खबर भोजपुरी में (सोमार, 9 फरवरी 2015)

(अतवार, 8 फरवरी के खबर)
NITI-Aayog-1st-meet

  • पीएम मोदी से भेंट कइला का बाद बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि इस्तीफा देबे के स‌वाले नइखे. बहुमत के फैसला विधानसभा में करा लिहल जाई. ओने विधानसभा स्पीकर उदय नारायण चौधरी जदयू विधायक दल के नेता का रूप में नीतीश कुमार के मान्यता दे के मामिला अउरी अझुरा दिहले बाड़न. जदयू के व्हिपो नीतीशे का साथ बाड़न से नीतीश का खिलाफ वोट करे वाला लोग दल बदल कानून का चपेटा में आ जाई. माँझी के कुरसी तबहिए सलामत रहि पाई जब जदयू में बड़हन विभाजन हो जाव.
  • नीति आयोग संचालन परिषद के पहिलका बइठक में पीएम मोदी कहलन कि मुख्यमंत्री लोग के चाहीं कि राजनीतिक मतभेद भुला के अपना अपना राज्य के विकास खातिर काम करे लोग. एह बइठक में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी छोड़ सगरी मुख्यमंत्री आइल रहले. बाद में अरुण जेटली बतवले कि मुख्यमंत्रियन के तीन गो उपसमूह बनावल गइल जवन केन्द्रीय योजना के समीक्षा, मानव संसाधन विकास आ तिसरका समूह स्वच्छ भारत अभियान खातिर तंत्र विकसित करे खातिर होखी.
  • अतवार का दिने वाराणसी के शीतला माता मंदिर में आयोजित हिन्दू सम्मेलन में बोलत भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि पता ना ‘घर वापसी’ पर सवाल काहे उठावल जात बा. कहलन कि जब कवनो हिन्दू मुसलमान भा ईसाई बन जाला तब तक कवनो विरोध ना होखे बाकिर जब हिन्दू अपना धर्म में वापस लवटल चाहेला त हल्ला होखे लागेला. कहलन कि हिन्दू समाज के चाहीं कि अपना बीच से छुआछूत खतम कर के एक जुट हो जाव. योगी अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा के आलोचना करत कहलन कि सबले अधिका नस्लभेद त खुद अमेरिका में बा. हमनी का त वसुधैव कुटुंबकम के संदेश दिहिले.
  • दशाश्वमेध घाट आ शीतला घाट के फ्री वाईफाई जोन बनावे के उद्घाटन करत केन्द्रीय संचार मंंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि देश के छह गो धार्मिक शहरन के जल्दिए वाईफाई जोन बना दिहल जाई जहाँ परर्यटक रोज आधा घंटा ले एह सुविधा के लाभ बिना कवनो शुल्क दिहले कर सकीहें.
  • बलिया जिलाधिकारी के निर्देश का बावजूद अतवारो का दिने बलिया के बाजार खुलल रहली स. जबकि प्रशासन के सख्त निर्देश बा कि सप्ताह में एक दिन बंदी जरूर राखल जाव.
  • अभ्यास मैच में भारत के टीम लागत बा कि हारे के अभ्यास कइलसि आ आस्ट्रेलिया से 106 रन से हार गइल. उमेद कइल जाव कि एह अभ्यास के फायदा टीम वर्ल्ड कप मैचो में उठाई आ लगातार हार के रिकार्ड बनाई. भारत के टीम में से तेज गेंदबाज इशांत शर्मा के हटा के मोहित शर्मा के राखल गइल बा. इशांत के ठेहुना पर चोट लागल बा.
  • अतवार का दिने खेत से काम क के घरे लवटत एगो मेहरारू छपार सोनपुर रेलखंड पर गोल्डेनगंज टीसन का लगे ट्रेन से कटा के मर गइल. बतावल जात बा कि ऊ औरत बहिर रहुवे.
  • सारण जिला के एकमा में भारत गैस एजेन्सी का तरफ से गैस सिलिण्डर के गाँवे गाँव होम डिलिवरी के सुविधा शुरु हो गइल बा. अब इलाका के लोग के एकमा दउड़े के जरूरत नइखे पड़त.