भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शुक, 27 फरवरी 2015)

(बियफे, 26 फरवरी के खबर)

  • PrabhuSureshबियफे का दिने पेश भइल मोदी सरकार के पहिलका पूरा रेल बजट में सवारी भाड़ा ना त कम भइल ना बढ़ावल गइल. डीजल के दाम में कमी से कुछ लोग के उमेद रहुवे कि भाड़ा में कुछ कमी हो सकेला. साथही कवनो नया ट्रेन चलावे के एलानो ना भइल. बाकिर एकरा बावजूद आम आदमी एह रेल बजट से खुश नजर आवत बा काहें कि सुरक्षा, सफाई आ समय पर अधिका धियान देबे के कहल गइल बा. नया रेल लाईन बिछावल जाई आ पहिले से जारी काम के पूरा कइल जाई.
  • आरक्षण अब 60 दिने पहिले का जगहा 120 दिन पहिले करावल जा सकी. बिना आरक्षण वाला टिकट पाँच मिनट में मिल जाव एकर व्यवस्था करावल जाई. नया गाड़ी त ना चलल बाकिर पुरनकन में कोच बढ़ावल जाई आ कुछ ट्रेन में अब 2 गो कोच अधिका जोड़ल जाई. माल भाड़ा बढावे के बात कहल गइल बा त सामानो के दाम बढ़े के अनेसा कइल जा सकेला.
  • कुछ रेल जोन में ट्रेन के स्पीड बढ़ा के 200 किलोमीटर ले कइल जाई जेहसे कि मेट्रो शहरन का बीच कम समय मेंं यात्रा पूरा हो सकी.
  • रेल बजट में बिहार के दीघा आ मुंगेर रेल पुल खातिर 450 करोड़, मोकामा मेंं राजेन्द्र पुल के डबल लाईन, ओकरा बगल में एगो नया पुल, अउर अनेके परियोजना ला मंजूरी दिहल गइल बा.
  • मुंबई के विशेष सीबीआई अदालत सोहराबुद्दीन शेख आ तुलसीराम प्रजापति के मुठभेड़ में भइल मौत का मामिला में पूरा सबूत ना रहला का चलते भाजपा नेता आ राजस्‍थान के तब गृहमंत्री रहल गुलाब चंद कटारिया आ एगो व्‍यवसायी विमल पटनी के आरोप-मुक्‍त क दिहलसि.
  • धोखाधड़ी आ अनेत व्‍यापार कर के आरोप में बिल्‍डर डी एल एफ आ ओकरा अध्‍यक्ष के. पी. सिंह समेत सात जने पर कुल 52 करोड़ रूपिया के जुर्मान लगवले बिया सेबी. एहमें से 26 करोड़ डी एल एफ पर आ 26 करोड़ बाकी सातो जने पर लगावल गइल बा. बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज के सेंसेक्स रेल बजट का बाद 261 गिरके आ निफ्टी 83 अंक गिर के बंद भइल.
  • मेलबर्न में क्रिकेट विश्‍व कप के मैच में श्रीलंका 92 रन से बांग्‍लादेश के हरा दिहलसि. एगो दोसरा मैच में अफगानिस्‍तान एक विकेट से स्‍काटलैंड के हरा दिहलसि. शुक का दिने दक्खिन अफ्रीका आ वेस्‍टइंडीज के मैच होखे वाला बा.
  • 28 फरवरी का दिने पटना के श्रीकृष्ण मेमोरियल हाॅल में अपना समर्थकन के मीटिंग में जीतन राम माँझी आपन आगे के रणनीति बनइहें. एह बीच उनका मंत्रीमंडल में रहल आ उनुका साथी बिनय बिहारी के जान से मार देबे के धमकी मिलत बा. एह बारे में ऊ थाना में केसो लिखववले बाड़न.
  • आरा जिला के जमीरा हाॅल्ट टीसन का लगे ट्रेन से गिर के तीस बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल. ओकर पहचान तय नइखे भइल. उदवंत नगर के बेलउर गाँव से एगो डेढ़ साल के बच्चा बुध का दिन से गायब बा आ अबही ले ओकर पता ना चलला का चलते गाँव के लोग सड़क जाम क दिहल. बाद में पुलिस भरोस दिआ के जाम हटवलसि.
  • पटना हाई कोर्ट का आदेश का बाद छपरा नगरपालिका के तीन महीना का भितरे नगर निगम बना दिहल जाई. बिहार के ई बारहवाँ नगर निगम होखी. नगर निगम बनला का बाद छपरा शहर के दायरा बढ़ जाई.
  • रेल बजट में छपरा के अनेके लटकल परियोजना के कवनो चरचा ना होखला से लोग निराश बा. एहमें छपरा मुजफ्फरपुर, माँझी-सिसवन-रघुनाथपुर-दरौली-सलेमपुर, छपरा-आरा नया रेल लाईन के काम शामिल बा.
  • छपरा विश्वविद्यालय के वीसी समेत तीन जने पर वित्तीय गड़बड़ी का आरोप में दायर मुकदमा में अगवाह जमानत खातिर होखत सुनवाई बियफे का दिने पूरा ना हो सकल. बाकी के सुनवाई शुक का दिने कइल जाई.