Archives for January 2015
(शुक, 30 जनवरी के खबर) कांग्रेस के बड़ आ पुरान नेता अउर पिछला चुनाव से कुछ दिन पहिले ले केन्द्र में पर्यावरण मंत्री रहल जयंती नटराजन आजु पार्टी छोड़ दिहली. सोनिया गाँधी के भेजल एगो लमहर चिट्ठी में ऊ बतवले बाड़ी कि उनकर परिवार चार पीढ़ी से कांग्रेस का संगे रहल तबहियों पता ना कवना
(बियफे, 29 जनवरी के खबर) पुरनका जनता परिवार के एक जुट करे के मुहिम पर चोट करत राजद के लालू आज कह दिहलन कि उनकर गोल अलगे चुनाव लड़ी. एह एलान से छनछनाइल नीतीश कुमार अब मुलायम सिंह का साथे होखे वाला बइठका में ना जाए के फैसला कइले बाड़न. ना खुदा ही मिला ना
(मंगल, 27 जनवरी के खबर) अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा के कहना बा कि उनकर देश भारत के बेहतरीन भागीदार हो सकेला. तीन दिन के दौरा पूरा कइला से पहिले दिल्ली के सिरिफोर्ट में नवहियन के संबोधित करत कहलन कि अमेरिका एह बात के समर्थन करत बा कि सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सदस्यता
(सोमार, 26 जनवरी के खबर) दिल्ली के गणतंत्र दिवस परेड समारोह के मुख्य अतिथि बन के आइल अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा कई गो रिकार्ड बना दिहलन. अमेरिका के सिक्रेट सर्विस के नियम कवनो राष्ट्रपति के खुला में पैंतालीस मिनट से अधिका ना रहे देव बाकिर आजु बराक ओबामा पूरा दू घंटा ले राजपथ पर बइठल
भारत के गणतंत्र दिवस का मौका पर सगरी भारतवासियन के हार्दिक बधाई! (अतवार, 25 जनवरी के खबर) भारत के दौरा करे आइल अमरीकी राष्ट्रपति आ भारत के पीएम के आपसी समझदारी का पहल पर भारत अमरीका का बीच न्यूक्लियर डील क्लियर हो गइल. दुनू देश आपसी सहयोग आ समझदारी से आगे बढ़त रहीहें. एकरा साथही
(शनिचर, 24 जनवरी के खबर) अमरीकी राष्ट्रपति बराक ओबामा तीन दिन के भारत यात्रा पर अतवार का भोरे चहुँपिहें. उनुका संगे उनकर पत्नी मिशेल ओबामा, बड़का अधिकारी आ अमरीकी उद्योगपतियन के एगो समूहो आवत बा. ओबामा के ई तिसरका आ राष्ट्रपति के रूप में दुसरका भारत यात्रा ह. ओबामा अबकी के गणतंत्र दिवस समारोह के
वसंत पंचमी का पावन पर्व पर रउरा सभे ला मंगल कामना. (शुक, 23 जनवरी के खबर) आरा के सिविल न्यायालय परिसर में पेशी खातिर ले आवत कैदियन के छोड़ावे खातिर एगो मेहरारू आत्मघाती बम विस्फोट क दिहलस जवना का बाद आपाधापी में दू गो बदमाश – लंबू शर्मा आ अखिलेश उपाध्याय – भाग निकलले सँ.
