web analytics

खबर भोजपुरी में (बुध, 7 जनवरी 2015)

(मंगल, 6 जनवरी के खबर)

 टाटा समूह के संस्‍थापक जमशेदजी नुसरवानजी टाटा के 175वीं जयंती का मौका पर उनका सम्मान में स्‍मारक सिक्‍का जारी कइलन प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी.

टाटा समूह के संस्‍थापक जमशेदजी नुसरवानजी टाटा के 175वीं जयंती का मौका पर उनका सम्मान में स्‍मारक सिक्‍का जारी कइलन प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी.

  • मंगल के दिन शेयर बाजार खातिर अमंगली साबित भइल आ पिछला पाँच बरीस में सबले बड़हन गिरावट का साथ बन्द भइल. बाजर गिरला के ताकत अइसन रहल कि सेंसेक्स के करीब सगरी शेयर भहरा गइले आ सेंसेक्स 855 अंक गिर के बन्द भइल. निफ्टिओ के हाल इहे रहल आ उहो 250 अंक के गिरावट का साथे बन्द भइल. बाजार के पंडितन के कहना बा कि पूरा दुनिया के गिरत बाजार का साथे भारतो के बाजार बह चलल रहे. कच्चा तेल के दाम में लगातार गिरावट आ यूरोप में ग्रीस के हालात का चलते ई गिरावट भइल. गिरावट के ई दौर कुछ लमहर चले के अनेसा जतावल जात बा आ एह बीच बढ़िया शेयरन के खरीददारी करे के मौको मिलल बा जवन पिछला चढ़ाई का दौर में खरीद से छूट गइल होखे.
  • दिल्ली पुलिस आखिरकार सुनन्दा पुष्कर के हत्या होखे के बात मान लिहलसि आ एह मामिला में हत्या के केस दर्ज कर लिहलसि. सुनन्दा के पति शशिथरूर पिछला युपीए सरकार में मंत्री रहलन आ कुछ लोग के कहना बा कि सत्ता के हनक का डर से तब हत्या के मामिला दबा गइल रहे. सुनन्दा के हत्या में खतरनाक हजर पालिनियम के इस्तेमाल होखे के अनेसा जतावल जात बा. सुनन्दा के जहर खाए भा इंजेक्शन के बात मेडिकल रिपोर्ट में कहल गइल बा. हत्या के केस दर्ज भइला पर शशि थरुर अचरज जतवले बाड़न. कांग्रेस एकरा में राजनीति देखत बिया. भाजपा प्रवक्ता नलिन कोहली कहले बाड़न कि अगर कवनो अपराध नइखे भइल त कांग्रेस घबरा काहे गइल बिया.
  • पटना उच्‍च न्‍यायालय ने जनता दल यूनाइटेड से निलंबित चार गो बागी विधायकन के विधायकी खतम करे के फैसला पर रोक लगा दिहले बावे. बिहार विधानसभा के अध्‍यक्ष उदय नारायण चौधरी एह लोग के विधायकी रद्द करे के फैसला सुनवले रहलन. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी अदालत के फैसला के सही बतावत कहलन कि विधायकन के सदस्यता रद्द कइल गलत रहुवे. भाजपा एह लोग के अपना गोल में शामिल होखे के नेवता दिहले बिया. एह बागी विधायकन के निशाना पर अब नीतीश कुमार बाड़न आ उनका के उखाड़ फेंके के बात कहत बाड़े.
  • ऑस्ट्रेलिया-न्यूजीलैड में होखे वाला अगिला विश्वकप क्रिकेट आ तिकोनिया सीरिज खातिर महेद्र सिंह धोनी के कप्‍तानी में 15 सदस्यीय भारतीय टीम के घोषित क दिहल गइल. एह खिलाड़ियन के नाम बा – कप्‍तान महेद्र सिंह धोनी, शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, अजिंक्या रहाणे, सुरेश रैना, अंबाती रायुडू, रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन अश्विन, अक्षर पटेल, इशांत शर्मा, मोहम्मद शमी, उमेश यादव, भुवनेश्वर कुमार अउर स्टुअर्ट बिन्नी. तेज गेंदबाज मोहित शर्मा आ धवन कुलकर्णी के तिकोनिया सीरिज में राखल जाई.
  • राजधानी पटना के गांधी मैदान में साल 2013 में भाजपा का हुंकार रैली में बम विस्फोट करे वाला मामिला में अदालत में दस गो आरोपियन का खिलाफ आरोप तय हो गइल. एहनी के नाम ह अजहरउद्दीन अंसारी, उमर सिद्दिकी, फकरूदीन, अहमद हुसैन, नोमान अंसारी, फिरोज आलम, इफतेखार आलम, तौफीक अंसारी, हैदर अली आ मुजिबुल्ला. एह बम धमाकन में अनेके लोग के जान चल गइल रहे.
  • पंजाब के मुख्‍यमंत्री रहल बेअंत सिंह के हत्यारन में से एगो जगतार सिंह के थाईलैंड पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया जे पिछला अक्‍टूबर से गुरमीत सिंह के नाम ध के थाईलैंड में रहत रहुवे.
  • नागरिकता अधिनियम में संशोधन के अध्‍यादेश पर राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी के हस्‍ताक्षर हो गइला का बाद भारतीय मूल के लोग के आजीवन वीजा दे दिहल जाई आ हर बेर भारत अइला पर थाना में हाजिर होखे के जरूरत ना पड़ी ओह लोग के. साथही भारत में शादी करे वाला विदेशियन के भारत के नागरिकता मिलल आसान बना दिहल गइल बा.
  • कोयला उद्योग के मजदूर मंगल से पाँच दिन के हड़ताल प चल गइल बाड़े. एह लोग के शिकायत बा कि सरकार कोल इंडिया में विनिवेश काहे करत बिया आ ओकर पुनर्गठन काहे कइल चाहत बिया.
  • देश भर के बैंकन में बुध का दिने होखे वाला हड़ताल टार दिहल गइल बा. यूनाइटेड फोरम आफ बैंक यूनियंस के संयोजक एम वी मुरली ई जानकारी देत कहलन कि भारतीय बैंक एसोसिएशन अपना वेतन संशोधन प्रस्‍ताव में सुधार क लिहले बावे जवना का बाद हड़ताल के टार देबे के फैसला कइल गइल.
  • टाटा समूह के संस्‍थापक जमशेदजी नुसरवानजी टाटा के 175वीं जयंती का मौका पर उनका सम्मान में स्‍मारक सिक्‍का जारी कइलन प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी.
  • सिड‍नी में चउथा आ आखिरी टेस्ट मैच के पहिला दिने ऑस्‍ट्रेलिया दू विकेट का नुकसान पर 348 रन बना लिहले बावे.
  • एह साल यूपी में सात करोड़ आ बिहार में अढ़ाई करोड़ लोग के आधार कार्ड बना के भारतीय विशिष्‍ट पहचान पत्र प्राधिकरण बड़हन काम कइले बा.
  • वाराणसी नगर निगम के सीमा में 78 गो अउरी गाँवन के शामिल करे के प्रस्ताव नगर निगम के सदन में सभका मरजी से पारित हो गइल. एह लोग के अब बेहतर नागरिक सुविधा दिहल जा सकी. इहो फैसला भइल कि अगिला दस बरीस ले एह गाँव के लोग से गृह कर ना वसूलल जाई.
  • पिछले तीन दिन से घाम निकलला का बावजूद जाड़ा के प्रकोप बनल बा. यूपी आ बिहार में जाड़ा से लोग ठिठुरत बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: