web analytics

खबर भोजपुरी में (सोमार, 5 जनवरी 2015)

(अतवार, 4 जनवरी के खबर)

झारखंड के मुख्यमंत्री रघुबर दास नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट करे अइलन.
झारखंड के मुख्यमंत्री रघुबर दास नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट करे अइलन.

  • बलिया जिला के रेवती के एगो स्कार्पियो के ड्राइवर ब्रजेश के जान मार के स्कार्पियो छीन भागे वाला तीन गो गिरफ्तार बदमाशन में से एगो भीम तुरहा अतवार का भोरे दिशा मैदान करे का बहाने रेवती थाना से भाग निकलल त ब्रजेश के परिजन आ गाँव वाले नाराज हो के थाना पर प्रदर्शन करे लगले. एही बीच एगो सिपाही से ओह लोग के बाताबाती हो गइल आ ओकरा बाद थाना पर पथराव होखे लागल. जानकारी मिलला का बाद पुलिस के बड़का अधिकारी चहुँपले आ इलाका के रसूखदार लोग के बोलवा के हालात पर काबू पवले. थाना में 300 लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज क लिहल गइल बा जबकि ओह अपराधी के भागे भा भगावे वाला का खिलाफ कुछ होखे के खबर नइखे.
  • गाजीपुर जेल में बंद अपराधी अजीत यादव के रंगदारी चहुँपा के लवटत चार गो ईंट-भट्ठा मालिकन के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस. हालांकि रंगदारी के रुपिया लेबे वाला अजीत यादव के गिरोहवाला पकड़ में नइखे आइल.
  • बसपा प्रमुख मायावती पर टिकट बेचे के आरोप हमेशा से लागत आइल बा. अबकी ई आरोप लगवले बाड़न राज्यसभा में बसपा सांसद जुगलकिशोर. उनकर कहना बा कि आरक्षित सीट पर पचास पचास लाख आ जेनरल सीट पर एक एक करोड़ रुपिया वसूलत बाड़ी मायावती. जुगल किशोर के पार्टी के सगरी जिम्मेदारी से हटा दिहल गइल बा अब.
  • जौनपुर के गौराबादशाह इलाका के एगो गाँव में दसवीं में पढ़ेवाली एगो लईकी संगे तीन गो नवही जबरिया कुकर्म कइलन जब ऊ साँझ खानि दिशामैदान ला निकलल रहुवे. बाद में दू गो का खिलाफ मुकदमा दर्ज भइल बा. चूंकि लइकी दूईएगो का बारे में बतवलसि.
  • भदोही जिला के गोपीगंज में मिर्जापुर तिराहा पर एगो मोटर साइकिल बिछिला गइल आ ओह पर सवार आदमी अपना दू गो कम उमरिया बेटन समेत सड़क पर फेंका गइल. तबले एगो तेज रफ्तार ट्रक तीनो के कचारत भाग निकलल. तीनो के मौत ठाँवे प हो गइल.
  • अतवार का दिने यूपी आ बिहार में कई जगहा बारावफात के जुलूस निकलल. अइसने एगो जुलूस इलाहाबाद में बवाल मचा दिहलसि. एह लोग के शिकायत रहुवे कि जुलूस पर ढेला मारल गइल रहे. पथराव से एसडीएम सोरांव के कपार फूट गइल. पुलिस करीब एक दर्जन लोग के गिरफ्तार कइले बिया.
  • चुनाव आयोग अब देश भर के मतदाता के एकही सूची बनावे के काम में लागल बिया जवना का बाद सूची में नाम जोड़वावल भा कटावल आसान हो जाई आ एके आदमी के कई जगहा वोटर ना बनावल जा सकी.
  • भारत पर आतंकी हमला करे आवत नाव पर भइल विस्फोट का मामला में कांग्रेस के कहना बा कि सरकार झूठ बोलत बिया आ ऊ नाव पाकिस्तानी रहल कवनो आतंकी वाला ना रहे. एह तरह के बयानबाजी क के कांग्रेस आपन वोट बैंक राजनीति करत बिया आ पाकिस्तान के साथ देत बिया. जबकि सुरक्षा एजेंसियन के कहना बा कि आतंकियन के निशाना पोरबंदर के नौसेना केन्द्र रहुवे. कांग्रेस ओहू बेरा उलटबांसी कइले रहुवे जब पाकिस्तानी आतंकी मुंबई पर हमला कइले रहले. तब सुशील कुमार शिंदे एह हमला में भगवा आतंक के हाथ होखे के बात कहले रहले.
  • कोलकाता हवाई अड्डा के फोन पर मिलल धमकी का बाद सगरी देश में हवाई अड्डन के सुरक्षा कड़ा क दिहल गइल बा. फोन करे वाला आदमी के कोलकाता पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया आ ओकरा से पूछताछ चलत बा.
  • केन्‍द्रीय सूचना आयोग कहले बावे कि शहरी विकास मंत्रालय वेबसाइट पर सगरी जानकारी सार्वजनिक करे कि कवना राजनीतिक गोल के कवन जमीन भा बंगला दिहल गइल बा. ई काम चार हफ्ता का भितरे कर लेबे के कहल गइल बा.
  • उत्तर भारत में अतवार का दिने जाड़ा से राहत मिलल बा लोगन के.
  • इस्लाम धर्म के पैगम्बर हजरत मोहम्मद साहब के जनमदिन मिलाद-उन-नबी का रूप में देशभर में मनावल गइल. एह मौका पर राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ राज्यन के मुख्यमंत्री लोग के बधाई दिहलन.
  • जदयू के प्रदेश कार्यकारिणी अपना बइठक में राजद संगे एगो नया पार्टी में बिला जाए के मंजूरी दे दिहलसि. बाद में नीतीश कुमार कहलन कि आखिरी फैसला राष्ट्रीय परिषद के बइठक में लिहल जाई.
  • बिहार में 1 फरवरी से स्मार्ट हेल्थ कार्ड बनावे के काम शुरू होखी आ मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी पांच जनवरी के एह योजना के औपचारिक शुरूआत करीहें. पंचायत पंचायत कैम्प लगा के कार्ड बनावल जाई आ बाद में चुनल अस्पतालन में एह लोग के मुफ्त इलाज के व्यवस्था होखी.

 139 total views,  2 views today

%d bloggers like this: