(शुक, 9 जनवरी के खबर)
- बिहार में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पद से हटावे के चरचा से राजनीतिक माहौल गरमा गइल बा. केकरा के अगिला मुख्यमंत्री बनावल जाय एह बात पर लालू, शरद आ नीतीश का बीचे बातचीत होखे के खबर बा आ श्यामो रजक से बतियावे के खबर बा. हालांकि सरद यादव कहलन कि अइसन कवनो चरचा नइखे भइल. एने जीतन राम माँझी कहलन कि ‘सब कुछ सीखा हमने, ना सीखी होशियारी. सच है दुनिया वालों कि मैं हूं अनाड़ी’. कहलन कि पता ना मुख्यमंत्री रहब कि ना बाकिर अगिलो मुख्यमंत्री कवनो दलित के होखे के चाहीं. साथही जदयू में माँझी के समर्थनो में आवाज उठे लागल बा. कहे वाला कहत बाड़न कि नीतीश एह चलते नाराज बाड़न कि उनुका दुलरुआ अफसरन के तबादला क देले बाड़े माँझी. एह बीच परिवहन मंत्री रमई राम कहलन कि उहो मुख्यमंत्री बने के रेस में शामिल बाड़न.
- जम्मू कश्मीर में आखिरकार राज्यपाल शासन लागू करही के पड़ल. कवनो तरह के गठबन्हन ना बन पवला आ उमर अब्दुल्ला के कामचलाऊ मुख्यमंत्री पद पर बनल ना रहे के इच्छा जतवला का बाद कवनो दोसर राह ना बचल रहे. भाजपा के बातचीत पीडीपी आ नेकां दुनू से चलत बा बाकिर कवनो समझौता के राह निकलत लउकत नइखे. पेंच फँसत बा मुख्यमंत्री के पद पर. भाजपा चाहत बिया आपन मुख्यमंत्री आ दोसर गोल ई पद छोड़े ला तइयार नइखन होत.
- श्रीलंका के चुनाव में कबो राजपक्षे के मंत्री रहल मैत्रीपाल सिरीसेना चुनाव जीत के नयका राष्ट्रपति बन गइलन. किरिया लिहला का तुरते बाद रानिल विक्रमसिंघे के देश के नयका प्रधानमंत्री पद के किरिया धरावल गइल. मैत्रीपाल कहले बाड़न कि दुबारा राष्ट्रपति के चुनाव ना लड़ीहें आ वादा कइले बाड़न कि राष्ट्रपति प्रणाली वाली सरकार हटा के वेस्टमिनिस्टर प्रणाली के सरकार बनवा दीहें. भारत के प्रधानमंत्री मैत्रीपाल सिरीसेना के चुनाव जीते आ राष्ट्रपति बनला खातिर बधाई दिहले बाड़न आ उनुका के जल्दिए भारत के यात्रा करे के नेवतो.
- फ्रांस में कार्टून पत्रिका पर हमला करे वाला दुनू आतंकियन के पुलिस मुठभेड़ में मार गिरावल गइल. एह दौरान ऊ कुछ लोग के बंधक बना लिहले रहलन से पुलिस हमला में कुछ नागरिको लोग के मौत हो गइल बा.
- शनिचर का दिने दिल्ली में एगो बड़हन आमसभा क के नरेन्द्र मोदी दिल्ली में भाजपा के चुनाव अभियान के शुरूआत करीहें. रामलीला मैदान में बोलावल एह सभा के अभिनंदन रैली के नाम दिहल गइल बा काहे कि एहमें हरियाणा, झारखंड आ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्रियन के अभिनंदन कइल जाई. भाजपा एही बहाने लोग के संदेश दी कि दिल्लीओ में भाजपा के सरकार बनवावस.
- अपना पत्नी सुनन्दा पुष्कर के मौत के हत्या के मामिला बतावत दिल्ली पुलिस के जाँच से केंद्रीय मंत्री रहल शशि थरूर चिंता जतवले बाड़न. उनुका पहिलहूं शिकायत रहे कि पुलिस उनुका के फँसावल चाहत बिया आ तब यूपीए सरकार का दौरान एह घटना के मौत के मामला बतावल गइल रहे. अब सरकार बदल गइल बिया आ थरूर दबाव नइखन बना पावत. ओने दिल्ली पुलिस आयुक्त बी एस बस्सी कहत बाड़न कि तीन चार दिन में एह मामला पर कुछ ठोस जानकारी दे पइहें.
- ओडिशा में प्रवर्तन निदेशालय हजारों करोड़ रुपिया के चिटफंड घोटाले में शामिल सीशोर ग्रुप के 84 करोड़ के सम्पत्ति शुक का दिने जब्त क लिहलसि. एहमें भुवनेश्वर इंस्टीट्यूट ऑफ टैक्नोलॉजी के जमीन आ मकान शामिल बा जवना में कंपनी नौ करोड़ रुपिया लगवले रहुवे.
- 13वां प्रवासी भारतीय दिवस समारोह तीन दिन चलला का बाद शुक का दिने पूरा हो गइल. एह मौका पर पन्द्रह गो प्रवासियन के उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी का हाथे प्रवासी भारत सम्मान दिहल गइल. एह लोग में माइक्रोसाफ्ट के सी ई ओ सत्य नारायण नडेला आ गयाना के राष्ट्रपति डोनल्ड रवीन्द्रनाथ रामोतार शामिल बाड़े.
- रुपिया लगातार तिसरा दिने मजबूती देखवलसि आ शुको का दिने 35 पइसा मजबूत हो गइल. शेयर बाजार में सेंसेक्स 184 अंक आ निफ्टी 50 अंक चढ़ के बंद भइल सोना 100 रुपिया आ चांदी साढ़े तीन सौ रुपिया सस्ता भइल.
- सिडनी क्रिकेट टैस्ट मैच में चउथा दिन के खेल खतम होखे बेरा ऑस्ट्रेलिया अपना दुसरका पारी में 6 विकेट गँवा के 251 रन बना लिहले रहुवे. एहसे पहिले भारत अपना पहिला पारी में 475 रन पर आलअउट हो गइल रहे.
- राष्ट्रीय जनता दल आ जनता दल यूनाइटेड के एक दोसरा में मिला देबे के बात करे खातिर राजद प्रमुख लालू प्रसाद शुक का दिने जदयू प्रमुख शरद यादव आ नीतीश कुमार से भेंट कइलन. बाद में कहलन कि नयका बने वाला गोल के झंडा, नाम आ चुनाव निशान समेत कई मुद्दा पर फैसला होखल बाकी बा.
- पेरिस में हमला क के कार्टूनिस्टन के हत्या करे वालन के 51 करोड़ रुपिया इनाम में देबे के बात करे वाला बसपा नेता हाजी याकूब कुरेशी का खिलाफ पुलिस मामला दर्ज कइले बिया. याकूब कुरेशी एह तरह के कवनो बयान देबे के बात से साफे इन्कार कइले बाड़न.