता के बड़हन भागीदारी देखला का बाद लोग के हदसावे खातिर शुक का दिने आतंकवादी कई जगहा ताबड़तोड़ हमला कइलें जवना में 11 गो सुरक्षाकर्मी आ 8 आतंकवादियन समेत 21 लोग मरा गइल. उत्‍तरी कश्‍मीर के बारामूला जिला के मोहरा में सेना शिविर पर भोरे तीन

खबर भोजपुरी में (शुक, 5 दिसंबर 2014)

(बियफे 4 दिसंबर के खबर) मऊ जिला के रानीपुर थाना के महासो गाँव का नियरा एगो बिना फाटक वाला क्रासिंग पर एगो स्कूल वाहन के आजमगढ़ से वाराणसी जात तमसा पैसेंजर ट्रेन से धक्का लाग गइल जवना से पाँच गो छोट विद्यार्थियन के ओहिजे मौत हो गइल आ आठ गो अउरी छात्र घवाहिल हो गइले.

खबर भोजपुरी में (बियफे, 4 दिसंबर 2014)

(बुध 3 दिसंबर के खबर) अयोध्या मामिला से अपना के अलग कर लेबे के हाशिम अंसारी के बयान का बाद मुस्लिम जमात उनुका के मनावे में लाग गइल बा. सेकूलर जमात के ठकुआ मार दिहले बा कि आखिर हाशिम अइसे कइसे कह दिहलें. हाशिम अंसारी के कहना बा कि अब ऊ बाबरी मस्जिद मुकदमा के

खबर भोजपुरी में (बुध, 3 दिसंबर 2014)

(मंगल 2 दिसंबर के खबर) पीएम मोदी का आवास पर भइल चयन समिति के बइठक में बिहार कैडर के अनिल कुमार सिन्हा के नयका सीबीआई डायरेक्टर चुनल गइल. एह बइठक में पीएम मोदी के अलावा सु्प्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश एच एल दत्तू आ लोकसभा में सबले बड़का विपक्षी दल कांग्रेस के नेता मलिकार्जुन खड़गे

खबर भोजपुरी में (मंगल, 2 दिसंबर 2014)

छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सोमार का दिने नक्सली घात लगा के सीआरपीएफ के गश्ती दल पर हमला क दिहले आ एगारह गो जवान आ दू गो अधिकारी मिला के तेरह लोग के जान ले लिहले. पाँच गो जवान घवाहिल बाड़े. एह दौरान तीन गो अउरिओ पार्टी जंगल में घेराइल बा जवना में सीआरपीएफ, कोबरा

खबर भोजपुरी में (सोमार, 1 दिसंबर 2014)

पेट्रोल आ डीजल के दाम में अतवार का अधरतिया से फेरू कमी क दिहल जाई. दुनिया के बाजार मेश कच्चा तेल के दाम में लगातार गिरावट का चलते ई कमी आइल बा. पेट्रोल के दाम में हर लीटर पर 91 पइसा आ डीजल का दाम में चौरासी पइसा के कमी कइल गइल बा. आसाम के

‹‹Newer Posts