खबर भोजपुरी में (बुध, 4 फरवरी 2015)

(मंगल, 3 फरवरी के खबर)

  • Kejriदिल्ली के चुनाव जस जस नजदिकाता तस तस तल्खी बढ़ल जात बा नेतवन के भाषणबाजी में. चंदा घोटाला में घेराइल आआपा नेता केजरीवाल छाती ठोक-ठोक के कहत बाड़न कि सरकार में बेंवत होखे त उनुका के गिरफ्तार क के देखावे. दोसरा तरफ खुद पीएम मोदी अपना भाषण में एह मुद्दा के उठावत बिना केहू के नाम लिहले कहलन कि देश एक बेर गलती करे वाला के भलही माफ कर देव बाकिर भरोसा तूड़ेवाला के कबो माफ ना करे. कहलन कि अइसन बात ना रहे कि भठियरपन इंदिरा गाँधी का जमाना में ना रहुवे बाकिर राजीव साफ सुथर राजनीति के वादा क के सत्ता में अइलन तो लोग के भरोसा तूड़ दिहले आ लोग उनुका के एकर सजायो दे दिहल.
  • भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर रघुराम राजन मंगल का दिने जारी बैंक के समीक्षा नीति में ब्याज दर में कवनो बदलाव ना कइलन बाकिर एसएलआर में कटौती जरूर क दिहलन. एसे बैंकन का लगे 45 हजार करोड़ रुपिया के तरलता आ जाई आ ओहपर कर्जा देबे के दबाव बढ़ जाई. उद्योग जगत रिजर्व बैंक के फैसला के स्वागत कइले बावे बाकिर निवेशकन के मन टूटला का चलते शेयर बाजार में मंगलो का दिने गिरावट के दौर जारी रह गइल.
  • दुनिया में कच्चा तेल के लगातार गिरत दाम का चलते मंगल के अधरतिया से पेट्रोल के दाम में 2.45 रुपिया आ डीजल के दाम में 2.25 रुपिया के कमी क दिहली सँ तेल कंपनी. पेट्रोल के दाम में ई लगातार दसवाँ बेर आ डीजल के दाम में लगातार छठवां बेर कमी भइल बा.
  • मेजर ध्यानचंद स्टेडियम में मंगल का दिने खेलल गइल हॉकी इंडिया लीग-3 के मैच में रांची रेज टीम उत्तर प्रदेश विजार्ड्स टीम के 2-0 गोल से हरा दिहलसि.
  • फिजी के प्रधानमंत्री वोरेक बैनिमारामा कहलन कि उनका देश के झंडा से औपनिवेशिक निशानन के हटावत बदल दिहल जाई काहे कि अब ओकर जरूरत नइखे.
  • तीर्थराज प्रयाग में पिछला एक महीना से चलत क्ल्पवास माघ मेला के आखिरी नहान मंगल का दिने माघी पूर्णिमा पर भइल आ एकरा बाद श्रद्धालु अब अपना अपना ठिकाना पर लवटल शुरु हो गइलें.
  • बसपा के गढ़ में सेन्ह लगावत भाजपा मंगल का दिने बसपा के नेता रहल राज्यसभा सदस्य जुगल किशोर आ उत्तर प्रदेश के मंत्री रहल फतेह बहादुर सिंह के परिवार के अपना में शामिल क लिहलसि. एह दुनू जने के भाजपा में शामिल नइखे कइल गइल बाकिर परिवार के शामिल करा के पिछला दरवाजा खोल दिहल गइल बा ढुक आवे खातिर.
  • जापान के राष्ट्रीय फुटबाल टीम के कोच जेवियर एग्वीरे के साल 2011 में स्पेन में भइल मैच फिक्सिंग में शामिल रहला का सन्देह का चलते बर्खास्त क दिहल गइल. बाकिर एहिजा क्रिकेट के बदनाम करा देबे वाला सट्टेबाजी के आरोपन का बावजूद श्रीनिवासन के बीसीसीआई के फेरू अध्यक्ष बना देबे ला तिकड़म हो रहल बा.
  • बलिया के सहतवार इलाका के कोलकला गाँव में एगो आदमी के पीट-पीट के आ बाद में टँगड़ी में रस्सी बान्ह के सड़क पर घसीट के मुआ दिहल लोग. ओकरा पर एगो पम्पिंग सेट चोरावे के आरोप रहुवे आ एकरे चलते लोग ओकर जान ले लिहल. पुलिस ओकरा दू गो पटीदारन के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • दाऊद के भाई इकबाल कासकर के मंगल का दिने मुंबई पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. कासकर पर एगो आदमी पर हमला करे आ ओकरा से रंगदारी माँगे का चलते गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • मंगल का दिेने भाजपा दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर आपन विजन डाकुमेंट जारी क दिहलसि जवना में दिल्ली के दुनिया के अव्वल शहरन जइसन बनावे के वादा कइल गइल बा.
  • आजु जारी अपना दुमहिनवा समीक्षा का बाद भारतीय रिजर्व बैंक ब्याज दर में कवनो फेर बदल नइखे कइले.
  • बिहार आ पूर्वांचल में मंगल का दिने बढ़िया घाम निकलला का चलते मौसम बहुते खुशगवार हो गइल बा. ओने दिल्ली में आजुओ बरखा के अनेसा जतावल गइल बा. कश्मीर घाटी में भइल बरफबारी का चलते मंगल का दिने जम्मू-श्रीनगर रोड के बंद करे के पड़ गइल. हिमाचलो प्रदेश के शिमला, मनाली आ नारकंडा वगैरह इलाकन में जम के बरफ गिरल बा.
  • शेयर बाजार में आजु फेरू गिरावट दर्ज भइल. रिजर्व बैंक ब्याज दर में कवनो बदलाव ना कइलसि एकरो चलते लोग के मूड खराब भइल आ शेयर के दाम अउरी नीचे चल गइली सँ, जबकि आजु सबेरे बाजर में तेजी झलकल रहुवे थोड़ देर ला.