भारत के गणतंत्र दिवस का मौका पर सगरी भारतवासियन के हार्दिक बधाई!
(अतवार, 25 जनवरी के खबर)
- भारत के दौरा करे आइल अमरीकी राष्ट्रपति आ भारत के पीएम के आपसी समझदारी का पहल पर भारत अमरीका का बीच न्यूक्लियर डील क्लियर हो गइल. दुनू देश आपसी सहयोग आ समझदारी से आगे बढ़त रहीहें. एकरा साथही दस बरीस खातिर दुनू देश का बीच रक्षा सहयोग के समझौतो हो गइल. अमरीका के कुछ उद्योग एहिजा भारत का संगे संयुक्त रक्षा उद्यम शुरु करीहें.
- पहिला बेर भारत आ अमरीका अपना अपना माथ नेतन का बीच बातचीत खातिर हाॅट लाइन स्थापित करे पर सहमत हो गइले. एकरा से दुनू देश का बीच निरंतर विचार के अदलैन बदलैन हो सकी.
- राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी अपना संबोधन में कहलन कि जनप्रतिनिधियन के चाहीं कि जनता के मनसा के सम्मान करत विधायिका में चरचा क के नया कानूनन के राह बनावसु. बिना चरचा के अइसन कानून ना बने के चाहीं. उनकर पूरा भाषण भोजपुरी में भोजपुरी के सबले खास वेबसाइट भोजपुरिका डाॅटकाॅम पर दिहल गइल बा.
- केन्द्र सरकार आज पद्म पुरस्कारन के एलान क दिहलसि. देश के उप प्रधानमंत्री रह चुकल आ भाजपा के पुरनिया नेता लाल कृष्ण्ा आडवाणी, फिल्म अभिनेता अमिताभ बच्चन अउर दिलीप कुमार, आ पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल समेत नौ लोग के पदमविभूषण से सम्मानित कइल जाई. मुख्य निर्वाचन आयुक्त रहल एन॰ गोपालास्वामी, संविधान विशेषज्ञ सुभाष कश्यप, हरीश साल्वे, बिल गेटस, मिलिन्डा गेटस, जानू बरूआ आ रजत शर्मा समेत 20 लोग के पदमभूषण आ 75 लोग के पदमश्री सम्मान दिहल जाई.
- लखनऊ में सैय्यद मोदी अंतर्राष्ट्रीय ग्रां-प्री गोल्ड बैडमिंटन चैम्पियनशिप में भारत के साइना नेहवाल महिला सिंगल्स आ पी कश्यप पुरूष सिंगल्स के खिताब जीत लिहले. फाइनल में साइना स्पेन के मारिन कैरोलिना के हरवलू जबकि परुपल्ली कश्यप भारते के के. श्रीकांत के हरा के ई खिताब जीतले.
- अतवार का दिने हर साल का तरह अबकियो बेर राष्ट्रीय मतदाता दिवस मनावल गइल. लखनऊ में आयोजित कार्यक्रम में राज्यपाल राम नाईक राज्य के मुख्य निर्वाचन अधिकारी को प्रदेश के सगरी मतदाता के फोटो वाला वोटर कार्ड दिआवे खातिर बधाई दिहलन आ कहलन कि मतदाता सूची में कवनो दोस ना रहे के चाहीं आ कवनो नाम दुबारा मत आ पावे एकर धेयान राखे के चाहीं.
- बलिया के शिवरामपुर घाट पर बनेवाला पुल के शिलान्यास अतवार का दिने खेल मंत्री आ बलिया सदर के विधायक नारद राय का हाथे कइल गइल. ई पुल पूरा के पूरा यूपी में बने जात बा बाकिर एकरा से बिहार आ यूपी के बीच आवाजाही आसान हो जाई. दू गो राज्य का सीमा में बनीत त हजार गो बेमतलब के पचड़ा जनम जाईत.
- केंद्र सरकार बिहार के राजेंद्र कृषि विश्वविद्यालय, पूसा के केंद्रीय विश्वविद्यालय के दर्जा दे दिहलसि. एह बारे में आजु पटना में केंद्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह आ बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के मौजूदगी में समझौता हो गइल. एह काम खातिर माँझी केन्द्र सरकार के आभार जतवलन.
- बिहार के राजधानी पटना में आयोजित समारोह में तीन गो जिला निर्वाचन पदाधिकारी, तीन गो निर्वाचक निबंधन पदाधिकारी आ दस गो मतदान केंद्र स्तरीय पदाधिकारियन के बेहतर काम कइला खातिर पुरस्कार दिहल गइल.
- रोहतास जिला के सासाराम में दू गो गुट का बीच मारपीट आ गोलीबारी से सात जने घवाहिल हो गइल बाड़े आ पुलिस तेरह जने के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
- तीन दिन पहिले नरकटियागंज से किडनैप भइल व्यवसायी के आज पश्चिम चंपारण जिला पुलिस बरामद कर लिहलसि. कहे वाला कहत रहसु कि फिरौती मिलला का बाद छोडलें स बदमाश.


192 total views, 2 views today