web analytics

खबर भोजपुरी में (बियफे, 8 जनवरी 2015)

(बुध, 7 जनवरी के खबर)

फ्रांस के कार्टून पत्रिका के संपादक चार्ली हेब्दो जिनकर हत्या क दिहल गइल.
फ्रांस के कार्टून पत्रिका के संपादक चार्ली हेब्दो जिनकर हत्या क दिहल गइल.

  • फ्रांस का राजधानी पेरिस में एगो कार्टून पत्रिका के कार्यालय पर हमला क के ओकरा संपादक समेत बारह लोग के गोली से भूंज दिहले स दू गो नकाबपोश बंदूकधारी. सात लोग घवाहिलो भइल बा. घटना का बाद ऊ अल्लाहु अकबर के नारा लगावत निकल भगले स. बतावल जात बा कि ओह पत्रिाक में कुछ कार्टून इस्लाम का खिलाफ निकलल रहुवे आ ओकरे बदला लेबे खातिर ई हमला भइल रहे. एह हमला के सगरी दुनिया में निंदा भइल बा. हमनी किहाँ हिन्दू देवी देवतन के नंगा तस्वीर बनाएवाला चित्रकार के लोग महान कलाकार बतवलसि आ पीके जइसन फिलिम के टैक्स फ्री क दिहल गइल बा यूपी आ बिहार में. बाकिर एहिजो केहू इस्लाम भा ईसाईयन का बारे में कवनो गलत बात ना कह सके.
  • पेरिस में भइल एह हमला के भारत के राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी निंदा कइले बाड़न आ पीएम मोदी घिनौना काम बतवले बाड़न. कहलन कि पूरा भारत एह दुख का घड़ी में फ्रांस का साथे बा. कांग्रेस अध्‍यक्षा सोनियो गांधी एह घटना के निंदा कइले बाड़ी.
  • दिल्‍ली आ लाहौर के बीच चले वाली दोस्‍ती बस सेवा अब सीमा के पार नइखे जात आ वाघा बोर्डर पर लोग के बस बदल के पाकिस्तान जाए के पड़त बा. पाकिस्तान एह रोक के एह बहाने लगवले बा कि ओहिजा आतंकी खतरा बढ़ गइल बा. ओने पाकिस्‍तानी सुप्रीमकोर्ट मुम्‍बई हमले के साजिश रचे वाला जकीर उर रहमान लखवी के हिरासत निलम्बित करे के हाईकोर्ट के आदेश के पलट दिहले बिया आ अब लखवी के जेले में रहे के पड़ी.
  • 13वां प्रवासी भारतीय दिवस बुध का दिने गुजरात की राजधानी गांधी नगर में शुरू हो गइल. पीएम मोदी बियफे का दिने एकर विधिवत उद्घटन करीहें. तीन दिन चले वाला ई समारोह महात्‍मा गांधी के दक्षिण अफ्रीका से भारत वापसी के सौ बरीस पूरा होखे का मौका पर बोलावल गइल बा.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में सरकार बनावे खातिर अहजह बरकरार बा. कवनो गोल सोझा नइखे आइल अबले. भाजपा के कहना बा कि अबहीं ले ओकरा आ पीडीपी का बीच एह बारे में ढंग से बातचीत शुरू नइखे भइल. ओने ओडिशा में भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह दावा कइले बाड़न कि ओडिशा में अगिला सरकार भाजपा के होखी आ ऊ अकेले सरकार बनाई.
  • सिडनी में चउथा आ आखिरी टेस्ट का दुसरका दिन के खेल खतम होखे बेरा भारत एक विकेट गवां के 71 रन बनवले रहुवे. एहसे पहिले अपना पहिला पारी में आस्ट्रेलिया 572 रन बनवलसि आ भारत के फालोआन टारे ला अबहियो 302 रन बनावे के बा.
  • मुंबई शेयर बाजार में बुधो का दिने गिरावट के दौर जारी रहल. सेंसेक्स में 79 अंक आ निफ्टी में 25 अंक के गिरावट आइल. रुपिया 40 पइसा मजबूत भइल. कच्चा तेल के दाम सैंतालिस डालर का नीचे चल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश विधान परिषद के बारह सीट पर चुनाव खातिर बुध का दिने बसपा के तीन गो उम्मीदवार – नसीमुद्दीन सिद्दिकी, धर्मवीर सिंह अशोक आ प्रदीप कुमार जाटव – आपन परचा दाखिल क दिहले. 13 तारीख ले परचा दाखिल कइल जा सकेला.
  • बिजली के चोरी रोके आ बिजली के बकाया बिल वसूली ला यूपी में 12 जनवरी से सघन अभियान चलावल जाई.
  • बिहार में जदयू के चार गो अउर बागी विधायक – पूनम देवी, अजीत कुमार, सुरेश चंचल आ राजू सिंह – आपन विधायकी खतम करे के फैसला का खिलाफ हाई कोर्ट में आपन गोहार लगा दिहले. एहसे पहिले बरखास्त चार गो विधायकन – ज्ञानेन्द्र सिंह ज्ञानू, नीरज कुमार बबलू, राहुल कुमार आ रवीन्द्र राय – के विधायकी हाईकोर्ट बहाल क चुकल बा. जदयू ओह फैसला का खिलाफ अब दू गो जज के बेंच में गोहार लगाई.
  • बोधगया में इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट (आईआईएम) स्थापित करे के राह साफ हो गइल बा. केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति इरानी एकरा से सहमति जतावत दिशा-निर्देश जारी क दिहले बाड़ी. केन्द्र चाहत रहुवे कि एकरा के पटना में खोलल जाव बाकिर जमीन ना मिले के नाम पर बिहार सरकार एकरा के बोधगया में बनावल चाहत रहुवे. ओने बिहार के पशुपालन आ मछली मंत्री वैद्यनाथ सहनी समस्तीपुर में कहलन कि उजियारपुर में बिहार के पहिलका पशु विश्वविद्यालय खोलल जाई.
  • केन्द्रीय वित्तमंत्री अरूण जेटली कोलकाता में बोलावल बंगाल वैश्विक व्यापार सम्मेलन में कहलन कि केन्द्र सरकार आर्थिक वृद्धि आ तेज उद्योगीकरण करावे खातिर पश्चिम बंगाल के हर संभव सहायता दी आ एकरा खातिर राजनीतिक मतभेद के आड़े ना आवे दी. कहलन कि ई काम केन्द्र आ राज्य सरकार दुनू के जिम्मेदारी बा. कहलन कि वस्तु आ सेवाकर लागू भइला का बाद कवनो राज्य के होखे वाला राजस्व नुकसान के भरपाई केन्द्र कर दी.
  • बिहार में पुलिस भर्ती परीक्षा के अभ्यर्थी बुध का दिने पटना में मुख्यमंत्री के काफिला रोक के आपन विरोध जतवलन. ओह लोग के कहना बा कि अदालत कहले रहुवे कि चार महीना का भितरे अनुसूचित जाति के सिपाहियन के खाली पड़ल पद पर बहाली क लिहल जाव बाकिर राज्य सरकार अबले कवनो डेग आगे नइखे बढ़वले.
  • सारण जिला के बनियापुर प्रखंड कृषि पदाधिकारी सरयू रविदास के धान खरीद में एक करोड़ रूपिया के गबन करे के आरोप में पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
  • आरा टीसन पर ट्रेन से गिर के एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • रोहतास जिला के राजपुर इलाका के सिमराडीह गांव में एगो छात्र के कुछ अपराधी गोली मार के मुआ दिहले.

 123 total views,  2 views today

%d bloggers like this: