web analytics

खबर भोजपुरी में (शुक, 9 जनवरी 2015)

(बियफे, 8 जनवरी के खबर)

प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी दिया जरा के प्रवासी भारतीय दिवस-2015 के उद्घाटन कइलन.
प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी दिया जरा के प्रवासी भारतीय दिवस-2015 के उद्घाटन कइलन.

  • गुजरात के गांधीनगर में बोलावल 13वां प्रवासी भारतीय सम्मेलन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि विदेशन में बसल हिन्दुस्तानी लोग देश के विकास में आपन हाथ बँटावस आ हालात में बदलाव ले आवे में मदद करस. कहलन कि उनकर सरकार प्रवासी लोगन से कइल आपन वादा पूरा क दिहले बिया. एहमें पीआईओ आ ओसीआई कार्ड के मिलावल आ आवते वीजा दिहला के फैसला शामिल बा.
  • कर्नाटक में पुलिस तीन जने के ढेरहन विस्फोटक का साथे गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी के नाता आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिददीन से बतावल गइल बा.
  • केन्‍द्र सरकार कहले बिया कि जम्‍मू-कश्‍मीर में 1947 के बाद से सीमा पर पाकिस्‍तानी गोलीबारी का चलते उजड़ल परिवारन के दू महीना का भितरे सुरक्षित जगहा जमीन दिलवाई.
  • श्रीलंका में पड़ल राष्‍ट्रपति चुनाव के वोट गिनात बा. पूरा नतीजा शुक का दिने घोषित हो जाए के उमेद बा. चुनाव में कतहीं कवनो बवाल भा हंगामा ना भइल आ सब कुछ शांति से निपटल बा.
  • फ्रांस के राजधानी पेरिस में एगो पत्रिका के कार्यालय पर इस्लामी आतंकियन के हमला का बाद लोग के बढ़ल नाराजगी का चलते कुछ मस्जिदन पर हमला करे के खबर बा. बियफे का दिने फेरू एगो बंदूकधारी एगो महिला सिपाही के गोली मार के मुआ दिहलसि आ भाग गइल. पुलिस के मालूम नइखे कि ई हमला काल्हु के हमला से जुड़ल बा कि अलगा.
  • तीन दिन से चलत बड़हन गिरावट के दौर पलटत बियफे का दिने मुंबई शेयर बाजार में तेजी देखल गइल आ सेंसेक्स 275 अंक आ निफ्टी 133 अंक बढ़के बंद भइल. रुपिया में 50 पइसा के मजबूती आइल, सोना के दाम 220 रुपिया घट गइल आ चांदी के दाम 250 रुपिया. कच्चा तेल के दाम बढ़ल बाकिर 49 डालर से कमे रहल.
  • घाम निकलला का बावजूद बिहार आ यूपी के जाड़ में कवनो कमी नइखे भइल. गलन वइसहीं बढ़ल बा. सबेरे घन कुहा लागे लागल बा.
  • बिहार में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के हटावे खातिर जदयू में हलचल बढ़ गइल बा. पिछला दिने बागी विधायकन के तरफदारी करत आइल मांझी के बयान का बाद से जदयू के बेचैनी बड़ गइल बा. नीतीश कुमार कहलन कि कहल ना जा सके कि मांझी के कुरसी रही कि चल जाई. ओने मुख्यमंत्री आवास के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.
  • सीबीएसई के दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा 2 मार्च से शुरू होखी. दसवीं के परीक्षा 26 मार्च ले आ बारहवीं के परीक्षा 17 अप्रेल ले पूरा हो जाई.

 131 total views,  2 views today

%d bloggers like this: