खबर भोजपुरी में (शुक, 2 जनवरी 2015)

(बियफे, 1 जनवरी के खबर)
Pm-Modi-NewYear

  • हिन्दू धर्म के भावना पर चोट करे वाली फिलिम ‘पीके’ के यूपी का बाद अब बिहारो में टैक्स फ्री क दिहल गइल बा. एह बारे में जानकारी देत मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि ई फैसला पहिले मुख्यमंत्री रहल जदयु नेता नीतीश कुमार के कहला पर लिहल गइल बा.
  • केन्द्र सरकार बियफे का देिने 64 साल पुरान योजना आयोग का जगहा नेशनल इंस्‍टीटयूशन फॉर ट्रांसफ्रॉर्मिंग इंडिया (NITI) आयोग बनावे के एलान कइलसि. प्रधानमंत्री एकर अध्यक्ष रहीहन. एकरा संचालक मंडल में मुख्‍यमंत्रियन आ केन्‍द्र शासित प्रदेशन के उप राज्‍यपालन के शामिल कइल जाई.
  • जम्मू-कश्मीर के राज्यपाल से भेंट क के भाजपा कहलसि कि सरकार बनावे ला बातचीत हो रहल बा आ सरकार बनावे में अबहीं कुछ समय लागे वाला बा. भाजपा जल्दबाजी में कवनो फैसला लिहल नइखे चाहत एहसे कुछ समय दिहल जाव. राज्यपाल एह ला 19 तारीख ले समय दिहले बाड़न.
  • दिल्‍ली विधानसभा चुनाव खातिर कांग्रेस अपना 24 गो उम्‍मीदवारन के पहिलका सूची जारी क दिहलसि. आआपा का तरफ से 62 उम्मीदवारन के सूची जारी हो चुकल बा बाकिर भाजपा का तरफ से अबहीं कवनो सूची उजागर नइखे कइल गइल.
  • रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर पाकिस्‍तान का तरफ से बेर-बेर संघर्ष विराम लाँघे के निन्दा कइले आ कहलन कि पाकिस्तान के हमला के निकहा जवाब दिहल जाई.
  • मुंबई आतंकी हमला के मुख्‍य आरोपी जकी-उर-रहमान लखवी के चौदह दिन के न्यायायिक हिरासत में रावलपिंडी जेल भेज दिहल गइल बा.
  • असम में शोणितपुर आ कोकराझार जिला में पिछला दिने भइल नरसंहार के जांच राष्‍ट्रीय जांच एजेंसी शुरू क दिहले बिया.
  • भारतीय रिजर्व बैंक लोग के चेतवले बिया कि मल्टी लेवल मार्केटिंग वाली कंपनियन से अलगे रहे लोग काहे कि एहमें अधिका लोग के नुकसाने हाथ लागेला.
  • साल के पहिलका दिने मुंबई शेयर बाजार मामूली तेजी का साथ बंद भइल. सेंसेक्स में महज 8 अंक आ निफ्टी में 1 अंक के बढ़त भ‎इल. रुपिया में 32 पैसा के कमजोरी आइल आ सोना 100 रुपिया सस्ता हो गइल. चाँदी के दाम में 800 रुपिया के गिरावट भ‎इल.
  • शुक का दिन से बिना सब्सिडी वाला रसोई गैस सिलिण्डर के दाम में 43.50 रुपिया के कमी क दिहल गइल बा. बाकिर सब्सिडी वाला सिलिंडर के दाम में कवनो कमी नइखे भइल. पहिला जनवरी से रसोई गैस खरीदे वाला लोग के पूरा दाम देबे के पड़ी आ सब्सिडी के रुपिया बाद में ओह लोग के खाता में भेज दिहल जाई. बाकिर एह बीच जे लोग अबहीं ले ‘पहल’ योजना में शामिल नइखे हो सकल ओह लोग के 31 मार्च तक ले सब्सिडी के दाम पर सिलिंडर मिलत रहे के कहल गइल बा.
  • यूपी विधान परिषद के बारह गो सीट के दूबरसा चुनाव 23 जनवरी के करावल जाई. अधिसूचना 6 जनवरी के जारी होखी आ ओहदिन से 13 जनवरी ले परचा दाखिल कइल जा सकी. 14 तारीख के जाँच होखी आ 16 तारीख ले नाम वापिस लिहल जा सकी. जरूरत पड़ल त 23 जनवरी के मतदान करावल जाई आ ओही दिन साँझ ले परिणाम बता दिहल जाई. एहमें विधायके लोग वोट देला.
  • उत्तर प्रदेष बोर्ड माध्यमिक शिक्षा परिषद एह साल से हाईस्कूल आ इण्टरमीडिएट परीक्षा में नकल आ धांधली रोके खातिर उत्तर पुस्तिका में थ्री डी होलोग्राम लगाई. अगर केहू एकरा के मेटावे के कोशिश करी त उत्तर पुस्तिका खराब हो जाई आ ओकरा के बदलल ना जाई.
  • बियफे का दिने यूपी में मौसम के मिजाज फेरू गड़बड़ा गइल. कई जगहा बरखा पड़ला का चलते नया साल के जश्न मनावे वाला लोग के मस्ती में बाधा पड़ल आ लोग के परेशानी फेरू बढ़ गइल. हालांकि ई बरखा गेंहू के फसल खातिर फायदेमंद रही जबकि तिलहन के फसल के नुकसान होखी. बिहार में ठंड से कुछ राहत मिलल. फजीरहीं से घाम निकल आइल रहे.
  • बिहार के विश्वविद्यालयन में अंगीभूत कॉलेजन में भोजपुरी, मगही, पाली, गांधीयन थॉट्स, रसियन स्टडीज समेत अनेके विषय के शिक्षकन के नियुक्ति के प्रस्ताव शिक्षा विभाग तइयार कइले बा. अइसन 83 गो पद खाली पड़ल बाड़ी सँ.
  • कटिहार जिला के कोढ़ा में नेशनल हाईवे 31 पर भइल एगो सड़क हादसा में जदयू नेता अभय कुमार सिंह के मौत हो गइल. कार में सवार तीन लोग घवाहिल भइल बा.
  • पश्चिम चम्पारण के चोतरवा थाना के महुअवा सड़क पर एक ट्रैक्टर पलटला से एक आदमी के ठाँवे पर मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले.
  • रोहतास जिला के बड्डी थाना के आलमपुर गाँव का लगे सड़क हादसा में एगो मेहरारू कचरा के मर गइल.
  • सारण जिला के तरैया-मढौरा रोड पर एगो बस दुर्घटना में एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन.
  • यूपी के सबले सीनियर अधिकारी अरुण कुमार गुप्ता के राज्य के नयका डीजीपी बना दिहल गइल बा बाकिर ई 31 जनवरी के रिटायरो हो जइहें.
  • देर से मिलल खबर में पता चलल बा कि भारत के सबले लमहर आदमी सारण के मुसेहरी गाँव के जितेन्द्र सिंह के मौत 31 दिसंबर का दिने 44 साल के उमिर में हो गइल. जितेन्द्र सिंह के गोड़ में 18 इंच के जूता आवत रहुवे जवन बाटा कंपनी अलग से बना के रियायती दाम पर देत रहुवे. उनकर लंबाई 231 सेंटीमीटर नापल गइल रहे. इनका से पहिले सबले लमहर आदमी हरियाणा के रहले जिनकर लंबाई 252 सेंमीटर रहुवे. उनकरो मौत 21 साल के उमिर में हो गइल रहुवे.