(बुध, 21 जनवरी के खबर) स्वाइन फ्लू से तेलंगाना में नाहियो त 19 जने के मौत हो चुकल बा आ एकरा के रोके के हर संभव उपाय कइल जा रहल बा. तीस लोग के इलाज अस्पतालन में हो रहल बा. हालांकि जनता के चेतावल गइल बा कि घबरा के अपने से आपन बचाव के इलाज
(मंगल, 20 जनवरी के खबर) कांग्रेस आ भाजपा से घूस के रुपिया ले के आआपा के वोट देबे के सलाह देबे वाला अरविन्द केजरीवाल के निर्वाचन आयोग नोटिस भेजले बावे कि काहें ना उनुका खिलाफ कार्रवाई कइल जाव. केजरीवाल के बियफे ले जवाब देबे के कहल गइल बा. एने केजरीवाल मंगल का दिने जुलूस ले
(सोमार, 19 जनवरी के खबर) भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति के बइठक नई दिल्ली भइल जवना में दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के उम्मीदवारन के नाम तय कइल गइल. एह बइठक में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, पार्टी प्रमुख अमित शाह, सुषमा स्वराज, अरूण जेटली आ नितिन गडकरी शामिल भइले. बइठक का बाद अमित शाह कहलन कि
(अतवार, 18 जनवरी के खबर) सूचना प्रसारण मंत्री अरुण जेटली मीडिया से सनसनी फैलावे आ मीडिया ट्रायल चलावे से गुरेज करे के सलाह दिहलन. कहलन कि बड़को मामिलन में निजता के गोपनीयता राखे के चाहीं. साथही इहो कहलन कि सुरक्षा कार्यवाहियन के जीवंत प्रसारण पर रोक लगावे पर विचार कइल जात बा काहें कि एहसे
(शनिचर, 17 जनवरी के खबर) शनिचर का दिने रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर बेंगलुरू में एगो समारोह में भारतीय वायु सेना के देश में बनल हलुका लड़ाकू विमान तेजस के पहिला खेप सँउपलन. एह मौका पर एलसीए तेजस, एडवांस लाइट हेलीकॉप्टर ध्रुव, लाइटकामवेट हेलीकाप्टर आ आधुनिक परीक्षण विमान होग के हवाई प्रदर्शनो देखावल गइल. बिहार के
(शुक, 16 जनवरी के खबर) शुक का दिने आम आदमी पार्टी के बड़का नेतन में शामिल शाजिया इल्मी भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइली. भाजपा अध्यक्ष अमित शाह से भेंट कइला का बाद मीडिया से बतियावत में इल्मी कहली कि उनकर मन चुनाव लड़े के नइखे बाकिर पार्टी के फैसला मनीहें. शुके का दिने
(बियफे, 15 जनवरी के खबर) एगो बड़हन दाँव खेलत भाजपा आजु देश के पहिलका महिला आईपीएस अधिकारी रहल किरण बेदी के अपना गोल में शामिल क लिहलसि. कहल जात बा कि भाजपा इनके के आपन मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार मान के चुनाव लड़ी. बाकिर हो सकेला कि एकर बाकायदा एलान ना होखे. किरण बेदी के
मकर संक्रान्ति के पर्व खिचड़ी का दिने सगरी पाठक-पाठिका परिवार ला मंगल कामना. (बुध, 14 जनवरी के खबर) पता ना सचहू बुखार रहे कि बुखार के बहाना, बाकिर नीतीश कुमार बुध का दिने लालू का डेरा पर दही चूड़ा खाए ना अइलन. भोज में सभे चहुँपल बाकिर उहे ना अइलन जिनकर सबले बेसी इंतजार रहुवे.
(मंगल, 13 जनवरी के खबर) राजद अध्यक्ष अध्यक्ष लालू प्रसाद आजु साफ कहलन कि जदयू आ राजद के आपस में घोरा जाए के कवनो उमीद नइखे. कहलन कि होखी त जनता पार्टी परिवार के सगरी गोल के घोल ना त केहू के ना. सुने में आवत बा कि मुलायम सिंह यादव सगरी गोल के घोल
(सोमार, 12 जनवरी के खबर) स्वामी विवेकानन्द जयन्ती आजु देश भर में राष्ट्रीय युवा दिवस के रुप में मनावल गइल. साल 1963 में कोलकाता के एगो शाही बंगाली परिवार में जनमल विवेकानंद आधुनिक भारत के निर्माता रहलन आ उनुका देश के नवहियन के बेंवत पर पूरा भरोसा रहुवे. गृहमंत्री राजनाथ सिंह आज गौहाटी में एगो
(अतवार, 11 जनवरी के खबर) गांधीनगर में 7वाँ वाइब्रेंट गुजरात वैश्विक निवेशक सम्मेलन-2015 के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी लगातार आ समहर विकास पर जोर दिहलन. कहलन कि एही से दुनिया के अर्थव्यवस्था में आवत उतार-चढ़ाव से निबटल जा सकी. कहलन कि सरकार पूरा कोशिश करत बिया कि भारत में व्यापर करल आसान हो सके.
(शनिचर, 10 जनवरी के खबर) वीडियो कांफ्रेंसिग का जरिए देश भर के उपराज्यपालन के दिहल नया साल के सनेस में राष्ट्रपति देश के भितरी आ बाहरी सुरक्षा आ भौगोलिक अखंडता सुनिश्चित करे खातिर हर संभव उपाय करे के सलाह दिहलन. कहलन कि तीस बरीस बाद देश में पूा बहुमत वाली सरकार के शासन आइल बा.
(शुक, 9 जनवरी के खबर) बिहार में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पद से हटावे के चरचा से राजनीतिक माहौल गरमा गइल बा. केकरा के अगिला मुख्यमंत्री बनावल जाय एह बात पर लालू, शरद आ नीतीश का बीचे बातचीत होखे के खबर बा आ श्यामो रजक से बतियावे के खबर बा. हालांकि सरद यादव कहलन
Older Posts››