web analytics

खबर भोजपुरी में (बुध, 28 जनवरी 2015)

(मंगल, 27 जनवरी के खबर)

आकाशवाणी से 'मन के बात' बतियावत बराक ओबामा आ नरेन्द्र मोदी.
आकाशवाणी से ‘मन के बात’ बतियावत बराक ओबामा आ नरेन्द्र मोदी.

  • अमेरिका के राष्‍ट्रपति बराक ओबामा के कहना बा कि उनकर देश भारत के बेहतरीन भागीदार हो सकेला. तीन दिन के दौरा पूरा कइला से पहिले दिल्ली के सिरिफोर्ट में नवहियन के संबोधित करत कहलन कि अमेरिका एह बात के समर्थन करत बा कि सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सदस्यता मिले के चाहीं.
  • आकाशवाणी से अपना ‘मन के बात’ बतियावत प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि लोग आपन सामाजिक आ सांस्‍कृतिक कर्तव्‍य अउर मानवीय जिम्‍मेदारी के रूप में बेटी बचावसु, बेटी पढ़ावसु. एह कार्यक्रम में पीएम का साथही शामिल भइले अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा आ ऊहो लईकियन के घटत संख्या पर चिन्गता जतवले.
  • जम्‍मू कश्‍मीर के पुलवामा में सुरक्षा बल आ आतंकवादियन का बीच जबरदस्‍त गोलीबारी में सेना के एगो कर्नल समेत दू गो सुरक्षाकर्मी शहीद हो गइले. जवाबी कार्रवाईमें दू गो हिजबुल मुजाहिद्दीननो के मार गिरावल गइल.
  • अपना के अवसरवादी बतावे वाला पोस्टर दिल्ली के आटोरिक्शन पर लगवला से नाराज भाजपा नेता किरण बेदी आआपा गोल के नेता अरविन्द केजरीवाल के कानूनी नोटिस भेजले बाड़ी. ओने बदतमीज केजरीवाल चुनाव आयोग के धिरवला का बावजूद लोग के दोसरा पार्टियन से घूस लेबे ला उकसावत बाड़न. लागत बा कि ऊ चाहत बाड़न कि आयोग कवनो कार्रवाई कर देव जेहसे कि ऊ अपना के शहीद बतावत लोग के सहानुभूति ले लेसु.
  • श्रीलंका सरकार महिन्द्रा राजपक्षे के शासनकाल के साठ गो मंत्रियन, सांसदन आ नौकरशाहन का खिलाफ भठियरपन के जांच शुरु करवा दिहले बिया.
  • मंगल का दिने लगातार आठवाँ दिने शेयर बाजार में तेजी के रुख बनल रहल आ सेंसेक्‍स 292 अंक बढके अउर निफ्टी 75 अंक बढके बंद भइली स. रुपिया में डालर का मुकाबले महज एक पइसा के तेजी रहल.
  • महान कार्टूनिस्ट आर. के. लक्ष्मण के अंतिम संस्कार आजु दुपहरिया में राजकीय सम्‍मान का साथे वैकुंठ शवदाह गृह में कर दिहल गइल. महाराष्‍ट्र के मुख्‍यमंत्री देवेन्‍द्र फडणवीस अंतिम संस्‍कार में शामिल भइलन आ कहलन कि आर के लक्ष्‍मण का सम्‍मान में राज्‍य सरकार एगो स्‍मारक बनवाई.
  • स्‍पेन के राफेल नडाल ऑस्‍ट्रेलियाई ओपन टेनिस टूर्नामेंट का पुरुष सिंगल्‍स क्वार्टर फाइनल में चेक गणराज्‍य के टॉमस बर्डिच का हाथे हार के बाहर हो गइलन. महिला सिंगल्स में रुस के मारिया शारापोवा कनाडा के यूजि‍नी बुशार्ड के हरा के सेमीफाइनल में चहुँप गइली.
  • बिहार के राज्यपाल केशरीनाथ त्रिपाठी राज्य के बिगड़त कानून व्यवस्था पर राज्य सरकार से रिपोर्ट मंगवले बाड़न. आ मुख्यमंत्री से कहले बाड़न कि कानून व्यवस्था पर ऊ खुदे नजर राखस.
  • केंद्र सरकार अगिला तीन बरीस में पटना समेत देश के पचीस गो शहरन में मुफ्त वाईफाई सेवा देबे के इंतजाम करी. एह सेवा के नियत समय खातिर बिना कुछ दिहले आ बाद में शुल्क दे के इस्तेमाल कइल जा सकी.
  • औरंगाबाद में सूर्य महोत्सव के समापन पर बोलत पंचायती राज मंत्री डॉक्टर विनोद प्रसाद यादव कहलन कि ऐतिहासिक आ धार्मिक स्थल देव में पर्यटकन ला सुविधा बढ़ावे के इंतजाम कइल जाई.
  • पश्चिमी चंपारण के नरकटियागंज से अपहृत विकास कृष्ण के किडनैप करे वाला अपराधियन – संतोष चौधरी आ दीपक वर्णवाल – के बेतिया पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया.

 150 total views,  2 views today

%d bloggers like this: