web analytics

खबर भोजपुरी में (शुक, 30 जनवरी 2015)

(बियफे, 29 जनवरी के खबर)

29 जनवरी, 2015 का दिने बीटिंग द रिट्रीट समारोह के विहंगम दृश्य
29 जनवरी, 2015 का दिने बीटिंग द रिट्रीट समारोह के विहंगम दृश्य

  • पुरनका जनता परिवार के एक जुट करे के मुहिम पर चोट करत राजद के लालू आज कह दिहलन कि उनकर गोल अलगे चुनाव लड़ी. एह एलान से छनछनाइल नीतीश कुमार अब मुलायम सिंह का साथे होखे वाला बइठका में ना जाए के फैसला कइले बाड़न. ना खुदा ही मिला ना विसाले सनम, ना इधर के रहे ना उधर के रहे.
  • विधायक रहते ठीकेदारी करे वाला यूपी के दू गो विधायकन के विधायकी रद्द करे के आदेश दे दिहलन राज्यपाल राम नाइक. रसड़ा से बसपा विधायक उमाशंकर सिंह आ भाजपा के एगो विधायक बजरंग बहादुर सिंह अब विधायक ना रह जइहें.
  • कांग्रेसी भक्त आ द्वारका शारदा पीठ के शंकराचार्य स्वरुपानंद सरस्वती के कहल मानी त अपना किहां आइल अतिथि के अपना से चाय ढार के दिहल बेइज्जति के बात होले. तबहिए नू उ कहले बाड़न कि पीएम मोदी अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा के चाय बना के पियावल देश के बेइज्जति करा गइल बा. धन्य बानी महाराज!
  • नया बनल विदेश सचिव एस. जयशंकर बियफे का दिने आपन पदभार सम्हार लिहलन. पद मुक्त भइला का बाद पुरनका विदेश सचिव सुजाता सिंह के बयान आइल बा कि 38 साल के नौकरी कइला का बाद उहे अपना के मुक्त करे के कहले रही. बाकिर कांग्रेस एह बात के सवाल बनवले बा कि आखिर का कारण रहुवे कि सुजाता सिंह के एह तरह से हड़बड़ी में हटावल गइल. जान जाईं कि पिछला बेर मनमोहन सिंह चाहत रहलन कि एस. जयशंकर के विदेश सचिव बनावल जाय बाकिर सोनिया गाँधी के दबाव का चलते उनका सुजाता सिंह के नियुक्त करे के पड़ल. भाजपा के कहना बा कि कवनो पदाधिकारी के हटावल राखल सरकार के अधिकार के बात ह आ एह पर सवाल ना उठावल जा सके.
  • इंडोनेशिया से सिंगापुर जात एयर एशिया के जहाज ओकर को पायलट उढ़ावत रहुवे. जाँच से एह बात के खुलासा भइल बा. ओने मलेशिया सरकार आधिकारिक तौर से मान लिहलसि कि साल भर पहिले लापता भ‎इल जहाज, एमएच370, लापता हो चुकल बा आ ओह पर सवार सगरी लोग के मरल मान लिहल गइल बा. एह एलान का बाद ओह लोग के परिवारन के बीमा के धन मिले के राह खुल गइल.
  • मेलबर्न में चलत आस्ट्रेलियन ओपन में इंग्लैंड के माथ टेनिस खिलाड़ी एंडी मरे बियफे का दिने चेक गणराज्य के टॉमस बर्डिख के हरा के पुरुष एकल का फाइनल में चहुँप गइलन.
  • आजु बियफे का दिने पटना विश्वविद्यालय में सीनेट के बइठक के विरोध करत छात्र संगठनन के कार्यकर्तन के हटावे खातिर पुलिस के लाठी चलावे के पड़ल जवना से करीब एक दर्जन छात्र घवाहिल गो गइले.
