web analytics

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 31 जनवरी 2015)

(शुक, 30 जनवरी के खबर)

  • JayantiNatrajanकांग्रेस के बड़ आ पुरान नेता अउर पिछला चुनाव से कुछ दिन पहिले ले केन्द्र में पर्यावरण मंत्री रहल जयंती नटराजन आजु पार्टी छोड़ दिहली. सोनिया गाँधी के भेजल एगो लमहर चिट्ठी में ऊ बतवले बाड़ी कि उनकर परिवार चार पीढ़ी से कांग्रेस का संगे रहल तबहियों पता ना कवना अपराध खातिर उनकर सगरी जिनिगी बरबाद क दिहल गइल. बतवले बाड़ी कि के तरह हर फैसला में राहुल गाँधी आपन निर्देश देत रहलें आ सगरी बदनामी जयन्ती के झेले के पड़त रहल. जयन्ती नटराजन के एह खुलासा का बाद कांग्रेस सन्न रह गइल बिया काहे कि अबकी कवनो बड़का नेता सोझे राहुल गाँधी पर हमला बोलले बा.
  • सिपाही विद्रोह के पहिला नायक मंगल पाण्डेय के जयंती पर बलिया में हाफ मैराथन, गोष्ठी आ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के आयोजन कइल गइल. मंगल पाण्डेय के जनमभूमि नगवां में दिन भर जलसा के माहौल रहल.
  • रसड़ा विधायक उमाशंकर सिंह के विधायकी छिनइला का खिलाफ आजु उनकर समर्थक रसड़ा में प्रदर्शन कइले, बाजार बंद करा दिहले आ सरकार के पुतला फूंकले. कई जगहा चक्को जाम कइल लोग.
  • आरा के अदालत में हाल ही में भइल विस्फोट का मामिला में सुराग खोजत बिहार पुलिस आजु बलिया के शिवपुर दियर में छापा मरलस. पुलिस के तलाश बम धमाका करे वाली मेहरारू के अउरी साथियन के रहल बाकिर ओकरा कुछ भेंटाइल ना.
  • मिर्जापुर के जमालपुर इलाका में मठना डुमरी रोड पर ट्रैक्टर से कचरा के दू गो बचवन के – तेरह बरीस के सुमन, आठ बरीस के शिवम – मौत हो गइल आ एगो छह बरीस के लइका बहुते घवाहिल हो गइल. ट्रैक्टर चलावे वाला के पकड़ के लोग जम के धुनाई कइल.
  • 13 फरवरी से गाजीपुर में सेना भर्ती रैली के अनुमति प्रशासन दे दिहलसि. रैली 13 से 18 फरवरी ले चली आ पीजी कालेज के खेल मैदान में करावल जाई. 13 तारीख के जौनपुर के, 14 आ 15 के गाजीपुर के, 16 तारीख के बलिया के, 17 तारीख के गोरखपुर के आ 18 फरवरी के मिर्जापुर के नवहियन के भरती होखी.
  • आस्ट्रेलिया में होखत एकदिना क्रिकेट के तिकोनिया सीरीज के अपना आखिरी मैच में इंगलैण्ड से हार के भारत बाहर हो गइल. भारत एह सीरीज में आपन तीनो के तीनो मैच हार गइल. अब इंगलैण्ड आ आस्ट्रेलिया का बीच फाइनल मुकाबला होखी.
  • कोल इण्डिया में दस फीसदी हिस्सेदारी के विनिवेश करे में सरकार सफल रहल आ एहसे सरकार के करीब 22 हजार करोड़ रुपिया मिल जाई. शुक का दिने शेयर बाजार में जम के मुनाफावसूली भइल आ सेंसेक्स 499 अंक टूट के बंद भइल. निफ्टीओ में 143 अंक के गिरावट दर्ज भइल.
  • पाकिस्तान के सिंध में शुक का दिने नमाज का बाद एगो शिया मस्जिद में भइल बम धमाका से नाहियो त तीन दर्जन लोग के मौत हो गइल. इस्लामी आतंकवादियन में सुन्नी मुसलमान भरल बाड़े आ ऊ गैर मुसलमानन पर हमला त करबे करेलें शियो लोग पर हमला करे के एको मौका ना छोड़सु.
  • विदेश मंत्री सुषमा स्वराज शनिचर का दिने तीन दिन के दौरा खातिर चीन रवाना होखीहें. ओहिजा उनका रूस-भारत-चीन के तीनतरफा बइठक में शामिल होखे के बा.
  • मौजूदा चैम्पियन दिल्ली वेबराइर्ड्स के शुक का दिने मेजर ध्यानचंद नेशनल स्टेडियम दिल्ली में खेलल हॉकी इंडिया लीग के मैच में जेपी पंजाब वॉरियर्स 3-1 से हरा दिहलसि.
  • उन्नाव पुलिस लाईन से सैकड़न कंकाल से भरल बोरियन के मिलला का बाद सनसनी फ‎इल गइल बा. हालही में एहिजे नदी में उतराइल मिलल रहुवे.
  • सारधा घोटाला में सीबीआई के सोझा आखिरकार आजु तृणमूल कांग्रेेस के महासचिव आ देश के रेल मंत्री रहल मुकुल रॉय पूछताछ खातिर हाजिर होइए गइलन.
  • बिहार में पटना आ अगल बगल के इलाका में मौसम साफ बा. यूपी में घाम निकलला का बावजूद जाड़ के प्रकोप बनल बा.
  • कई दिन से चलल आवत तेजी का बाद आजु शेयर बाजार के शुरुआती कारोबार में बड़हन गिरावट देखे के मिलल बा आ सेंसेक्स करीब चार सौ अंक गिर चुकल बा.

 202 total views,  4 views today

%d bloggers like this: