- एगो बड़हन दाँव खेलत भाजपा आजु देश के पहिलका महिला आईपीएस अधिकारी रहल किरण बेदी के अपना गोल में शामिल क लिहलसि. कहल जात बा कि भाजपा इनके के आपन मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार मान के चुनाव लड़ी. बाकिर हो सकेला कि एकर बाकायदा एलान ना होखे. किरण बेदी के भाजपा में अइला के खबर सुन के आआपा के लोग सन्न रह गइल बा. वइसे कहत बा लोग कि किरण बेदी आखिरकार राजनीति में आवे के सकारिए लिहली. जब केजरीवाल राजनीति में उतरल रहलें त किरण बेदी राजनीति में आवे के विरोध करत आपन अलग राह ध लिहले रही.
- चुनाव आयुक्त हरि शंकर ब्रह्मा शुक का दिने नयका मुख्य चुनाव आयुक्त बन जइहें. आज मौजूदा चुनाव आयुक्त वी एस संपत 65 साल के होखला पर पद मुक्त हो गइलें आ परंपरा का हिसाब से सबले सीनियर चुनाव आयुक्त के मुख्य चुनाव आयुक्त बना दिहल गइल. हरि शंकर ब्रह्मो तीन महीना बाद रिटायर हो जइहें.
- राजद मुखिया लालू प्रसाद कहतारें कि जनता परिवार के गोलन के मिलावे के कवनो हड़बड़ी नइखे काहे कि हड़बड़ी के काम गड़बड़ी करा देला. कहलन कि मुलायम सिंह के जिम्मा दिहल गइल बा एह मिलान के गोट बइठावे के. ओने कहल जात बा कि मुलायम सिंह नइखन चाहत कि बिहार के चुनाव में एह नयका गोल के हार मिलो आ ओकर बाजा उनुका मूड़ी पर बाजो. ऊ चाहत बाड़न कि पहिले जदयू आ राजद मिल के बिहार जीत लेव लोग ओकरा बादे महाविलय करावल जाव. आ लालू अउर नीतीश में के बड़ छोट कहत अपराधू वाला हाल बा से गोटी बइठत नइखे.
- पश्चिम बंगाल में तृणमूल कांग्रेस के एगो मंत्री मंजुलकृष्णा ठाकुर आजु भाजपा में शामिल हो गइलन. कहलन कि एहिजा दम घुटत रहल हा आ ऊ कुछ कर ना पावत रहले हँ एहीसे भाजपा में शामिल हो गइलन. ममता खातिर ई एगो जोरदार झटका बा काहे कि ऊ पहिलही सारधा घोटाला के दवँक झेलत बाड़ी.
- बिहार सरकार राज्य में डीजल के बिक्री पर दू फीसदी टैक्स बढ़ा के ओकरा के महँग क दिहले बिया. सरकार के कहना बा कि ओकरा राजस्व में डीजल के बहुत योगदान होला आ डीजल के दाम घटला से ओकर राजस्व घटत रहल ह.
- उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव नइखन चाहत कि रेलवे सुरक्षा बल के जीआरपी थाना वाला अधिकार दिहल जाव. केन्द्र सरकार चाहत बिया कि रेलगाड़ियन में होखे वाला अपराध के प्राथमिकी लिखे के अधिकार रेलवे सुरक्षा बल के दे दिहल जाव जेहसे कि रेलयात्रियन के आपन केस लिखवावे खातिर ट्रेन छोड़े के जरूरत ना पड़े.
- पिछला महीना 26 दिसंबर का दिने एक करोड के सोना लूटे का मामिला में तीन गो पुलिस वालन समेत सात जने के वाराणसी पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. एहनी का लगे से लूट के मालो बरामद हो गइल बा.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि नौ महीना में त बच्चो हो जाला बाकिर मोदी सरकार आठ महीना बिता दिहलसि बाकिर कुछ लउकत नइखे.
- बसपा दिल्ली के सगरी सीट से चुनाव लड़े के एलान कइलसि आ दस सीट पर आपन उम्मीदवार घोषित क दिहलसि आजु. कांग्रेस आजु आपन तिसरका सूची जारी कइलस जवना में राष्ट्रपति के बेटी शर्मिष्ठा मुखर्जी के ग्रेटर कैलाश से टिकट दिहल गइल बा. भाजपा अबहीं ले आपन एको उम्मीदवार के नाम घोषित नइखे कइले. बतावल जात बा कि 19 तारीख के सूची जारी होखी.
- यूपी सरकार के कहना बा कि उन्नाव में गंगा नदी में मिलल लाश के मामिला के जाँच के कवनो जरूरत नइखे काहें कि एह मामिला में कवनो आपराधिक घटना के अनेसा नइखे लउकत.
- केन्द्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह कहलन कि राजेन्द्र कृषि विश्वविद्यालय, पूसा के जल्दिए केन्द्रीय विश्वविद्यालय के दर्जा दे दिहल जाई. एह बारे में 23 तारीख के एगो समौझता होखी.
- बोधगया में अगिला सेशन से आईआईएम में पढ़ाई होखे लागी आ एकरा खातिर अस्थायी कैंपस खोले के काम शुरु हो गइल बा. फिलहाल कैंपस मगध विश्वविद्यालय का परिसरे में बनावल जाई. आईआईएम इंदौर के बोधगया में खुले वाला संस्थान बनावे ला मेंटर बनावल गइल बा.
- रोहतास जिला के डेहरी ऑन सोन इलाका के सोहरा गांव का लगे वाराणसी के एगो व्यवसायी के बम मार के घाहिल क दिहल गइल आ उनुका लगे से पैंतीस किलो चांदी लूट ले गइले बदमाश.
- पश्चिम चंपारण के बैरिया इलाका के भितहा गांव में बकाया रुपिया मँगला पर एगो दुकानदार के जान ले लिहलसि कर्जखोर.
- भारतीय रिजर्व बैंक बियफे का दिने अचानके आपन रेपो दर चौथाई फीसदी घटा दिहलसि जवना का बाद शेयर बाजार में जोरदार तेजी देखे के मिलल. सेंसेक्स में एक दिन के सबले अधिका बढ़ोतरी दर्ज भइल. वित्तमंत्री अरूण जेटली एह फैसला के सरहलन आ कहलन कि भारतीय अर्थव्यवस्था ला ई बढ़िया फैसला बा. सेंसेक्स में बियफे का दिने 729 अंक के आ निफ्टी में 217 अंक के बढ़ोतरी भइल. रुपिया में डालर का मुकाबले 12 पइसा के मजबूती आइल.
- भारत के पी वी सिंधु कोरिया के किम-ह्यो-मिन के हरा के मलेशिया मास्टर्स बैडमिन्टन टूर्नामेंट के क्वार्टर-फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. ओने पी कश्यप, बी साई प्रणीत, आदित्य प्रकाश आ अजय जयराम पुरूष वर्ग के प्री-क्वार्टर-फाइनल में पहुंचल बाड़े.
(देरी से समाचार दिहला खातिर अनसइला के जरूरत नइखे काहें कि अकेला आदमी से देरी भा गैरहाजिर हो गइल साधारण बात बा. केहू खोजलो पर नइखे मिलत से संपादन में सहयोग कर सको.)
217 total views, 2 views today