  • दिल्ली चुनाव से पहिले भाजपा केजरीवाल से पाँच गो सवाल रोज पूछे के फैसला कइले बिया. एही में आजु केजरीवाल से पाॅच गो सवाल पूछलसि कि कांग्रेस के सहायता काहे लिहलऽ, सरकारी कार आ बंगला काहे लिहलऽ, शीला दीक्षित पर आरोप लगवलऽ बाकिर मुकदमा ना चलवलऽ वगैरह. चूंकि आ आपा का लगे एह सवालन के कवनो जवाब नइखे त ओकरा तरफ से कहल गइल कि भाजपा घबरा गइल बिया आ पुरान सवाल उठावत बिया.
  • कश्मीर में शहीद भइल कर्नल एम एन राय के अंतिम संस्कार आजु दिल्ली में करा दिहल गइल. एह मौका पर सेना प्रमुख समेत अनेके लोग उनका के आपन श्रद्धांजलि दिहल. देश भर से कर्नल खातिर सम्मान के आवाज उठत बा. कर्नल संगे विश्वासघात क के उनुका के शहीद कइल गइल जब आतंकियन के परिवार वाले उनुका के बझा के रखले रहलन कि आत्मसमर्पण करवा दीहें आतंकियन के.
  • पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका से एगो बस में साढ़े पन्द्रह किलो चरस बरामद कइलसि पुलिस. बाकिर तस्कर ना धराइल.
  • पश्चिम बंगाल में सौ गो से अधिका आदिवासियन के ‘घरवापसी’ का मामला में विश्व हिंदू परिषद के अध्यक्ष प्रवीण तोगड़िया आ कार्यकर्ता जुगल किशोर का खिलाफ धार्मिक भावना के ठेस चहुंपावे के आरोप में केस दर्ज करावल गइल बा.
  • मशहूर गायक, संगीतकार आ गीतकार शेखर सेन के संगीत नाटक अकादमी के अध्यक्ष पद पर नियुक्त क दिहल गइल बा.
  • लखनऊ में शुक का दिन से चार दिन के सम्मेलन होखी देश भर के विधायी निकायन के पीठासीन अधिकारियन आ सचिवन के.
  • बिहार क्रिकेट संघ के सचिव आदित्य वर्मा केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली से गोहार कइले बाड़न कि ऊ श्रीनिवासन के मदद मत करसु. जेटली बीसीसीआई के उपाध्यक्ष रहलन आ एन. श्रीनिवासन के सुप्रीम कोर्ट का आदेश से बीसीसीआई अध्यक्ष पद से हटा दिहल गइल बा.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद आजु बियफे का दिने एलान क दिहलसि कि अगिला बीसबीसा विश्व कप 11 मार्च से 3 अप्रैल का बीच हिन्दुस्तान में होखी.
    इहो तय भइल बा कि मेलबर्न क्रिकेट मैदान पर 29 मार्च के होखे वाला एकदिना विश्व कप के फाइनल मुकाबला अगर बरोबरी पर छूटत होखी त नयका चैंपियन के फैसला सुपर ओवर से करावल जाई.
  • भारत सरकार के खेल मंत्रालय फैसला कइले बावे कि अबसे अंतर्राष्ट्रीय पदक जीते वालन के दिहल जाए वाला इनामी राशि बढ़ा दिहल जाव आ कोचो के इनाम दिहल जाई.
  • शेयर बाजार में तेजी के रूख बियफे का दिनो बनल रह गइल आ सेंसेक्स 123 अंक चढ़ के आ निफ्टी 38 अंक बढ़ के बंद भइल. हालांकि कोल इण्डिया के विनिवेश के खबर का बाद ओकरा शेयर के दाम में बड़हन गिरावट देखे के मिलल.
  • अभिनेता-गायक आयुष्मान खुराना के फिलिम रिलीज होखे पहिलही यूपी में टैक्स फ्री क दिहल गइल बा. फिलिम शुक का दिने रिलीज होखे वाली बा.
  • बिहार आ पूर्वांचल में बरखाबुनी का चलते ठण्ढक फेरू बढ़ गइल. कश्मीर में बरफ गिरल.

 138 total views,  2 views today

%d bloggers like this: