खबर भोजपुरी में (मंगल, 10 फरवरी 2015)

(सोमार, 9 फरवरी के खबर)

  • TonyTanKengYam-NaMo
    सिंगापुर के राष्‍ट्रपति डॉ टोनी तान केंग याम के आज राष्‍ट्रपति भवन में रस्‍मी स्‍वागत कइल गइल. उनुका संगे उनुकर पत्नीओ आइल बाड़ी. एह मौका पर उनका के गार्ड आफ आनर दिहल गइल आ बाद में पीएम मोदी आ विदेश मंत्री सुषमा स्वराज से भेंट में दुनू देश का हित के मुद्दन पर विचार भइल. रात में उनुका सम्मान मे भोज दिहल गइल.
  • दिल्ली विधानसभा चुनाव के मतगणना मंगल का सबेर में शुरू होखे वाला बा आ सभकर निगाह ओकरे पर लागल बा. एक्जिट पोल में करीब करीब एकमत से सभे आआपा के जीत बतवले बा बाकिर भाजपा के पूरा उमेद बा कि नाव ओकरे करवट बइठे वाली बा. कहे वाला इहो कहत बाड़न कि एही रिजल्ट से बिहारो के रिजल्ट तय हो जाई. अगर भाजपा जीतल त माँझीओ जीत जइहें आ हारल त उनकरो हार तय बा.
  • पटना राजभवन का सोझा अपना सगरी समर्थक विधायकन के जुलूस ले जा के नीतीश देखा दिहलन कि अबहीं बहुमत उनके लगे बा आ राज्यपाल से कहलन कि जल्दी से जल्दी उनुका के मुख्यमंत्री बना दिहल जाव. बाकिर जीतन राम माँझी राज्यपाल से कहले बाड़न कि उनुका लगे बहुमत बा आ ऊ विधानसभा में तय करा दीहें. नीतीश गुट के कहना बा कि अगर मंगल के दुपहरिया ले सरकार बनावे ला बोलहटा ना आइल त ऊ अपना सगरी विधायकन समेत दिल्ली कूच क जइहें आ राष्ट्रपति का सोझा आपना बहुमत देखइहें. पता ना अतना बेचेैनी कवना बात के बा. विधानसभा में माँझी का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पास करा देस त कवनो दिक्कते ना होखी उनुका मुख्यमंत्री बने में. जदयू माँझी के अपना गोल से बाहरो क दिहले बिया.
  • मंगल का दिने बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी अपना कैबिनेट के मीटिंग बोलवले बाड़न जवना में मौजूदा राजनीतिक संकट पर विचार होखे वाला बा. एह बीच केन्द्रीय राज्य मंत्री आ रालोसपा अध्यक्ष उपेन्द्र कुशवाहा कहलन कि बिहार में राष्ट्रपति शासन लगावल छोड़ कवनो दोसर राह नइखे बाचल.नीतीश कुरसी का लालच में एगो महादलित के बेर बेर बेइज्जति करे में लागल बाड़न.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सरसंघचालक मोहन भागवत काल्हु मेरठ में कहलन कि भारत ‘हिंदू राष्ट्र’ ह आ देश में सगरी हिन्दूवन के एकजुट कइला के सख्त जरूरत बा. इहो कहलन कि हिन्दू एकरा खातिर समयो अनुकूल बा आ जब हिन्दू एकजुट हो जइहें त देश महान बनी आ पूरा दुनिया के एकर फायदा होखी.
  • देश के बिना बिजली वाला बीस हजार गाँवन में तय समय सीमा का भितरे बिजली चहुँपावे ला पीएम मोदी संबंधित मंत्रालयन से मिशन मोड में काम करे के कहले बाड़न.
  • इशरत जहां मुठभेड़ मामिला में निलंबित आईपीएस अधिकारी पीपी पांडे के अदालत से जमानत मिल गइला का बाद गुजरात सरकार फेरू बहाल क दिहलसि. उनका के गांधीनगर में अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक (लॉ एंड ऑर्डर) के खाली पड़ल पद पर तैनात क दिहल गइल.
  • संसद पर हमला के दोषी आतंकी अफजल गुरू के फाँसी का दू साल पूरा भइला का दिने श्रीनगर में अलगाववादी प्रदर्शन करे निकलले त सुरक्षा बल से अझूराए लगले. बाद में सुरक्षा बल के गोली चलवला से एगो नवही के मौत हो गइल. कुछ कांग्रेसी नेतो लोग अफजल गुरु के फाँसी के गलत बतावे में लागल बा. मकसद बस एके बा कि केहू तरह राजनीति में औकात बनल रहि जाव.
  • झारखंड में जेवीएम के चार गो विधायकन के गोल से निलंबित क दिहल गइल बा. छह गो विधायक वाला एह गोल के चार गो विधायक भाजपा में जाए के अनेसा जतावल जात बा.
  • साहित्य, कला, संगीत आ खेल से जुड़ल छप्पन लोग के आजु सोमार का दिने लखनऊ के राम मनोहर लोहिया पार्क में आयोजित समारोह में यश भारती सम्मान दिहल गइल. एह लोग में रविन्द्र जैन, शुभा मुद्गल, राजन-साजन मिश्र, अनूप जलोटा, कैलाश खेर, पंडित विकास महराज, बेकल उत्साही, लाल बचन यादव, विजय पाल यादव आ श्वेता प्रियदर्शिनी वगैरह लोग के नाम शामिल बा.
  • पश्चिम चंपारण के योगापट्टी इलाका के पटेरवा प्राथमिक विद्यालय के भवन निर्माण के धन में से करीब सवालाख से अधिका रुपिया गबन करे का मामिला में एगो शिक्षक राजेश कुमार के गिरफ्तार करे के आदेश दिहल गइल बा.