web analytics

खबर भोजपुरी में (मंगल, 27 जनवरी 2015)

(सोमार, 26 जनवरी के खबर)
R_K_Laxman

  • दिल्ली के गणतंत्र दिवस परेड समारोह के मुख्य अतिथि बन के आइल अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा कई गो रिकार्ड बना दिहलन. अमेरिका के सिक्रेट सर्विस के नियम कवनो राष्ट्रपति के खुला में पैंतालीस मिनट से अधिका ना रहे दे‌व बाकिर आजु बराक ओबामा पूरा दू घंटा ले राजपथ पर बइठल परेड देखलन. भारत के परंपरा रहल बा कि मुख्य अतिथि राष्ट्रपति का साथही समारोह में आवेले बाकिर आजु बराक ओबामा अपना कार से अइलन. एह कार का बारे में बतावल जाला कि ओकरा पर बमो के हमला बेअसर साबित हो जाई.
  • कार्टून के दुनिया में सबले चर्चित रहल पद्मविभूषण से सम्मानित कार्टूनिस्ट आर. के. लक्ष्मण आजु 26 जनवरी का दिने लमहर दिन के बेमारी का बाद 94 साल का उमिर में पुणे के दीनानाथ मंगेशकर हॉस्पिटल में अंतिम साँस लिहलन. एने कुछ दिन से उनुका के वेंटिलेटर पर राखल रहुवे. उनकर उकेरल ‘कॉमन मैन’ समाज के हर पहलू देखवलसि.
  • अमेरिका यूपी के धार्मिक नगरी इलाहाबाद समेत हिन्दुस्तान के तीन गो शहर के स्मार्ट सिटी बनावे में सहयोग करे के बीड़ा उठा लिहले बावे. इलाहाबाद का साथही विशाखापटनम आ अजमेर के चुनले बावे अमेरिका.
  • बिहार में गणतंत्र दिवस पर गाँधी मैदान में आयोजित समारोह में झंडा फहरा के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी एगो रिकार्ड बना दिहलन. आम तौर पर एह दिने केन्द्र में राष्ट्रपति आ राज्यन के राजधानी में राज्यपाल लोग झंडा फहरावेला. बाकिर आजु संजोग से बिहार के राज्यपाल कोलकाता में झंडा फहरावे गइल रहलेे आ बिहार में ई जिम्मेदारी जीतन राम माँझी के सँउप दिहले रहले. केसरी नाथ त्रिपाठी एके साथ बिहार आ पश्चिम बंगाल दुनू राज्यन के राज्यपाल बाड़ें. अगर कोलकाता ना जइतन त ओहिजा ममता बनर्जी के ई मौका मिलल रहीत.
  • मुख्यमंत्री रहते गणतंत्र दिवस का दिने तमाशा करे वाला केजरीवाल के मलाल बा कि उनुका के गणतंत्र दिवस परेड समारोह में ना बोलावल रहे जबकि पता ना कवना हक से किरण बेदी के पहिला कतार में बइठावल गइल रहे आ दूरदर्शन के कैमरो बेर-बेर उनुका पर फोकस करत रहुवे. अलग बात बा कि एह परेड में पहिले मुख्यमंत्री रहल लोगन के बोलावे के परंपरा नइखे.
  • आजु गणतंत्र दिवस परेड समारोह में एगो अउर शर्मनाक बात देखे के मिलल जब मंच पर मौजूद देश के उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी अपना पुरान आदत का हिसाब से तिरंगा के सलाम ना कइलन. पिछला बेर रामलीला मैदान में उद्घाटन करे आइल हामिद अंसारी राम आ लक्ष्मण के भूमिका निभावे वाला कलाकारन के तिलक लगावे से मना कर दिहले रहले. हामिद अंसारी के एह बेवहार के देश के सेकूलर मीडिया अनदेखी क दिहलसि बाकिर सोशल मीडिया पर उनकर जम के छीछालेदर भइल. सेकूलर मीडिया ई देखावे से ना चुकल कि बराक ओबामा परेड का बीच चुइंगम चबावत रहले.
  • अमेरिका संगे अनेके समझौता के अड़चन दूर कइला का बाद आजु दिल्ली में भारत-अमेरिका सीईओ फोरम के बइठक भइल जवना में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा शामिल भइले.
  • रांची में होखत हॉकी इंडिया लीग के तिसरका संस्करण के छठवाँ मैच में रांची रेंज टीम मौजूदा चैम्पियन दिल्ली वेवराइडर्स के 2-2 गोल के बरोबरी पर रोक लिहलसि.
  • सिडनी क्रिकेट मैदान पर आजु सोमार का दिने होखे वाला भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच के एकदिना मैच बरखा का चलते रद्द क दिहल गइल. एह तिकोनिया सीरीज के फाइनल खेके खातिर अब भारत के हर हाल में इंगलैंड के हरावे के पड़ी. अगर ऊ मैच रद्द भइल तबो भारत फाइनल ना खेल पाई. आजु मैच शुरु भइला पर आस्ट्रेलिया टाॅस जीत के भारत के बल्लेबाजी करे बोलवले रहुवे. बाकिर बरखा का चलते देरी से शुरू भइल मैच खेलल ना जा सकल.

 228 total views,  2 views today

%d bloggers like this: