web analytics

खबर भोजपुरी में (बियफे, 15 जनवरी 2015)

मकर संक्रान्ति के पर्व खिचड़ी का दिने सगरी पाठक-पाठिका परिवार ला मंगल कामना.

(बुध, 14 जनवरी के खबर)

काला हिरण के मारे का मामिला में सुप्रीम कोर्ट से आजु सलमान खान के कवनो रियायत ना मिलल. अब ऊ शूटिंग करे ला विदेशो ना जा पइहें.
काला हिरण के मारे का मामिला में सुप्रीम कोर्ट से आजु सलमान खान के कवनो रियायत ना मिलल. अब ऊ शूटिंग करे ला विदेशो ना जा पइहें.

  • पता ना सचहू बुखार रहे कि बुखार के बहाना, बाकिर नीतीश कुमार बुध का दिने लालू का डेरा पर दही चूड़ा खाए ना अइलन. भोज में सभे चहुँपल बाकिर उहे ना अइलन जिनकर सबले बेसी इंतजार रहुवे. शरद यादव, केसी त्यागी आ मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी चहुँपलन बाकिर नीतीश नाहिये ना नाहिये अइलन. बाद में लालू बीमार नीतीश के मिजाज पूछे उनका डेरा पर गइले आ भेंट कइला का बाद कहलन कि अब ओह लोग के बीच नजदीकी आइल बा. ओने दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी केंद्रीय मंत्री रामविलास पासवान के डेरा पर दिहल चूड़ा दही भोज में शामिल भइलन.
  • उन्नाव जिला में गंगा नदी के परियार घाट का लगे नाहियो त सवा सौ लाश पानी में बहत मिलल बा. सरकार एह लाशन के पहचान करावे के कोशिश करत बिया बाकिर लाशअतना सड़ गल गइल बा कि चिन्हल मुश्किल लागत बा.
  • लखनऊ में जहरीला शराब पीके मरे वालन के गिनिती 43 हो गइल बा आ ई गिनिती अबहीं अउरिओ बढ़े के अनेसा बा.
  • कांग्रेस आपन महासचिव रहल अजय माकन के दिल्‍ली विधानसभा चुनाव में सदर बाजार सीट से उतारे के फैसला कइले बिया. सांसद रहल महाबल मिश्रा द्वारका से चुनाव लड़ीहें. भाजपा के सूची बुधो का दिने जारी ना हो सकल.
  • चुनाव के दौर आवते आआपा का तरफ से आरोप लगावे के सिलसिला जारी हो गइल बा. बुध का दिने केजरीवाल भाजपा नेता सतीश उपाध्‍याय पर बिजली कंपनियन से सांठगांठ राखे के आरोप लगवलन त सतीश उपाध्याय कहलन कि चौबीस घंटा का बीच केजरीवाल एकर सुबूत देस ना त ऊ केजरीवाल पर आपराधिक मानहानि के मुकदमा दायर करीहें.
  • दिल्‍ली में विधानसभा चुनाव खातिर अधिसूचना बुध का दिने जारी हो गइल. अब 21 तारीख ले परचा दाखिल हो सकी आ 24 तारीख ले वापस लिहल जा सकी. चुनाव 7 फरवरी के होखे वाला बा. वोट के गिनिती 10 फरवरी के करावल जाई.
  • वाराणसी में पाइप लाइन से घरे-घरे रसोई गैस चहुँपावे के योजना बनावल जात बा. एह खातिर वाराणसी में एगो डिपो बनावल जाई जहाँ से गैस के सप्लाई दिहल जाई.
  • जौनपुर मेडिकल कॉलेज के भवन बनावे ला राज्य सरकार 554 करोड़ 16 लाख रुपिया के मंजूरी दे दिहले बिया आ अगिला साल ले जौनपुर मेडिकल काॅलेज बन के तइयार हो जाई.
  • जहानाबाद नरसंहार के सगरी 24 आरोपियन के अदालत से रिहा होखे का विरोध में भाकपा बिजार में 16 तारीख के विरोध दिवस मनाई.
  • कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका के हेनौती डीह का लगे आजु कुछ बदमाश एगो नवही के गोली मार के मुआ दिहले.
  • सारण जिला के परसा बाजार इलाका से पुलिस बुध का दिने एगो गाड़ी से 30 किलो गांजा का साथे तीन गो तस्करन के गिरफतार क लिहलसि.
  • नरेन्द्र मोदी से आपन तुलना करत बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी बुछ का दिने कहलन कि मोदी के 13 बरीस मिलल गुजरात के बनावे में. अगर माँझी के तेरहो महीना मिल जाव त बिहार के काया कल्प करा दीहें.
  • पाकिस्तान के क्वेटा शहर के एगो आतंकवाद रोधी अदालत में पाकिस्तान के राष्ट्रपति रहल परवेज मुशर्रफ पर बलूच नेता नवाब अकबर खान बुग्ती के हत्या का मामिला में बुध का दिने आरोप तय हो गइल.
  • तेल के लगातार गिरत दाम आ विकसित देशन में ब्याज दर में आवत गिरावट के फायदा भारत के मिली आ एकर विकास दर अगिला साल 7 फीसदी के हो सकेला. ई अनुमान लगवले बावे विश्व बैंक.
  • लोकसभा चुनाव 2009 का बेरा आचार संहिता लंघला के एगो मामिला में बुध का दिने रामपुर के अदालत भाजपा नेता आ केंद्रीय अल्पसंख्यक कल्याण अउर संसदीय कार्य राज्यमंत्री मुख्तार अब्बास नकवी समेत 19 जने के एक साल के जेल के सजा सुना दिहलसि. हालांकि सगरी लोग के बाद में जमानत पर रिहो क दिहल गइल.
  • पिछला नौ बरीस से इटली के राष्ट्रपति रहल जॉर्जियो नेपोलिटानो बुध का दिने अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन.
  • रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर मंगल का दिने कहलन कि डीआरडीओ के प्रमुख अविनाश चंदर के कार्यकाल पहिलही खतम हो चुकल रहुवे एही से उनका के हटावल गइल आ अब कवनो युवा वैज्ञानिक के एकर कमान सँउपल जाई. बतावल जात बा कि मशहूर परमाणु वैज्ञानिक शेखर बसु के ई जिम्मेदारी दिहल जा सकेला.
  • बुध का दिने फेरू मुंबई शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल आ सेंसेक्स में 79 अंक आ निफ्टी में 22 अंक के गिरावट का साथे बाजार बंद भइल.
  • एह साल के साहित्य अकादमी पुरस्कार संस्कृत विद्वान प्रभुनाथ द्विवेदी के उनकर किताब ‘कनकआलोचना’ खातिर दिहल गइल बा.
  • बुध का दिने सिडनी में सानिया मिर्जा आ रोहन बोपन्ना अपना-अपना जोड़ीदारन साथे एपिया इंटरनेशनल टेनिस टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में जगह बना लिहले.
  • बिहार के राजधानी पटना आ अगल बगल के इलाका में अगिला दू तीन दिन ले जाड़ के इहे हाल बनल रही. हालांकि बुध का दिने घाम निकलला से कनकनी में कमी भइल बा. पुर्वांचलो में दिन भर घाम निकलल आ साँझ बेरा के तापमान सुधरल लागल.
  • पन्द्रहे जनवरी के तारीख रहे जब साल 1934 में बिहार में बड़हन भूकंप आइल रहुवे जवना में नाहियो त बीस हजार लोग के जान चल गइल रहे.

 123 total views,  2 views today

%d bloggers like this: