(शनिचर, 3 जनवरी के खबर)
मुंबई में 102वां भारतीय विज्ञान कांग्रेस के उद्धाटन समारोह के संबोधित करत पीएम मोदी.
- जम्मू-कश्मीर में पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी से भारत के सेना के दू गो जवान आ एगो नागरिक महिला के मौत हो गइल. लोग आपन घर-बार छोड़ सुरक्षित ठिकाना खोजे लागल बा.
- प्रधानमंत्री मोदी बैंकन के सलाह दिहले कि रोजगार देबे वाली कंपनियन के करजा देबे में महत्व दिहल जाय. कहलन कि आम लोग के सहायता चहुँपावे में बैंकन के बढ़-चढ़ के काम करे के चाहीं. कहलन कि सरकार बैंकन के काम में कवनो तरह के दखलंदाजी के खिलाफ बिया.
- शनिचर का दिने प्रधानमंत्री मुम्बई विश्वविद्यालय में भारतीय विज्ञान कांग्रेस-2015 के उद्घाटन करत कहलन कि विज्ञान आ प्रौद्योगिकि के इस्तेमाल मानवता के विकास ला होखे के चाहीं. कहलन कि शोधो के आसान बनावल ओतने जरूरी बा जतना कारोबार कइला के आसान बनावल.
- केंद्र देश भर में सात हजार खेल परिसर बनावे के सोचत बिया. खेल आ युवा मामलों के मंत्री सर्वानंद सोनोवाल कहलन कि राज्यसरकारन से एह खेल परिसर ला जमीन दिआवे के कहल गइल बा.
- सोनी पिक्चर्स पर उत्तर कोरिया के साइबर हमला का चलते अमेरिका उत्तर कोरिया पर अउर नया प्रतिबंध लगा दिहले बावे. ओकरा तीनो माथ खुफिया आ सशस्त्र अभियान समेत 10 गो सरकारी अधिकारियन के प्रतिबंधित सूची में डाल दिहल गइल बा.
- उत्तर भारत के अनेक इलाका में शनिचर का दिने सर्दी से कुछ राहत मिलल बाकिर बरखो होखे के खबर बा.
- यूपी के ओह स्कूलन में प्लस टू के शिक्षकन के बहाली ना होखी जहाँ प्लस टू के पढ़ाई अबले शुरूए नइखे भइल. एह फैसला का बाद अब बहाल होखे वाला शिक्षकन के गििती अधिया जाई. पहिले कुल 36 हजार शिक्षकन के बहाल करे के योजना रहुवे.
99 total views, 2 views today