खबर भोजपुरी में (अतवार, 8 फरवरी 2015)

(शनिचर, 7 फरवरी के खबर)

    Delhi-exitpoll-15

  • बिहार के सियासी दाँव पेंच अपना चरम पर चहुँपे लागल बा. शनिचर का दिने कुर्सी पर बइठे ला बेचैन नीतीश कुमार अध्यक्ष शरद यादव के माध्यम बना के विधायक दल के नेता चुनवा लिहलन अपना के. ओकरा साथही उनुका के राजद, कांग्रेस, वगैरह पार्टिओ आपन समर्थन दे दिहली सँ. बाकिर जीतन राम माँझी माने के तइयार नइखन आ अपना से असहमत पन्द्रह गो अउरी मंत्रियन के बरखास्त करावत दिल्ली चल गइलन जहवाँ ऊ नीति आयोग के बइठक में शामिल होखीहें आ बाद में पीएम मोदी से भेंट क के बिहार का बारे में बतियइहें. सुने में आवत बा कि एह मुलाकात का दौरान रामविलास पासवानो मौजूद रह सकेले.
  • दिल्ली विधानसभा के चुनाव खतम होखते टीवी मीडिया आपन आपन एक्जिट पोल ले के आ गइले आ करीब करीब सगरी पोल आआपा के बहुमत देखावे वाला निकलल. बाकिर भाजपा एह एक्जिट पोल के माने के तइयार नइखे आ ओकरा अबहियों भरोसा बा कि ओकरे जीत होखी आ किरने बेदी मुख्यमंत्री बनीहन. एके गो एक्जिट पोल भाजपा के बहुमत देखावत आइल बा.
  • विश्व हिंदू परिषद के नेता प्रवीण तोगड़िया के भाषण कवनो तरह से प्रसारित करे पर बैगलुरू प्रशासन रोक लगा दिहले बा. तोगड़िया के बैगलुरू आवहूं पर रोक लगा दिहल गइल बा.
  • सारधा घोटाला में सीबीआई का गिरफ्त में आइल कांग्रसी नेता आ पहिले मंत्री रह चुकल मतंग सिंह के अदालत पाँच दिन के पुलिस रिमांड पर दे दिहले बिया. एह दौरान उनुकर वकीलो उनका साथे रह सकीहें.
  • साल 2002 के गोधरा दंगा के एगो आरोपी सलीम युसूफ रजा जर्दा के अदालत से फाँसी के सजा सुनावल रहुवे बाकिर एही बीच पेरोल पर निकल के ऊ फरार हो गइल. शनिचर का दिने ओकरा के भरूच पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
  • चंदौली जिला के कंदवा इलाका में शनिचर का भोर में एगो ट्रक मोटर साइकिल से आवत बाप-बेटा के कचारत भाग निकलल. धानापुर के बसगाँवा के रहेवाला काशीनाथ गोंड़ अपना बेटा रोहित संगे अपना भगीना के शादी खातिर लईकी देखे गाजीपुर गइल रहलें आ ओहिजे से लवटत घरी ई हादसा हो गइल. काशीनाथ के मौत ठाँवे पर हो गइल रहे आ रोहित अस्पताल ले जात घरी मौत का मुँह में चल गइल.
  • मिर्जापुर जिला के चुनार इलाका के रामगढ़ में एगो नवही अपना मौसा के कुदारी से काटपीट के मुआ दिहलसि. मौसा एक हफ्ता से ओकरा घरे आ के ठहरल रहलें. बाद में गिरफ्तार भइला का बाद कहलसि कि अइसहीं मन में आइल आ उनुका के मुआ दिहनी.
  • बिलात लोकगीतन के परंपरा फेरू से जिआवे का अपना कोशिश में मालिनी अवस्थी 12 फरवरी के बनारस के अस्सी घाट पर “धरोहर” नाम से एगो कार्यक्रम के आयोजन करवले बाड़ी. एकर शुभारंभ पद्मभूषण गिरिजा देवी करीहें.